सपना के हक़ीक़त के रूप देबेले सुरेन्द्र मिश्रा

by | Mar 6, 2012 | 0 comments

लगन आ मजबूत इरादा से सफलता के कहानी लिखत फिल्म कथाकार सुरेन्द्र मिश्रा. सपनन के हकीकत जइसन रूप दे देले. सुरेन्द्र मिश्रा रचनात्मक सुबाव के हउवन आ आजु आठगो से बेसी हिन्दी फिलिमन के गीत, 25 गो से अधिका एलबम आ तीस गो ले बेसी भोजपुरी फिलिमन में कथा-पटकथा आ संवाद लेखक का रूप में मजगर पहिचान बन चुकल बा सुरेन्द्र मिश्रा के.

वाराणसी के बाबतपुर में दिनदासपुर गांव के साधारण किसान केदारनाथ मिश्रा का घरे जनमल सुरेन्द्र मिश्रा साल में मुंबई अइलन. धर्मेन्द्र के सनी सुपर साउण्ड स्टूडियो में वाचमैन शुक्ला उनुका से अभद्र तरीका से पेश आइल बाकिर ओहिजा मौजूद गायक बालीब्रह्म भट्ट से रहल ना गइल त ऊ वाचमैन के डँटलन आ सुरेन्द्र मिश्रा के गीत लिखे के कला सिखवले. पहिला मौको दिहले एलबम ‘तेरे बिना क्या जीना’ में. एलबम हिट हो गइल त राकेश रोशन के महतारी इरा रोशन खातिर एलबम लिखलन. फिल्मी गीतन में के.सी. बोकाडिया के ‘प्यार जिन्दगी है’ का अलावे, ‘हमदम’, ‘मनोरमा 60 फिट अण्डर’ जइसन फिलिमन खातिर गीत लिखले. सुरेन्द्र मिश्रा के भोजपुरी ओर खींच ले अइलन निर्माता आलोक कुमार. ऊ सुरेन्द्र मिश्र के अपना फिलिम ‘ओढ़निया कमाल करे’ खातिर कथा पटकथा संवाद लिखे के मौका दिहले. कलम के जादू चलल आ ई फिलिम सुपर डुपर हिट हो गइल.

सुरेन्द्र मिश्रा अबही ले ‘देवा’, ‘पांडव’, ‘कहां जईबा राजा नजरिया लड़ाई के’, ‘खिलाड़ी नम्बर वन’, ‘मर्द नम्बर वन’, ‘बिदाई’’, ‘धरमवीर’, ‘परिवार’, ‘बृजवा’, ‘खटाईलाल मिठाईलाल’, ‘चंदू की चमेली’, ‘हो गईली दिवाना तोहरे प्यार में’, ‘रंगीला बाबू’, ‘दुल्हा अलबेला’, ‘किशन अर्जुन’, ‘कर्तव्य’, ‘कुरुक्षेत्र’, ‘छोटका भईया जिन्दाबाद’, ‘मार देब गोली केहू ना बोली’, ‘जरा देब दुनिया तोहरे प्यार में’, ‘धर्मात्मा’, ‘मृत्युंजय’, ‘जाड़े में बलमा प्यारा लगे’, ‘तू ही मोर बालमा’, ‘जंग’, ‘जुदाई’, ‘लड़ाईला अंखिया ओ लवंडे राजा’, ‘एलान बा’ अउर हालिया प्रदर्शित सुपर डुपर हिट फिल्म ‘खून पसीना’ के कथा पटकथा अउर संवाद लिख चुकल बाड़न. सुरेन्द्र मिश्रा. उनुकर आवे वाली फिलिमन में ‘जानवर’, ‘एक बिहारी सौ पर भारी’, ‘रखवाला’, ‘घात प्रतिघात’, ‘दिल त पागल होला’, ‘चुन्नू बाबू सिंगापुरी’, ‘यादव पान भंडार’, ‘राम बनवले जोड़ी’, ‘ज्वालामंडी’ आ ‘गदर’ शामिल बाड़ी स.

सुरेन्द्र मिश्रा के कहना ह कि ऊ मार्केट के डिमांड परखलन आ बढ़िया स्टोरी लिखलन. ओकरा पटकथा अउर संवाद पर प्रयोग कइलन जवन कामयाब रहल. इहे अनुभव बाद में सुरेन्द्र मिश्रा के राह आसान बान दिहलसि.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up