ल बहुरिया हर-फार, मंहगू चललन गंगा पार

by | Jan 15, 2024 | 0 comments

– बिनोद सिंह गहरवार

भारत के असहीं ना अनेकता में एकता के देश कहल जाला. एकर खिलकत देखे के होखे त बिपच्छी एकता में देखीं. हाथ के हँसुआ-हथउड़ी से कबो ना पटे. मोथा-मावाना (तृणमूल) जब से हँसुआ-हथउड़ी के भोथर आ हलुक क के पठंगा धरइलस तब से दुनो के बीच ताका-ताकी नइखे. एने जंगल राज आ सुसाशन के बीच उहे नाता बा जइसे ‘मीठ-मीठ बोलिया रघुताइन बोलेली, आ कांख तर के छूरी से करेज काटेली’. झाड़ू के उहे हाल बा. एकरा जब पलखत लागेला त केहू के भ्रष्टाचारी कह के बाहर फेंक देला. शिवसेना के जब देखीं सनकले रहेला.

बाकिर जइसे देश के नाम प सभ भेद-भाव छाड़ के देश के जनता एक हो जाले ओइसहीं चुनाव के नाम भंइसा के कांड छोड़ के सभ बिपच्छी एक हो जाला. एक बेरा सुरेंदर शर्मा से एगो पत्रकार पूछलसि कि, शर्मा जी, बताईं बाघ-बकरी कबो एके घाट प पानी पी सकेला ? त शर्मा कहलन कि एकदम पी सकेला, बस ओहनी के बीच चुनावी ताल मेल भर हो जाव.”

बिहारी कवि कहले बारन नू – ‘कलहाने एकत बसत, अहि मयूर मृग बाघ. जगत तपोवन सो कियो दीरघ दाघ निदाघ.’ माने कि जेठ में मउरा देवे वाला गरमी जइसे बाघ आ हरीण के, मोर आउर साँप के बीच इयारी करा देबेला ओइसहीं चुनाव के तपिश सभ बिपच्छियन के एके चुनावी पेड़ के नीचे बइठा देबेला. चुनाव आवते एकता के कारा-धारा (सूर-सार) नधाए लागेला.

एह बिपच्छी एकता में एगो चीझ बड़ा अजगुत देखे के भेंटाला. उ ह सीटन के बखरा. बखरा के बखेरा लोगन में जतना दिलचस्पी आ रोमांच पैदा करेला ओतना लोहा सिंग के खदेरन का मदर वाला ड्रामो ना पैदा कर पावे.
सबसे अनघा मसाला त मीडिया वालन के बे हरे-फिटकिरी के भेंटा जाला – “आज के सबसे बड़का निउज …..” “कुरसी कुमार सीट के बंटवारा से नाराज बारन. उनकर कहनाम बा कि, “जेकरा डरे अलगा भइनी उहे पड़ली बखरा. हम अपना बीस सीट में से एको सीट केहु के ना देब.” ओने पप्पू जी कहलन कि, “देख भाई तू लोग हमरा के परधान मंतरी ना मनबऽ लोग त, ‘ल बहुरिया हर-फार, मंहगू चललन गंगा पार !’ हम चलनी न्याय जतरा प ! के तोहरा लोग के मनौनिया करत रही.” एने दीदी अलगे कहत बारी,”हमरा अंगना में केहू के कवन काम बा ?” ओने बहिन जी आ बुआ अलगे बरबराता लोग. केजरी बवाली अलगे बवाल कर रहल बारन. कुल्ह मिला जुला के बिपच्छी एकता भहरा के इंडी से गिरल त भरचुअल प अंटकल बा. लोग सीटन के बखरा लगावे में अतना अझुराइल बा कि, “घर फूटे पटीदार लूटे, आ गाँव फूटे जवार लूटे” वाला हाल हो गइल बा.

जहाँ ई लोग कपर फूटउअल में लागल बा ओहिजे योगी-मोदी लोगन प अछत छींटत बारन. देखीं अछत हमरो घरे आ गइल बा. अछत छींटला के माने रउआ सभे जानते होखब. जेकर चुन ओकर पुन. अब हम जात बानी. जय राम जी की !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up