लोकतंत्र के हत्या

by | Nov 26, 2010 | 0 comments

भोला बाबू खीसे फनफनाइल रहलें. पुछनी कि का बात हऽ त बिफर पड़लें. कहे लगले, नीतीश त हदे कर दिहलें. अइसनो कइल जाला ? लोकतंत्र के कमजोर कर के राख दिहलें, राहुल गाँधी के बेइज्जत कर दिहलें, आ लालू से पता ना कवना जनम के दुश्मनी निकाल लिहलें.

कुछ देर त हमरो समुझ में ना आइल कि का भइल. सगरी प्रान्ते ना पूरा देश में नीतीश के जयकारा लाग रहल बा, बिहारियन के इज्जत बढ़ गइल आ भोला बाबू बाड़न कि बिखियाइल साँप बनल बाड़न. पुछनी कि भोला बाबू तनी फरिया के बताईं कि का कइलें नीतीश ?

भोला बाबू कहलें कि बिहार के विकास के अइसन ना ढोल पिटलें कि बाकी लोग के विकास रोक दिहलें. अरे के विकास करे में नइखे लागल ? सोनिया, मनमोहन, ए राजा, येदियुरप्पा, लालू, राबड़ी, पासवान सबही त विकासे करे में लागल बा. केहू अपना परिवार के त केहू अपना पार्टी के, केहू खुद आपन. बाकिर नीतीश के हो हल्ला से बाकी सबही के विकास रुकल कि ना ?

राहुल गाँधी जइसन नवही नेता, जे अब कुछेके साल में चालीस पार कर जाई कि पता ना पारो कर गइल बा, के तनिको धेयान ना कइलें. अरे कम से कम जहाँ जहाँ राहुल के भाषण भइल रहे तहाँ तहाँ त कांग्रेस के जीत जाये देतें. बाकिर ना ! ए मरदवा के त संतोषे नइखे. सगरी सीट लूट लेबे में लागल रहे आ करीब करीब लूटये लिहलसि जनता के अपना तरफ कर के. अब बताव कि लालू आपन, अपना परिवार के कइसे आगा बड़इहें ? तेजस्वी के ट्रेनिंग देबे के कोशिश बेकार कर दिहलें. आ राबड़ी देवी के दुनु सीट से हरवला के का जरुरत रहे ? एक सीट से बेचारी जीत गइल रहीत त कम से कम विपक्ष के नेता बन के कैबिनेट मंत्री वाली सगरी सुविधा त रहित लालू के परिवार का लगे. पासवानो बेचारा अपना भाई के विकास करावल चाहत रहलें. उनको के हरवा दिहलें.

भोला बाबू आगा कहत गइलें कि, लोकतंत्र के हत्या करे में नीतीश के नाम बहुते शर्म से लिहल जाई. पुरा विपक्षे हरा दिहलें. अतनो सीट ना लेबे दिहलें कि कम से कम विपक्ष के नेता त केहू बन जाइत. अब जवन जीतल बा लोग ओहि में से नू केहू के विपक्ष के नेता बनावे के पड़ी. जवन लालू बर जिनिगी अपना परिवार छोड़ दोसरा केहू के आगा ना आवे दिहलें अब ओह बेचारा के अपना छाती पर पत्थर राखि के केहू दोसरा के विपक्ष के नेता बनावे पड़ी कि ना ?

अब हमरा बुझात ना रहे कि भोला बाबू के कइसे समुझाईं त याद पड़ल कि भोला बाबू पुरनका कांग्रेसी हउवन. कहनी कि भोला बाबू रउरा त खुश होखे के चाहीं. लालू के सफाया करावे खातिर कांग्रेस के चाल सफल हो गइल. अगर कांग्रेस के मिलल वोट राजद लोजपा के मिलल वोट से जोड़ दीं त नतीजा कुछ दोसरे रही.

भोला बाबू जवाब दिहलें, खाली कांग्रेसे के काहे दोष देत बाड़ ? लालूओ के त पूरा कोशिश रहल कि कांग्रेस के बैण्ड बाज जाव. ना त जहाँ जहाँ कांग्रेस लड़ाई में रहुवे ओहिजा राजद लोजपा के वोट मिला द त कांग्रेस के कम से कम तिगुना सीट मिलल रहीत.

देखनी कि आजु भोला बाबू से निबटल आसान नइखे त हम धीरे से ई कहत सरक लिहनी कि एह लोग के अतनो पर संतोष नइखे. देखीं ना भाजपा तीन गो निर्दलीय जीतल विधायकन के अपना में मिलावे जा रहल बिया.

जात जात सुननी कि भोला बाबू कुछ अउरी बोकरत रहलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up