उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार 11 सितम्बर)

  • मधुमिता हत्याकाण्ड में उमिरकैद के सजा भुगतत अमरमणि त्रिपाठी के पिछला रात हरिद्वार जेल भेज दिहल गइल. अमरमणि अपना रीढ़ का हड्डी में दरद के बहाना बना के दिल्ली के एम्स भेजे के माँग कइले रहले. बाकिर जेल में उनुकर स्वास्थ्य जाँच करवला का बाद मामूली रोग मिलल त उनुका से जेले में रहि के इलाज करावे के कहल गइल. एकरा बाद बनारस जेल अधीक्षक अमरमणि के देहरादून जेल भेजे के कहलन काहे कि असल मुकदमा ओहिजे के बा.
  • सपा नेता अखिलेश यादव सोमार से क्रांतिरथ यात्रा पर निकलीहें.
  • सोनभद्र जिला में अतवार का दिने एगो तेज रफ्तार ट्रक पेड़ से टकरा गइल जवना से ओह पर सवार पांच लोग के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल गो गइलें.
  • उप्र में बड़की नदिया उफनइली सँ
    लखनऊ, 11 सितम्बर (आईएएनएस). उत्तर प्रदेश के बाढ़ग्रस्त इलाका के हालात अबही सुधरल ना रहे तब ले पिछला तीन चार दिन से हो रहल बरखा का चलते हालात फेर बिगड़ गइल बा. गोंडा आ बहराइच में घाघरा के जलस्तर खतरा के निशान का उपर बहत बा त फैजाबाद में सरयू आ लखीमपुर खीरी में शारदा के जलस्तर लगातार बढ़ल जात बा. गोंडा में एल्गिन पुल पर घाघरा नदी खतरा के निशान से 5 सेंटीमीटर ऊपर बहत बिया. उत्तर प्रदेश में एह साल बाढ़ से 22 लाख से बेसी लोग प्रभावित भइल बा आ प्रदेश की 3.49 लाख हेक्टेयर खेत बाढ़ से प्रभावित भइल बा.
  • लखनऊ में 20 से अधिका मामिला में खोजात एगो अपराधी पुलिस मुठभेड़ में मरा गइल बाकिर ओकर दू गो साथी भाग गइलन सँ.
  • भूमि अधिग्रहण का खिलाफ ग्रेटर नोएडा के गांव भट्टा-पारसौल में किसान आंदोलन के नेतृत्व करे वाला किसान नेता मनवीर सिंह तेवतिया डासना जेल में पिछला छह सितम्बर से अनशन पर बाड़े.

Loading

Leave a Reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up