लखनऊ 14 दिसम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु चिकित्सकन के एगो सम्मेलन मे कहलन कि बढ़िया चिकित्सकन के बहाली सरकार के प्राथमिकता में बा.
अखिलेश यादव कहलन कि एह साल राज्य के मेडिकल कालेजन में एमबीबीएस के 500 सीट बढल बा आ तीन गो नया मेडिकल कॉलेजो खोलल जात बा. कहलन कि मेडिकल कॉलेज मनमर्जी से ना खोलल जा सके आ एकरा ला मेडिकल काउन्सिल के मापदण्ड पूरा करे के पड़ेला. सरकार के कोशिश बा कि अउरिओ मेडिकल कॉलेज खुले.
बसपा सरकार का समय किंग जॉर्ज चिकित्सा विश्वविद्यालय के नाम बदलला के एह संस्थान के पहचान खतम करे के कोशिश बतावत अखिलेश कहलन कि चिकित्सा के क्षेत्र मे केजीएमयू के देश विदेश मे बहुते नाम बा. एहीसे सपा सरकार एह कॉलेज के पहचान वापिस लवटवलसि. एह ाम के बचावे आ बनावे रखला के जरूरत बा.
0 Comments