बिग बॉस का भँवर जाल में फँसल मनोज तिवारी के उबारे के अपील

by | Nov 30, 2010 | 2 comments

बिग बॉस सीजन चार में भोजपुरिया मनोज तिवारी के भँवर जाल में फँसा दिहल गइल बा आ अगर उनका समर्थन खातिर भोजपुरिया समाज एकजुट ना भइल त उनको उहे हाल होखी जे पिछलका सीजन में रविकिशन का साथे भइल रहे आ रवि किशन मात्र कुछ वोट का चलते बिग बॉस बनत बनत रह गइल रहलें.

अबकी मनोज तिवारी के भोजपुरिया बिग बॉस बनावे खातिर सजग रहला का जरुरत बा आ अपना मोबाइल फोन से MAN टाइप कर के 56882 पर मैसेज भेजला के जरुरत बा. वोटिंग लाइन बियफे के रात बारहे बजे ले खुलल रही. तब तक अपना मोबाइल से जतना बार मन करे मैसेज भेज सकीलें.

मनोज तिवारी के ई पहिला बेर भँवर जाल में फँसावल गइल बा आ उनका के निकाल लिहल बहुते जरुरी बा. मनोज तिवारी के प्रवक्ता एह बात के अपील सगरी भोजपुरियन से कइले बाड़न. देखा देबे के बा अबकी भोजपुरियन के ताकत.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

2 Comments

  1. A.K.Upadhyay

    Sir,
    I read a leaf from your esteemed magazine. Won’t it be better if you
    discussed issues which touch the core
    of millions of people who are struggling to rise above the poverty line?
    Mr Manoj Tiwari comes out of Bigg Boss
    or not is not a question so impoertant for the country. Despite the best efforts, the sympathy votes did not bring out the expected magic.

    ak upadhyay

  2. omprakash amritanshu

    फँसी गइलें बबुआ ,भोजपुरिया दुलरुआ हो ,
    जइसे सुरुजवा के घेरेला बदरिया !
    एके -एके वोटवा से , फारी द बदरिया हो ,
    देखावऽ एकजुटवा जवान भोजपुरिया !
    बिग बॉस के घरवा में ,लागल बाटे आसवा हो ,
    तहरे वोटिंग पे टिकल बा नजरिया !
    फोनवा उथावऽ करऽ ,अबहीं वोटिंगवा,
    टाइप करिके MAN भेजऽ भोजपुरिया !

    गीतकार
    ओ.पी अमृतांशु

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up