टटका खबर, कवनो खबर छूटे ना. 8 अगस्त, सोमार

आजु के खास खबर

  • आजु सावन के आखिरी सोमारी का चलते शिवमंदिरन पर भारी भीड़ जुटल बा. बनारस में काशी विश्वनाथ मंदिर का ओरि जाये वाला सगरी राह पर बैरिकेडिंग कइल गइल बा जेहसे कि भीड़ काबू में रहे.
  • सर्वोच्च न्यायालय बाबरी मस्जिद मामिला में इलाहाबाद उच्च न्यायालय के फैसला का खिलाफ सोमार का दिने अखिल भारतीय राम जन्मभूमि पुनरुद्धार समिति के एगो याचिका सकार लिहलसि.
  • कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी के स्वास्थ्य अमेरिका में भइल सर्जरी का बाद से लगातार सुधर रहल बा.
  • नेपाल में भारी बरखा का चलते कोसी, कमला, करेह आ बलान नदियन में पानी बहुते बढ़ गइल बा आ सैकड़न गाँव में बाढ़ के पानी घुस गइल बा.
  • 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन घोटाले के जांच खातिर संसद के लोक लेखा समिति के ताजा रपट पर राजनीतिक माहौल फेरु गरमा गइल बा. कांग्रेस एह रिपोर्ट के ‘पक्षपाती’ बतावत एकरा के खारिज करे के संकेत दिहले बिया.
  • एसएंडपी चेतवले बा कि अमेरिका के रेटिंग अउरीओ कम कइल जा सकेला. ओने चीन चेतवले बा कि अमेरिका कर्जखोरी के आदत छोड़ देव ना त सम्हारल मुश्किल हो जाई.

बिहार

  • बिहार के समस्तीपुर जिला के ताजपुर थाना इलाका में कुछ हथियारबंद लोग सोमार के दिनदहाड़े एगो पेट्रोल पंप मालिक से चार लाख रुपये लूटि के परा गइले.
  • बौद्ध धर्म के प्रसिद्ध तीर्थस्थल बोधगया में अतिक्रमण हटाओ अभियान का विरोध में दुकानदार आ बौद्घ मठ एक दिन के बोधगया बंद करवले.
  • पटना जिला के भगवानगंज थाना क्षेत्र में देवरिया मोड़ का लगे पुनपुन नदी में एगो वैन गिर गइल जवना का बाद ओह पर सवार चार लोग नइखे मिलल आ पांच जने के गाँववाला बचा लिहले.
  • पूर्वी आ पश्चिमी चंपारण, खगड़िया आ गोपालगंज जिला में गंगा, गंडक आ बागमती से होखत कटाव रोके खातिर बिहार सरकार हर संभव उपाय करे में लागल बिया.
  • नेपाल में भारी बरखा का चलते कोसी, कमला, करेह आ बलान नदियन में पानी बहुते बढ़ गइल बा आ सैकड़न गाँव में बाढ़ के पानी घुस गइल बा.
  • पूर्णिया सदर अस्पताल चहुँपल एगो जहर खइले लड़िका के मरल बता दिहल गइल जबकि ऊ जिन्दा रहुवे. बाद में परिजन ओकरा के एगो प्राइवेट अस्पताल में भती करवले.
  • बक्सर जिला के एटाढ़ी थाना के सिधाबाद आ डिबरिया गाँव में ठनका गिरला से तीन लोग के मौत हो गइल. एह में दू गो औरत रहली. दू आदमी झँउसलो बाड़े.
  • नवादा जिला के अकबरपुर थाना के रजहत आ पिपरा गाँवन में ठनका गिरला से दू आदमी के मौत हो गइल बा.
  • रोहतास जिला के नोखा प्रखण्ड के सिसरीत पैक्स प्रबंधक रामायण सिंह का खिलाफ पाँच लाख रुपिया गबन करे के आरोप में मुकदमा दर्ज भइल बा.

