बालीवुड आ भोजपुरी सिनेमा के कलाकारन के जमावड़ा २१ मई का दिने मोरादाबादी मैदान में होखी जहवाँ से कार्यक्रम के लाइव प्रसारण कइल जाई. महुआ टीवी पर देखावल जा रहल रियलिटी शो डाँस संग्राम के आखिरी मुकाबिला भव्य रुप से राँची में २१ मई के होखे वाला बा. राँची केपूरा पढ़ीं…

Advertisements

भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल खलनायक अवधेश मिश्रा पिछला दिने लोफर का शूटिंग में घवाहिल हो गइलें जवना का बाद उनका के अस्पताल में भरती करावे के पड़ल. सीन में काँच तोड़े का दौरान ऊ खुदे घवाहिल हो गइलें. शूटिंग सिलवासा में चलत रहुवे आ सीन के जरुरत से निर्देशकपूरा पढ़ीं…

नायक आ नायिका के जादू के चर्चा त सिनेमा जगत में अक्सरहाँ होला बाकिर शायदे कबो कवनो निर्देशक के सफलता के ताज पहिरावल जाले जवना के सिनेमा जगत के बाकिओ लोग सही माने. एह मामिला में भोजपुरी सिनेमा के युवा निर्देशक राजकुमार आर पाण्डे के जादू सबका सिर चढ़ केपूरा पढ़ीं…

बेटवा बाहुबली से चर्चा में आइल भोजपुरी के एक्शन स्टार अजय दीक्षित के फिल्म नजरिया तोहसे लागी रिलीज भइला पर धुम मचा दिहलसि. अजय दीक्षित अब अल्टीमेट विजन का बैनर में बनत रेशमा मूवी कला मन्दिर के भोजपुरी फिल्म अँखिया बसल तोहरी सुरतिया में हिन्दी फिल्म हम दिल दे चुकेपूरा पढ़ीं…

भोजपुरिया लड़की पवन सिंह के दिवाना होली आ उनका के अपना सपना के राजकुमार मानेली. बाकिर पवन सिंह भोजपुरी के हॉट आ हिट हसीना मोनालिसा के दिवाना बन गइल बाड़न. हर हमेशा मोनालिसा के ख्याल में डूबल रहेलें. एही दिवानगी के असर रहे कि पिछला दिने रिलीज देवरा बड़ा सतावेलापूरा पढ़ीं…

गायक बन के नायक बने के परम्परा निभावत गोपालो सिंह भोजपुरी सिनेमा में कदम धर दिहले बाड़न. गोपाल सिंह के कई गो अलबम पहिलही धूम मचा चुकल बा आ लोग इनका गायकी के दिवाना बन चुकल बा. गोपाल सिंह अभिनीत पहिलका फिल्म रहुवे गंगा मिले सागर से आ अब दुसरकोपूरा पढ़ीं…

दंतेवाड़ा में नक्सली हमला में ४० नागरिकन के मौत छत्तीसगढ़ के दंतेवाड़ा में नक्सली फेर आपन क्रूर निर्दयी रुप देखवलें आ एगो सवारी बस के बम से उड़ा दिहलें जवना से कम से कम चालिस गो नागरिकन के मौत हो गइल. हमला का बाद गृहमंत्री कहले बाड़े कि नक्सली विरोधीपूरा पढ़ीं…

पाँच दिन लगातार टटका खबर ना दिहल जा सकल काहे कि आसमान से बरसत आग लेखा गरमी हमरो के अपना चपेटा में ले लिहले रहल. एही बीच एगो कमी खलल कि अँजोरिया का लगे कवनो वैकल्पिक व्यवस्था नइखे जवना से कि एकर प्रकाशन अनवरत कइल जा सके. कई बेर कहपूरा पढ़ीं…

विश्व भोजपुरी सम्मेलन के ९वाँ राष्ट्रीय अधिवेशन २२ आ २३ मई के सूरसदन, आगरा में आयोजित कइल जा रहल बा. मारीशस में संपन्न चउथका अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन का पृष्ठभूमि में एकर खास महत्व बा. आगरा सम्मेलन में अमेरिका, ब्रिटेन, मारीशस, सिंगापुर, नेपाल समेत कई देश के प्रतिनिधि शामिल होखे जा रहलपूरा पढ़ीं…

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिला बेर कवनो फिल्म खातिर एगो दू गो ना पूरा तीन गो सेट लगावल गइल आ ई फिल्म रहल निर्माता एन एन सिप्पी के बेटा प्रवेश सिप्पी के बनावल पहिलका भोजपुरी फिल्म मृत्युंजय जवना के निर्देशन जगदीश शर्मा कर रहल बाड़े. एह फिल्म में भोजपुरीपूरा पढ़ीं…

पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म यूपी का २७ गो सिनेमाघरन में एक साथे रिलीज कइल गइल आ हर जगहे ऊ फिल्म हाउसफुल रहल. फिल्म ह डी रामानायडू के शिवा. ई फिल्म भोजपुरी सिनेमा के किंग अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ के शानदार अभिनय आ जोरदार एक्शन का साथ साथ पाखी हेगडेपूरा पढ़ीं…