मोदी सरकार : डरपोक कि नालायक


तिसरका बेर पीएम पद के किरिया ले के नरेन्द्र मोदी एगो रिकार्ड के बरोबरी कर लिहलन. बरोबरी जवाहर लाल नेहरु से. बाकिर का इहो एक्सिडेन्टली हिन्दू हउवन जइसन होखे के दावा खुद जवाहर लाल कइले रहलन अपना के कल्चरली मुसलमान बतावत. पता ना. बाकिर छप्पन इंच के सीना राखे के दावा करे वाला मोदी में का सचहूं एतना करेजा बा ?

जइसे कि एगो पिछला पोस्ट में लिखले रहीं उहे बतावल चाहत बानी कि मोदी जइसन तानाशाह के मन भर गरियावल आसान बा बाकिर बबुआ जइसन डेमोक्रेट का खिलाफ कुछऊ बोलल खतरनाक साबित हो सकेला. कब कवना राज्य के पुलिस जवान रउरा घरे धमक जइहें अन्दाजा ना लगा सकी. आ बबुए ना, गिरगिटवो का खिलाफ कुछ लिखल बोलल खतरनाक साबित हो सकेला.

हो सकेला कि रउरा सोचत होखब कि आखिर का भइल कि आजु अचानक हम मोदी सरकार के एह तरह के आलोचना करे पर उतर गइनी ? मजबूरी बा हमरे ना हमरा जइसन करोड़ों लोगन के कि ऊ भाजपा छोड़ के दोसरा के वोट देइए ना सकसु. भलहीं मोदी अपना असली समर्थकन ला कुछ ना करसु आ ओहनी ला सबकुछ करे के तइयार रहेलन जवन उनका के एको वोट ना द सँ. ऊ वोट दिहें सॅ ना आ हमनी का दोसरा के वोट देबे के सोचियो ना सकी. काहे कि तब जियलो मुहाल हो जाई हमरा जइसन लोगन के. ई सरकार हमहन ला कुछ करे भा ना हमहन का खिलाफो कुछ ना करी. आ जे कहीं दोसर सरकार आ गइल त हमहन ला त कुछ ना करी बाकिर हमहन का खिलाफ सगरी कुछ कर दी. ईयाद करीं कांग्रेस सरकार के जमाना जब एगो अइसन कानून ले आवे के तइयारी हो गइल रहुवे जवना का हिसाब से दंगा केहू करे, दोषी हिन्दुवने के मानल जाई. ऊ त गनीमत बा कि सरकार हिन्दू के परिभाषिते ना कर पावे. हिन्दू के ? जे अपना के हिन्दू कहत होखे भा जे ईसाई, सिख, जैन, बौद्ध, पारसी, यहूदी, मुसलमान वगैरह ना होखे. बाकिर कहे वाला के कवन भरोसा. कह देव कि ऊ हिन्दुत्व में विश्वास ना करे त कइसे साबित करब कि ऊ हिन्दुवे हऽ !

बाकिर मोदी सरकार के डरपोक भा नालायक कहे का पीछे के कारण ई बावे कि दस बरीस सरकार चलवला का बादो आजु ले नेशनल हेराल्ड मामिला के फैसला ना हो सकल. अगर सोनिया राहुल दोषी नइखन त उहो त फैसला करवा द ! एही तरह के एगो अउर मुकदमा बा जवना पर अमित शाह जइसन गृह मंत्री के पेटझरी होखे लागेला सोच कि अगर एकर फैसला करवावे चलीहन त ओकर परिणाम का होखी ! आ ई मुकदमा हवे राहुल गाँधी का बारे में, उनुका नागरिकता, उनुका पासपोर्ट का बारे में. भई अगर राहुल का लगे दोसरा कवनो देश के नागरिकता नइखे, दोसरा कवनो देश के पासपोर्ट नइखे त खँखार के इहे कह दऽ !