यूपी

  • उत्तर प्रदेश का मेरठ जिला में अमीर बने का हवस में एगो आदमी तांत्रिक का कहला पर एगो लड़िका के बलि दे दिहलसि. पुलिस ओह आदमी के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • उत्तर प्रदेश में कानून व्यवस्था के खराब स्थिति अउर भठियरपन के मुद्दा पर युवक कांग्रेस मायावती सरकार का खिलाफ लखनऊ में विरोध प्रदर्शन कइलसि. एह दौरान पुलिस से ओह लोग के हिंसक झड़पो भइल. बाद में पांच सौ से बेसी प्रदर्शनकारी हिरासत में ले लिहल गइले.
  • सर्वोच्च न्यायालय बाबरी मस्जिद मामिला में इलाहाबाद उच्च न्यायालय के फैसला का खिलाफ सोमार का दिने अखिल भारतीय राम जन्मभूमि पुनरुद्धार समिति के एगो याचिका सकार लिहलसि.
  • उत्तर प्रदेश का उन्नाव जिला में लखनऊ-कानपुर रेलमार्ग पर एगो यात्री रेलगाड़ी से कटा के एगो नाबालिग समेत एकही परिवार के तीन गो सदस्य के मौत हो गइल.
  • आजु सावन के आखिरी सोमारी का चलते शिवमंदिरन पर भारी भीड़ जुटल बा. बनारस में काशी विश्वनाथ मंदिर का ओरि जाये वाला सगरी राह पर बैरिकेडिंग कइल गइल बा जेहसे कि भीड़ काबू में रहे.
  • यूपी का गोण्डा, बलरामपुर, बहराइच, पीलीभीत, लखीमपुर खीरी आ सीतापुर जिला में बाढ़ के प्रकोप जारी. नेपाल के बनबसा बराज से अउरी पानी छोड़ला का बाद हालात अउरी खराब. आजुओ भारी बरखा होखे के अनेसा.
  • राष्ट्रीय लोक दल भूमि अधिग्रहण विधेयक का बारे में गांववालन के जागरूक बनावे खातिर गौतमबुद्ध नगर जिला में रैली निकलसि.
  • मायावती का गाँव बदलापुर में किसान महापंचायत भइल जवना में संसद से भूमि अधिग्रहण मिले तकले राज्य में अधिग्रहण प्रक्रिया रोके के मांग कइल गइल.
  • मंत्रिपरिषद के कई सदस्यन का खिलाफ भठियरपन के आरोप का बाद भाजपा मुख्यमंत्री मायावती से इस्तीफा मँगले बिया. कहले बिया कि बाबा साहब अम्बेडकरो का स्मारक में भठियरपन कइल गइल बा.
  • गोरखपुर में शहरी आबादी में घुसल तेंदुआ के पकड़ के सोहगीबरवा जंगल में छोड़ गइल. ई तेंदुआ कई लोग पर हमला कर के घवाहिल कर दिहले रहुवे. ओकरा के गोरखपुर के खाद कारखाना का लगे पिंजरा लगा के पकड़ल गइल.

