बिहार के खबर

(अतवार, 2 अक्टूबर)

  • उत्तर बिहार में बाढ़ के हालात अबहियो खराबे बनल बा. दरभंगा के निचला इलाकन में पानी भरल जात बा. दरभंगा जयनगर हाईवे बन्द बा. शिवहर जिला के तरियानी ब्लऌक आफिस आ अस्पताल में एक हाथ पानी जमा बा.शिवहर मुजफ्फरपुर मार्ग अबहियो बन्द बा.
  • पटना में अतवार का दिन से रेडियो टैक्सी सेवा शुरु हो गइल बा. एकरा से यात्रियन के आराम हो गइल आ ऊ अब अपना जगहे पर टैक्सी बोलवा लिहल करीहें.
  • कैमूर जिला में खाद के कमी से परेशान किसान धरना प्रदर्शन कइले आ गिरफ्तारी दिहले.
  • सारण जिला के बनियापुर इलाका में पिठौरी गाँव में गडकी नहर में नहात घरी दू जने डूब गइलें.
  • भठियरपन का मामिला में गिरफ्तार आ मुजफ्फरपुर खाद्य निगम के प्रबंधक रहल मनोज कुमार के एटीएम कार्ड से पाँच लाख रसे बेसी रुपिया निकाल लेबे का आरोप में विभाग के एगो सिपाही आ एगो कंप्युटर आपरेटर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • डुमराँव के खाद्य निगम कार्यालय के डेढ़ करोड़ रुपिया गबन करे का मामिला में उनतीस गो चावल मिल मालिकन पर मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.
  • केन्द्र सरकार बिहार के पाँच गो बिजली घर के कोल लिंकेज दे दिहलसि.

Loading

Leave a Reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up