Month: July 2013

यूपी बोर्ड के सचिव के काम शकुंतला यादव का जिम्मे

यूपी बोर्ड के मौजूदा सचिव उपेंद्र कुमार आजु रिटायर होखे जात बाड़न. उनका बाद एह पद के जिम्मेदारी अपर निदेशक शकुंतला यादव तबले सम्हरीहें जब ले नया सचिव के नियुक्ति नइखे हो जात. वइसे इहो उमेद बा कि इनके के एह पद पर नियमित कर दिहल...

Read More

आरा में सावन महोत्सव

काल्हु आरा में लायेनेस क्लब का तरफ से औरतन के सावन मिलन मनावल गइल जवना में कजरी, फिल्मी आ गैर फिल्मी गीतन पर लोग मस्ती में नाचल आ आनन्द उठावल. क्लब के अध्यक्षा डा॰ लतिका प्रकाश के आवास पर भइल एह कार्यक्रम के उद्घाटन प्रो॰ डा॰...

Read More

भोजपुर के बड़हरा में बाढ़ से जिनिगी आफत में

गंगा नदी के उफनइला का चलते भोजपुर जिला के नाहियो त दू दर्जन से अधिका गाव बाढ़ का पानी में घेरा गइल बा. कई जगहा सड़क का उपर चार फीट ले पानी बहत बा. सबसे अधिका तबाही बड़हरा प्रखंड में बा हालांकि शाहपुर, बिहिया अउर सदरो प्रखंड के...

Read More

गोपालगंज के महेन्द्र महिला महाविद्यालय पर धरना प्रदर्शन

गोपालगंज शहर के महेन्द्र महिला महाविद्यालय के छात्रा कालेज प्रबंधन पर आरोप लगावत बाड़ी कि कालेज में विद्यार्थियन से नाजायज रुपिया वसूलल जात बा. नाम लिखावे के शुल्क का साथे पाँच हजार रुपिया के नाजायज वसूली होखत बा जवना के रसीदो...

Read More

सिवान के बाइक चोरन के सरगना पकड़ाइल

सिवान शहर में एह घरी मोटरसाइकिल चोरी के घटना बहुते बढ़ गइल रहुवे जवना से पुलिस हरान परेशान रहुवे. अब सोमार का दिने डुमरिया मोड़ से नगर थानाध्यक्ष बाइक चोरन के सरगना समीर सिंह के पकड़ लिहलन. ओकरा लगे से चोरी के एगो मोतरसाइकिलो बरामद...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।