देश

  • मेघालय में विआहल लोग के नौकरी खातिर आवेदन करत घरी बिआह के सर्टिफिकेट आ ड्राइविंग लाइसेंस पेश करे के पड़ी.
  • जून में मोबाइल फोन उपभोक्ता लोग के गिनिती में 1.141 करोड़ के बढ़ोतरी भइल आ कुल आंकड़ा बढ़के 85.17 करोड़ हो गइल.
  • लमहर दिन से विवाद के केंद्र बनल रानी दुर्गावती विश्वविद्यालय जबलपुर के कुलपति प्रो़ राम राजेश मिश्रा इस्तीफा दे दिहले आ राज्यपाल अउर कुलाधिपति रामेश्वर ठाकुर मंजूर कर लिहले.
  • मध्य प्रदेश के ग्वालियर में बहुमंजिला इमारतन का तलघर के व्यावसायिक उपयोग का खिलाफ नगर निगम मुहिम शुरू कइले बा जवना में कई गो बहुमंजिला इमारत का तलघर मे विभाग तोड़फोड़ कइलसि.
  • हम भाजपा का सामने जवाबदेह नइखी : कहली शीला दीक्षित.
  • जन लोकपाल विधेयक खातिर समर्थन जुटावे का मकसद से मंगल का दिने गाँधीवादी समाजसेवी अन्ना हजारे मुम्बई में एगो मशाल जुलूस आ कार मोटरसाइकिल रैली के हरी झंडी देखाके रवाना करीहें आ अपना समर्थकन के संबोधितो करीहे.
  • केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री कपिल सिब्बल सोमार का दिने बतवले कि दिल्ली पुलिस गांधीवादी समाजसेवी अन्ना हजारे के प्रस्तावित अनशन के जगहा जंतर मंतर से बदलके रामलीला मैदान कर दिहले बिया.
  • भारत के सर्वोच्च न्यायालय में अबही न्यायाधीश के तीन गो पद रिक्त खाली बा त उच्च न्यायालयन में न्यायाधीशन के 284 गो पद खाली बावे, ई जानकारी सरकार का ओर से राज्य सभा में सोमार का दिने दिहल गइल.
  • कर्नाटक में डी.वी. सदानंद गौड़ा के नेतृत्व में बनल सरकार में सोमार का दिने 21 मंत्रियन के शामिल कइल गइल बाकिर गुटबाजी का चलते 12 गो पद खाली राखल गइल बा.
  • वाणिज्य आ उद्योग मंत्रालय सोमार के कहलसि कि कर्मचारियन का कमी का चलते ओकरा लगे सवा लाख से बेसी ट्रेडमार्क विवाद लम्बित बावे.
  • सोमार का दिने उत्तर भारत में मानसून सक्रिय रहल, लेकिन दिल्लीवासी पसीना से तर-बतर रहले.
  • जल संसाधन राज्य मंत्री विंसेट एच.पाला सोमार का दिने कहले कि पिछला साल हरियाणा के किसान राजस्थान के पानी चोरा लिहले जवना चलते राजस्थान के ओखला बांध के पानी ना मिलल.
  • तिब्बत सरकार के प्रधानमंत्री लोबसांग सांगेय पिछले पचास साल से भारत में तिब्बतियन के शरण देबे खातिर भारत का प्रति आभार जतवले बाकिर इहो कहले कि भारत सरकार चीन का साथ बातचीत में तिब्बत के महत्वपूर्ण मुद्दा माने.
  • केन्द्र सरकार नदियन के जोड़े का पक्ष में बिया बाकिर एह काम में राज्य सरकारन के सहयोग मिलल जरूरी बा. ई बात जल संसाधन राज्य मंत्री विंसेट पाला कहले बाड़न.
  • दिल्ली अंतर्राष्ट्रीय हवाईअड्डा पर चार घंटा से बेसी ले बिजली गुल रहे के घटना के जांच एगो पांच सदस्यीय समिति करी. बिजली ना रहला का चलते 75 गो से अधिका उड़ान बाधित भइल.
  • साख रेटिंग एजेंसी स्टैंडर्ड एंड पुअर्स (एस एंड पी) के अमेरिका के साख रेटिंग अउरी कम करे का चेतावनी का चलते दुनिया भर के शेयर बाजारन में आइल गिरावट के असर सोमार के भारतो में झलकल. सेंसेक्स 315.69 अंक गिरके बन्द भइल.
  • झारखण्ड के पूर्व स्वास्थ्य सचिव प्रदीप कुमार के दवा घोटाला मामिला में केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) का विशेष अदालत में आत्मसमर्पण कइला का बाद 14 दिन खातिर न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा.
