रहिमन चुप ह्वै बैठिये देखि दिनन को फेर

by | Jul 5, 2024 | 0 comments


रहिमन चुप ह्वै बैठिये देखि दिनन को फेर
जब नीके दिन आइहें बनत न लगिहें देर

कविवर रहीम खानखाना के एह कहनाम के आदर करे के चाहीं आ लोग आदर करबो करेला. जे ना करे ओकरा तरह तरह के मुसीबत झेले के पड़ जाला. कबो कवनो राज्य के पुलिस आ धमकेले त कबो कोरट कचहरी के दौड़ लगावे के पड़ जाला.

डिस्टिंक्शन से पास होखे के शेखी बघारे वाला सेकण्ड क्लास में पास भइल तब से समय बहुत बदल गइल बा. पासो होखे जोग नंबर ना ले आवे वाला आ ओकर संगी साथी अतना उछाह में बाड़ें कि कब केकर मुँह नोच लिहें कहल ना जा सके.

सबले दिक्कत ई बा कि जेकरा समर्थन में रउरा बोले चलब ऊ रउरा समर्थन में आवे के जहमत ना उठाई. अब हर केहू अजीत भारती त ह ना. एह माहौल में भोजपुरी में दुनिया के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम अगर दम सधले पड़ल बा त अचरज काहे. आ होखे के त इहो हो सकेला कि रउरा मालूमो ना होखी कि अंजोरिया पर कुछ नया आइल बा कि ना. आ हमरा मालूम ना होखे कि के आइल, कब आइल, काहे ला आइल. ओकरा का नीमन लागल आ का वाहियात. अगर हमरा के बता देव कि हमार लेख वाहियात होखेली सँ त हो सकेला कि हम एहमें कुछ सुधार करे के कोशिश करीं. बाकिर लोग सहजोग कइल त दूर कुछ कमेंटो करे से बाचेला. कुछ दिन ला हम कमेंट करे वाला के अपना के रजिस्टर करे से आजाद कर दिहले रहीं त अबाड़ कबाड़ अतना आवे लागल कि मजबूरन फेरू ऊ बंधन लगावे के पड़ गइल. तबहियों जब तब कवनो ना कवनो बॉट कमेंट में आपन बखान करिये जाला. ओह कमेंटन के कूड़ादानी में फेंकल हमार मजबूरी हो जाला काहे कि पहिले त ऊ कमेंट भोजपुरी में ना हो के अंगरेजी भा दोसरे कवनो विदेशी भाषा में रहेला, दोसरे ओकरा ओह लेख से कवनो मतलब ना होखे, होखे कइसे जब भोजपुरिया त पढ़िये ना पावसु विदेशी भाषा-भाषियन के का दोष.

सोचत बानी कि कुछ इनाम सिनाम राख दीं कमेंट करे वालन ला. बाकिर तब गूगल बाबा नाराज हो जइहें कि हम गहकी फँसावत बानी. ऊ चाहे जतना आ जइसन विज्ञापन ठेल देसु हमरा पन्ना पर बाकिर हमरा उनुके हिसाब से चले के होखी. आ मजे के बाति ई कि शायद दिन भर में चवन्नियो के आमदनी ना हो पावे आ हमरा खाता में तहिया आई जब कम से कम दस डॉलर बटुरा जाव. ना नौ मन तेल होखी ना राधा जी नचिहें ! अगर भोजपुरियन के सहजोग मिलित त कवनो जरुरते ना रहुवे गूगल बाबा के सेवा लेबे के. खैर, अन्हरा के आगे रोना आपन दीदा खोना. रउरा एह सभ से का ! भईंस के आगे बीन बजावे भईंस रहे पगुराय.

एगो आदमी, जवना के बाप-माई, दादा-दादी केहू के हिन्दू धरम से दूर दूर के नाता नइखे, के कहना बा कि हिन्दू हिंसक होखेलें. आ हम सोचे ला मजबूर हो गइनी कि पता ना हम हिन्दू हईं कि ना. काहे कि हम त हिंसक ना हईं. अगर हिन्दू हिंसक रहतें त केकर माई बाघ बियानी जे ऊ हिन्दूवन का खिलाफ एह तरह के हिकारत देखा सकीत ! अगर सर तन से जुदा करे के बेंवत रहीत त का मजाल जे कवनो आदमी हिंदुवन का खिलाफ बयानबाजी कर लीत भा सनातन के उन्मूलन के बात कह लीत. बाकिर आपन धियवा नीमन रहीत त बिरान पारीत गारी ?अगर हमहने में कमजोरी ना रहीत त हमनिये का भरोसे जीते वाला सभकर साथ के बकवासे काहे करीत. सेकलरिज्म के कीड़ा सबसे अधिका हिन्दुवने के धइले बा. दुनिया में ईसाई देश बहुते बाड़ी सँ. इस्लामी देशो कई दर्जन बाड़ी सँ बाकिर हिन्दू देश कहावे वाला सगरी दुनिया में एको देश नइखे. एगो रहल नेपाल त ओकरा के अइसन ठिकाने लगा दीहल गइल कि मत पूछीं. आ ओकर दोष अतने रहल कि एगो गैर हिन्दू महिला के भगवान पशुपतिनाथ मन्दिर में दर्शन करे ना आवे दिहलसि.

अब संतोष अतने पर बा कि सभकर साथ सभकर विकास करे वाला एने कई हफ्ता से एह पर गुम्मी सधले बाड़न. देखल जाव कहिया ले ! काहे कि उनुका त दुनिया में नाम कमाये के बा. जे वोट दी ओकर चिन्ता ना करीहें बाकिर जे मुवला पर आगो ना दी ओकर विकास के चिन्ता उनुका के हमेशा सतवले रहेला.

कई दिन बाद हम त आपन चुप्पी तूड़नी बाकिर का रउरा आजु एगो कमेंट करे के दरियादिली देखा पाएब ? उमेद त रउरो से नइखे !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up