श्रेणी: समाचार

केहू ना फोड़ पावल दही मटकी

गाजीपुर जिला के सैदपुर के रामलीला मैदान मे दही भरल मटकी फोड़े के प्रतियोगिता मे शामिल त चौदह गो टीम रही सँ बाकिर कवनो टीम मटकी ना फोड़ सकल त मटकी के ऊँचाई कम क के अोजन समिति के अध्यक्ष आ विधायक सुभाष पासी खुदे ओह मटकी के फोड़लन....

Read More

गाजीपुर का जमानिया आ पुरैना मे कटान तेज

गंगा नदी के पानी मे लगातार गिरावट का बावजूद कई जगहा कटान रुकल नइखे. जमानिया आ पुरैना मे कटान बहुते तेजी से होखत बा. कटान रोके खातिर जवन बोरा डालल जात बा तवनन मे बालू का जगहा माटी भर के फेंकात देखि गाजीपुर के एडीएम भड़क गइले....

Read More

खैराट पुल का नियरा सड़क धंसल

देवरिया जिला के भाटपार रानी-घांटी रोढ प खैराट पुल का नियरा सड़क धँस गइल बा. बरखा आ जल जमाव का चलते भइल एह नुकसान से घांटी के रास्ते भटनी जाए के रास्ता दुर्गम बन गइल बा. जिला मे घाघरा आ राप्ती के उफनइला का चलते विशुनपुर देवार,...

Read More

दस गो बदनामन के तडीपार कइलसि बलिया पुलिस

बलिया जिला मे अमन चैन बनवले राखे का मकसद से जिला पुलिस दस गो बदनाम अपराधियन के तड़ीपार क दिहले बिया छह महीना ला. छह महीना ले ई लोग बलिया जनपद मे गोड़ ना धर सकी. एह बाबत अतवार का दिने जिलाधिकारी यशवशत राव आदेश जारी क दिहले...

Read More

नदी के बाढ़ मे घेरा गइल किसानन के घर मकान

बलिया जिला मे उफनाइल घागरा दियरा मे तबाही मचावल शुरू क दिहले बिया आ बाढ़ का पानी मे घेराइल लोग सुरक्षित जगहा चहुँपे का जुगत मे लाग गइल बाड़े. पिछला 24 घशटा मे पानी करीब तीस से॰मी॰ चढ़ गइल बा. संतोष इहे बा कि एह बीच गंगा तनी...

Read More


अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।