  • इंजीनियरिंग अउर निर्माण क्षेत्र के कम्पनी लार्सन एंड टुब्रो के मौजूदा कारोबारी साल का पहिला तिमाही के शुद्ध लाभ पिछला साल से 12 फीसदी बढ़के 746.15 करोड़ रुपये दर्ज भइल बा. पिछला साल के पहिला तिमाही में कंपनी के शुद्ध लाभ 666.17 करोड़ रुपिया रहल.
  • भठियरपन का आरोप में घेराइल कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री बी. एस. येदियुरप्पा के सोमार का दिने एगो अदालत 27 अगस्त के पेश होखे के कहले बिया आ एगो दोसरा मामिला में पुलिस जांच के आदेश दिहले बिया.
  • दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के इस्तीफे के मांग ठुकरावत केन्द्र सरकार सोमार के कहलसि कि सीएजी रिपोर्ट में उपर का पद पर बइठल कवनो आदमी के दोषी नइखे ठहरावल गइल.
  • फेडरेशन ऑफ इंडियन चैम्बर्स ऑफ कॉमर्स एंड इंडस्ट्री (फिक्की) सोमार के कहलसि कि अमेरिकी कर्ज संकट के भारत पर असर थोड़ही समय खातिर होखी, बाकिर एह संकट का चलते कच्चा कच्चे तेल के दाम घटी आ महंगाई नीचे आई.
  • युवा कार्य अउर खेल मंत्री (स्वतंत्र प्रभार) अजय माकन अपना ओह बयान पर कायम बाड़न जवना में ऊ सुरेश कलमाडी के राष्ट्रमंडल खेल आयोजन समिति के प्रमुख नियुक्त करे खातिर राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) सरकार के जिम्मेदार बतवले बाड़े.
  • 2जी मामला : दिल्ली का एगो अदालत में यूनीटेक सीबीआई के आरोपन के निराधार बतवलसि.
  • सोनिया गांधी के समर्थकन के एगो छोटहन समूह न्यूयार्क स्थित मेमोरियल स्लोन-केटरिंग कैंसर सेंटर का बहरी जमा भइल आ सोनिया के जल्दी ठीक होखे खातिर प्रारथणा कइलसि. बतावल जात बा कि कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया एही अस्पताल में इलाज करावत बाड़ी.
  • त्रिपुरा के एगो अदालत 14 साल से अपना पति के प्रताड़ित करे वाली महिला के एक साल के सजा सुनवले बिया.
  • केरल के एगो अदालत सोमार का दिने 1992 के ताड़ के तेल आयात मामिला में मुख्यमंत्री ओमन चांडी के भूमिका के फेर से जांच करे के आदेश दिहले बिया. तेल आयात का समय चांडी केरल के वित्त मंत्री रहले.
  • मुम्बई के समुद्र तट पर डूबल मालवाहक जहाज रैक करियर से होखत तेल का रिसाव में सोमार के कुछ कमी आइल बा. पर्यावरण मंत्री जयंती नटराजन के कहना बा कि एह रिसाव से चिंता के कवनो बाति नइखे.
  • कर्नाटक के पूर्व मंत्री कट्टा सुब्रमन्या नायडू आ उनुका बेटा कट्टा जगदीश के सोमार का दिने भठीयरपन का एगो मामिला में जमानत याचिका खारिज करके न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा.
  • ‘खाद्य सुरक्षा विधेयक में छोटकन खातिर कवनो प्रावधान नइखे’ सामाजिक कार्यकर्तन के राय.
  • भारतीय रिजर्व बैंक के आकलन बा कि अमेरिका के साख रेटिंग में कमी भइला से देश के अर्थव्यवस्था पर मामूली असर पड़ी.
  • छड़ी मुबारक का साथ अमरनाथ यात्रा आखिरी दौर में. श्रीनगर के एगो मंदिर से चलल पारम्परिक ‘छड़ी मुबारक’ यात्रा सोमार से शुरू होके छह दिन में पवित्र अमरनाथ गुफा पहुंची.
