श्रेणी: समाचार

सुषमा स्वराज कहली कि अगिला चुनाव में राजग के जीत होखी

सोनिया गाँधी के कहल बात के खारिज करत लोकसभा में नेता विपक्ष सुषमा स्वराज शनिचर का दिने कहली कि अगिला चुनाव में राजग के जीत पक्का बा आ यूपीए के तिसरका बेर सत्ता में आवे के मौका ना दी जनता. मौजूदा हालात में खराब आर्थिक व्यवस्था,...

Read More

तिसरको बेर यूपीए के सत्ता के उमेद जतवली सोनिया गाँधी

कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी शनिचर का दिने उमेद जतवली कि तिसरको बेर यूपीए सत्ता में आई. दिल्ली में इंटरनेशनल मीडिया हाउस के उद्घाटन करत सोनिया गाँधी कहली कि अगिला लोकसभा चुनाव अपना समये पर होखी आ बतवली कि उनका सौ फीसदी विश्वास...

Read More

चौरासी कोसी परि्क्रमा खातिर विहिप आ सरकार का बीच टक्कर

यूपी सरकार हिंदू साधु संतन के निकले वाला अयोध्या के चौरासी कोसी परिक्रमा पर रोक लगा दिहलसि. एह रोक के हटावे खातिर हाईकोर्ट मे लगावल गोहारो कवनो कामे ना आइल आ कोर्ट एह रोक के हटवावे से मना कर दिहलसि. बाकिर सब कुछ का बावजूद विहिप...

Read More

सुआपुर में एगो ट्रक मालिक के गोलीमार के हत्या

शनिचर का दिने गाजीपुर जिला के करंडा इलाका के सुआपुर में एगो दावत मं ट्रक मालिक मोहर पाल आ नारायण सोनकर के गोली मार दिहल गइल. घवाहिल ट्रक मालिक के मौत वाराणसी अस्पताल में इलाज का दौरान हो गइल. एह मामिला में आरोपितन के पुलिस पकड़...

Read More

एटीएम से रुपिया निकाले वाला ठग धरइले

रसड़ा पुलिस शुक का सझिया रेलवे टीसन से दू गो बदमाशन के पकड़ लिहलसि. एह लोगन पर आरोप बा कि ई सब नेटवर्किंग से दोसरा लोग के खाता से रुपिया निकाल लेत रहलें. एहनी का लगे से दू गो लैपटाप, चार गो मोबाइल फोन, तीन एटीएम कार्ड आ नकदी बरामद...

Read More


अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।