कट्टा तनल दुपट्टा के प्रोमोशन करे छपरा अइली राखी सावंत

by | Feb 24, 2014 | 0 comments

RakhiSavantआपन बनावल भोजपुरी फिलिम “कट्टा तनल दुपट्टा पर” के प्रोमोशन करे खातिर पिछला दू दिन से बिहार घूमत राखी सावंत अतवार का दिने छपरा के शिल्पी टाकिज चहुँपली. पियाजी रंग के सलवार सूट पहिरले, आँखि प बड़हन चश्मा लगवले आ होंठ पर टहटह लाली लगवले राखी सावंत कहली कि मराठी होखला का बावजूद उनुका भोजपुरी से लगाव बा आ एही चलते आपन पहिलका फिलिम भोजपुरी में बनवली. भोजपुरी समाज खातिर ई एगो साफ सुथर फिलिम हवे. उमेद जतवली जे देखेवाला लोग एह फिलिम के खूब पसंद करी.

एह मौका प देखेवालन क बीच राखी सावंत के फोटो खींचे ला आपाधापी लागल रहुवे. सभे चाहत रहुवे उनकर एक झलक देखे ला उनुका से तनी बतिया लेबे ला.

एह फिलिम के राखी सावंत निर्माता राहुल कपूर संगे मिल के बनवले बाड़ी.

बाद में पत्रकारन से बतियावत राखी सांवंत एह मौका प राजनीतिओ बतियावे से ना चूकली. कहली कि राहुल गाँधी अतना बढ़िया लागेलें कि उनुका से शादी करे ला तइयार बाड़ी बस उ एक बार कहि के त देखसु. बाकिर चुनाव में प्रचार नरेन्द्र मोदी ला करीहें आ चहीहें कि देश के अगिला प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बनसु,

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up