  • जून महीने में देश में लगभग 5.6 अरब डॉलर के सीधा विदेशी निवेश भइल जवन कि पिछला एगारह साल में कवनो एक महीना में भइल दुसरका सबले बड़ निवेश बा.
  • राष्ट्रमंडल खेल आयोजन में अनियमितता पर नियंत्रक एवं महालेखा परीक्षक (सीएजी) के रपट में दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित पर अगुरी उठवला का बाद विपक्ष सोमार का दिने संसद के दुनु सदन ना चले दिहलसि आ दुनु सदन मंगल ले स्थगित कर दिहल गइल.
  • भोपाल गैसकांड पीड़ित लोकपाल बिल पर सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे के साथ देबे के एलान कइले बाड़े.
  • ओडिशा में नक्सलियन का खिलाफ अभियान में सुरक्षाबलन का सहायता में एगो हेलीकॉप्टर शामिल कर लिहल गइल बा.
  • संसद के गुमराह करे का आरोप में केल मंत्री अजय माकन का खिलाफ भाजपा के विशेषाधिकार हनन प्रस्ताव संसद के दुनु सदन में पेश भइल.
  • सीएजी रपट पर पीएसी के फैसला का बादे केन्द्र सरकार कवनो टिप्पणी करी. कहेल कानून मंत्री सलमान खुर्शीद.
  • राष्ट्रमंडल खेल आयोजन का बारे में सीएजी का रपट पर चरचा करावे के विपक्ष के मांग ना मनला का चलते सोमार का दिने संसद के दुनु सदन के कार्यवाही कुछ देर खातिर रोक दिहल गइल बा.
  • रेलवे के अनारक्षित टिकट फेर तीन दिन पहिले से मिले लागी. साल दू हजार नौ में गड़बड़ियन के देखत एकरा पर रोक लगा दिहल गइल रहे.
  • कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी के स्वास्थ्य अमेरिका में भइल सर्जरी का बाद से लगातार सुधर रहल बा.
  • स्वर साम्राज्ञी लता मंगेशकर अपना बहिन आशा भोंसले का साथे अतवार के कोलकाता नगर सभागार में नोबेल पुरस्कार विजेता कविगुरु रवींद्रनाथ टैगोर के उनुनका 70वीं पुण्यतिथि पर संगीतमय श्रद्धांजलि दिहली.
  • मार्क्‍सवादी कम्युनिस्ट पार्टी (माकपा) के महासचिव प्रकाश करात अतवार का दिने कहले कि प्रधानमंत्री के ओह सगरी घपला घोटालन के जिम्मेदारी सकारे के चाहीं जवना का अन्हरिया में केन्द्र सरकार घेरा चुकल बिया.
  • प्रेम विवाह अउड़ सगोत्र विवाह पर समाज के तथाकथित ठेकेदार जहां अक्सर आपन फरमान सुनावत रहेले ओहिजे अतवार का दिने एगो पंचायत फरमान सुनवलसि कि भागल प्रेमी जोड़ी में प्रेमी के बहिन के बिआह प्रेमिका के भाई से करवा दिहल जाव. हमनी का तरफ अइसन बिआह के गोलवटिया बिआह कहल जाला आ हेय दृष्टि से देखल जाला.
  • खाद्य सुरक्षा विधेयक अपना मौजूदा स्वरूप में सकारल ना जा सके काहे कि एकरा के कुछ खास वर्ग के ध्यान में राख के बनावल गइल बा : कहले प्रकाश करात.
  • केरल के श्री पद्मनाभस्वामी मंदिर के खजाना में एक लाख करोड़ से बेसी के सम्पत्ति होखे के अनुमान का बाद अब मंदिर में क्लोज सर्किट टीवी लगा दिहल गइल बा. आजु सोमार से तीन दिन के विशेष प्रार्थना शुरू हो रहल बा मंदिर में.
  • 2जी मामले में प्रधानमंत्री के भूमिका कलमाडी के अध्यक्ष बनावे के लेके सवालन का घेरा में बा : माकपा कहलसि.
  • डूबल जहाज से हो रहल तेल रिसाव का बाद पुलिस लोग के समुद्र किनारे जाये से मना कइले बिया.
  • भितरिया खींचतान का चलते कर्नाटक में मंत्रिमंडल के गठन पर रास्ता साफ नइखे हो पावत.
  • एक सप्ताह से बेसी से लापता दिल्ली के 26 साल के युवक के मूड़ी कटल लाश हरियाणा के रेवाड़ी जिला में मिलल.