गूगल बाबा से जब ई सवाल कइनी त ऊ पूरा ढढ्ढर झोंक दिहलन आ ओहमें से सबले ऊपर जवन लिंक रहल तवन रहे लाइव लॉ के. एहमें खबर छपल बा कि राहुल के नागरिकता का सवाल पर इलाहाबाद उच्च न्यायालय में एगो अरजी लगावल गइल बा कि राहुल गाँधी के संसद चुनइला के रद्द कर दीहल जाव.
बाकिर पूरा खबर पढ़े ला भुगतान करे के पड़ी. अंजोरिया जइसन बेकार के वेबसाइट त हवे ना जहाँ सबकुछ फोकट में मिल जाला. ना त साझा करे के जहमत होला, ना कुछ दान पत्तर देबे के मजबूरी. से एगो दोसरा वेबसाइट लिंक लॉ बीट के क्लिक कइनी पूरा जानकारी ला.

बतावल गइल बा कि कर्नाटक के बैगलुरु के रहे वाला एस विघ्नेश शिशिर अधिवक्ता अशोक पाण्डेय का जरिए इलाहाबाद उच्च न्यायालय में जनहित अरजी (PIL) लगवले बाड़न कि रायबरेली से सांसद चुनाइल राहुल गाँधी के निर्वाचन रद्द कर दीहल जाव काहें कि उनुका लगे विदेशी नागरिकता बा. अपना दावा का पक्ष में ऊ इंगलैण्ड सरकार के कंपनी हाउस के एगो रिपोर्ट लगवले बाड़न जवना में बतावल गइल बा कि राहुल गाँधी बैकाप्स लिमिटेड (BACKOPS LIMITED) कंपनी के निदेशक रहलन आ तवना में ऊ आपन नागरिकता ब्रिटिश देखवले बाड़न. इहो कहले बाड़न कि 2004 का चुनाव में अपना शपथ पत्र में राहुल बतवले रहलन कि उनुका लगे इंगलैण्ड के कई बैंकन में खाता बा.

अरजी लगावे वाला के इहो कहना बा कि जब राहुल गाँधी के सांसदी से निलंबित कर दीहल गइल रहुवे तब सुप्रीम कोर्ट उनुका सजा पर रोक लगा दिहले रहल. बाकिर सुप्रीमे कोर्ट के एगो फैसला में कहल गइल बा कि कवनो अपराध में संलिप्तता का चलते सांसदी गवावें वाला तब ले अयोग्य मानल जाई जब ले ओकरा केस के फैसला ना हो जाव. जाने जोग इहो बा कि एही तरह के मामिला ले के डॉ सुब्रह्मण्यम स्वामी के अरजी पर आजु ले गृह मंत्रालय कवनो फैसला नइखे कर सकल काहें कि गृह मंत्री के हिम्मत नइखे एह पर सही बात उजागर कर सके के.

बाकिर अरजी लगावे वाला शायद भुला दिहले बा कि आजुकाल्हु न्यायालयन में न्यायमूर्ति कम आ न्यायाधीश अधिका मिलेलें. एह स्वयंभू संविधान संरक्षकन के पूरा आजादी बा कि कब कवना मुकदमा के सुनीहें, कवना के कव बरीस ले लटका के रखिहें आ कवना पर साँझ के साढ़े सात बजे फैसला सुना दीहं बिना पूरा कागजात पढ़ले. काहे कि एह महामहिमन के महिमा अपरम्पार बा. आ आम नागरिक एह लोग पर कवनो सवाल ना उठा सके.

का मोदी सरकार आ ओकर गृहमंत्री साफ साफ बता सकेलें कि राहुल गाँधी के नागरिकता ले के सवाल उठावल गलत बा आ राहुल का लगे कवनो दोसरा देश के नागरिकता भा पासपोर्ट नइखे ? आ जबले एह सवाल के जवाब नइखे मिलत तबले मोदी सरकार के का कहल जाव डरपोक कि नालायक ?

Loading

Leave a Reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up