आजु कर्नाटक के कांग्रेसी सरकार ओह आततायी टीपू सुल्तान के जयन्ती मनावत बिया जे कुर्ग के हिन्दूवन के नरसंहार करवले रहुवे. नाहियो त चालीस हजार हिन्दूवन के मुसलमान बना दिहले रहुवे आ जे मुसलमान ना बनल वइसनका कई हजार हिन्दूवन के अपना हाथियन से कचरवा मरले रहुवे.
भाजपा अइसनका आततायी राजा के जयन्ती मनावे केे वहिष्कार कइले बिया आ कुर्ग में निकहा विरोध देखे के मिलत बा. आजु मंगल का दिने बेंगलुरू से 250 किमो दूर कोडागू में विहिप के एगो नेता के टीपू समर्थक मुस्लिम संगठन पीएफआई के लोग ईंटा पत्थर से कूच के मुआ दिहलें.
टीपू हजारन मंंदिर के भसवा दिहले रहुवे आ ओकरा से मंदिर के बचावे खातिर कुछ मंदिरन के शिखर गिरा के ओकरा पर मस्जिद जइसन गुंबद बना दीहल गइल रहुवे. अइसनका गुंबद वाला मंदिर आजुओ टीपू के आतंक के कहानी सुनावे ला मौजूद बाड़े.
0 Comments