दुनिया

  • कुछ ब्रिटिश सैनिक तालिबान आतंकवादियन के अंगुरी काट के अपना लगे यादगार बना के राख लिहले जवना के खबर सामने अइला का बाद ब्रिटिश रक्षा मंत्रालय एकर जांच करत बा.
  • श्रीलंका के रक्षा मंत्री गोटाबाया राजपक्षे तमिलनाडु के मुख्यमंत्री जे. जयललिता के एह बात खातिर आलोचना कइले बाड़न कि ऊ श्रीलंकाई नेता लोग ‘युद्ध अपराध’ के मुकदमा चलावे के मांग कइले बाड़ी.
  • पाकिस्तान सरकार अपना सर्वोच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश इफ्तिखार चौधरी का आदेश पर लाहौर आ सिंध उच्च न्यायालय के पाँच गो न्यायाधीशन के कार्यमुक्त कर दिहले बिया.
  • चीन में एक दर्जन प्रधानाचार्यन के विद्यार्थियन के दोपहर भोजन का कोष में हेराफेरी करे का आरोप में बर्खास्त कर दिहल गइल बा.
  • एगो हैकर गिरोह दावा कइले बा कि ऊ अमेरिका के गोपनीय सूचना के एगो बड़हन खजाना में सेंध मार लिहले बा जवना से अमेरिका के पुलिस अधिकारियों के बदनाम करके दोषी ठहरावल जा सकेला.
  • दुनिया के सबले बढ़िया आ ईंधन दक्ष यात्री विमान बोइंग 787 ड्रीमलाइनर उड़ान खातिर तइयार कर लिहल गइल बा. एह जहाज के 2008 में बन जाये के रहुवे बाकिर ई समय सीमा छह बार बढ़ावल गइल.
  • सोशल नेटवर्किग का असर से पाकिस्तान की राजधानी इस्लामाबाद में अदालती शादियन के चलन तेजी से बढ़ रहल बा.
  • कर्ज में डूबल अमेरिका के बड़की कम्पनियन का लगे 20 खरब नकदी के भंडार बा.
  • चीन में समुद्री तूफान मुइफा पूर्वी तट का साथे बढ़ल जा रहल बा. एकरा चलते शेंगदोंग प्रांत से एक लाख से बेसी लोग के सोमार का दिने सुरक्षित जगहा चहुँपा दिहल गइल.
  • अमेरिका के एगो थियेटर समूह दिल्ली में बइठल भारतीय कलाकारन का साथे एगो नाटक के तइयारी करे में इंटरनेट टेलीफोनी सॉफ्टवेयर स्काइप के इस्तेमाल करत बावे आ स्काइपे का सहारे रिहर्सल कइल जात बा.
  • एसएंडपी चेतवले बा कि अमेरिका के रेटिंग अउरीओ कम कइल जा सकेला. ओने चीन चेतवले बा कि अमेरिका कर्जखोरी के आदत छोड़ देव ना त सम्हारल मुश्किल हो जाई.
  • लोबसांग सांगेय आजु सोमार का सबेरे धर्मशाला में एगो समारोह में निर्वासित तिब्बत सरकार के नयका कालोन त्रिपा (प्रधानमंत्री) के शपथ लिहले. कार्यक्रम के अध्यक्षता तिब्बती धर्मगुरु दलाई लामा कइलन.
  • सीरिया में सरकारी सुरक्षा बल आ प्रदर्शनकारियन का बीच जारी झड़प का चलते सऊदी अरब अपना राजदूत के वापिस बोला लिहले बा.
  • अमेरिका के साख रेटिंग कम भइला का बाद से दुनिया भर के शेयर बाजारन में आइल गिरावट के असर अपनो देश के शेयर बाजारन पर पड़ल बा.
  • अमेरिका का ओहियो प्रांत में एगो पारिवारिक झगड़ा में एक आदमी सात लोग के गोली मारके हत्या कर दिहलसि. बाद में पुलिस ओह हत्यारा के गोली मार दिहलसि.
  • अफगानिस्तान में शनिचर का दिने अमेरिका के एगो सैनिक हेलीकॉप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गइला का एक दिन बाद अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा अउर अफगानिस्तान राष्ट्रपति हामिद करजई एक बेर फेर अपना अभियान के प्रति प्रतिबद्धता दोहरवले बाड़न.
  • इराक के पूर्वी आ मँझिला इलाका में अतवार का दिने अलग-अलग घटना नौ लोग मारल गइल बा आ 21 लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • अफगानिस्तान के दक्षिणी आ पूर्वी इलाका में भइल दू गो अलग-अलग घटना उत्तर अटलांटिक संधि संगठन (नाटो) के नेतृत्व वाला अंतर्राष्ट्रीय सुरक्षा सहायता बल के चार गो सैनिक मरा गइले.
  • मार्क्‍सवादी कम्युनिस्ट पार्टी (माकपा) का तरफ से कहाइल बा कि श्रीलंका सरकार अपना सेना पर तमिल टाइगरन का खिलाफ लड़ाई में मानवाधिकार उल्लंघन के गंभीर आरोपन के जांच करवावे.
  • अफगानिस्तान में शनिचर का दिने एगो अमेरिकी हेलीकॉप्टर के मार गिरावल गइल जवना में अमेरिकी नेवी सील्स के ऊ जवान सवार रहले जे पाकिस्तान का एबटाबाद में अलकायदा सरगना ओसामा बिन लादेन के मार गिरवले रहले.

मनोरंजन

  • मद्रास उच्च न्यायालय सोमार का दिने अमिताभ बच्चन अभिनीत निर्माता-निर्देशक प्रकाश झा के बहुप्रतिक्षित फिल्म ‘आरक्षण’ के वैश्विक प्रदर्शन पर रोक लगा दिहलसि.
  • यश राज फिल्म्स आ सोनी म्यूजिक एंटरटेनमेंट कंपनी का बीच ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’, ‘लेडीज वर्सेस रिकी बहल’ आ ‘मुझसे फ्रेंडशिप करोगी’ के डिजिटल ऑडियो वीडियो के दुनियाभर में वितरण के समझौता हो गइल बा.
  • मॉडल से अभिनेत्री बनल मुग्धा गोडसे के अब रैम्प पर चलल नीक ना लागे काहे कि एह घरी रैम्प पर चलल बहुते आम बात हो गइल ना आ हर कलाकार रैम्प पर चले लागल बा.
  • मशहूर टेलीविजन धारावाहिक आ फिल्म निर्माता एकता कपूर के लगेज में अघोषित सामाना मिलला का बाद मुंबई हवाईअड्डा पर गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे. जुर्माना भरला का बाद उनुका के रिहा कर दिहल गइल बा.
  • गायिका निकी मिनाज के कहना बा कि अबही ऊ संगीत का दुनिया में आपन करियर बनावे में लागल बाड़ी अइसना में कवनो दोसर काम कइल उनुका पसन्द नइखे.

खेल

  • भारत के पुरुष बैडमिंटन खिलाड़ी अजय जयराम आसान जीत का साथे सोमार के वेम्बले एरेना में शुरू भइल विश्व बैडमिंटन चैम्पियनशिप के एकल मुकाबिला के दुसरका दौर में चहुँप गइले.
  • राष्ट्रीय स्नूकर में मौजूदा चैम्पियन पीएसपीबी के पंकज आडवाणी के उनुके टीम के आलोक कुमार क्वार्टर फाइनल मुकाबिला में 5-2 से हरा के प्रतियोगिता से बाहर करा दिहलन.
  • वायरल फीवर का चलते अमेरिकी टेनिस स्टार वीनस विलियम्स रोजर्स कप टेनिस टूर्नामेंट से आपन नाम वापस ले लिहले बाड़ी.
  • विनय कुमार (33/4) का शानदार गेंदबाजी के बदौलत भारतीय टीम इमर्जिग प्लेअर्स टूर्नामेंट के तीन दिना मुकाबिला में न्यूजीलैंड के नौ विकेट से हरा दिहलसि.
  • इंग्लिश क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान माइकल वॉन कहले बाड़न कि उनुकर टीम भारत के चारो मैच में हराई आ 0-2 से पिछड़ला के बाद भारत के वापसी मुश्किल बा.
  • पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड (पीसीबी) अपना पूर्व कप्तान शाहिद अफरीदी आ वरिष्ठ विकेटकीपर बल्लेबाज कामरान अकमल के टटका करार में शामिल नइखे कइले.
  • छह वर्ष के लमहर निर्वासन का बाद टेस्ट क्रिकेट में लवटल जिम्बाब्वे क्रिकेट टीम हरारे स्पोर्ट्स क्लब मैदान पर खेलल टेस्ट मैच में बांग्लादेश के 130 रन से हरा दिहलसि.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान सौरव गांगुली के उमेद बा कि इंग्लैंड का साथ चलत टेस्ट श्रृंखला में 0-2 से पिछड़ल भारत के टीम फेर वापसी करी.
  • एजबेस्टन का पिच का बारे में बतावल जात बा कि ऊ स्पिनरन के मदद करी आ तेज गेंदबाजन के रिवर्स स्विंग करावे मददगार रही. बुध का दिने एह मैदान पर भारत आ इंग्लैंड का बीच बुध तीसरा टेस्ट मैच खेलल जाई.
  • भारतीय टेनिस स्टार सानिया मिर्जा डब्ल्यूटीए रोजर्स कप टूर्नामेंट का मुख्य दौर में जगह ना बना पवली.
  • पाकिस्तान के पूर्व क्रिकेट खिलाड़ी इकबाल कासिम के कहना बा कि शाहिद अफरीदी के टीम में वापिस बोला लिहले से कप्तानी के संकट खतम हो जाई.
  • पाकिस्तान टेनिस महासंघ (पीटीएफ) अगिला साल फेड कप टेनिस टूर्नामेंट के मेजबानी करे के इच्छा जाहिर कइले बा.
  • क्रिकेट आस्ट्रेलिया (सीए) भारत आ श्रीलंका दौरा खातिर आपन 14 सदस्यीय अंडर-19 टीम घोषित कर दिहलसि. आस्ट्रेलियाई टीम के भारत दौरा 22 सितम्बर से शुरू होई.
  • श्रीलंकाई क्रिकेट टीम के तेज गेंदबाज लसिथ मलिंगा अपना के आस्ट्रेलिया का साथ होखे वाला पांच गो एकदिना मैच श्रृंखला खातिर फिट बतवले बाड़न.
  • पोलैंड के युवा टेनिस स्टार एगनिस्का रेडवांस्का अतवार के खेलल खिताबी मुकाबिला में रूस के वेरा ज्योनारेवा के 6-3, 6-4 से हराके सैन डियागो ओपन टेनिस टूर्नामेंट के एकल खिताब जीत लिहले.
  • इटली के अंतर्राष्ट्रीय मास्टर एक्सेल रोमबालदोनी अतवार का दिने 50 वां एसडीएटी-रामको विश्व जूनियर आ 29 वां जूनियर गर्ल्स शतरंज चैम्पियनशिप में लगातार छठवां बेर जीतले. ऊ पोलैंड के ग्रैंडमास्टर पिओरुन कैस्पर के हरवलन.
  • आस्ट्रेलिया में चल रहल ‘इमर्जिग प्लेयर्स क्रिकेट टूर्नामेंट’ में अतवार का दिने ब्रिस्बेन में न्यूजीलैंड के खिलाफ भारतीय टीम बड़हन जीत का करीब चहुँप गइल बिया.

Loading

Leave a Reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up