ashutosh-speakingपिछला दिने मुंबई के लोखंडवाला इलाका में लायंस क्लब लोखंडवाला आ वुमेंस फार गुड गवर्वेस मिल के एगो कार्यक्रम कइलसि जवना में जेनरिक मेडिसिन अवेरनेस कार्यक्रम का तहत आशुतोष कुमार सिंह कहलन कि अगर रउरा रुपिया बचावे के बा त जेनरिक दवाइयन के इस्तेमाल करीं. बतवलन कि जेनरिक दवाइयों ब्रांडेड दवाईयन से कम दाम पर मिलेला. एके कंपनी के बनावल उहे दवाई ब्रांड का नाम पर महँग बिकाला जबकि ओकरे बनावल जेनरिक दवाई बहुते कम दाम प मिल जाला.

“जेनरिक लाएं पैसा बचाएं” अभियान चलावत संस्था प्रतिभा-जननी सेवा संस्थान के राष्ट्रीय संयोजक आशुतोष कुमार सिंह चाहत बाड़न कि पूरा देश में दवाई सस्ता मिलल करे. कहलन कि जेनरिक आ ब्रांडेड दवाइयन में कवनो फरक ना होला आ मरीज के चाहीं कि अपना डाक्टर के जेनरिक दवाई लिखे के कहे. दू घंटा ले चलल एह कार्यक्रम में आशुतोष एह बारे में ढेरे भरम हटवले.

एह मौका पर अनेके डाक्टरो लोग आशुतोष से खुलके बतियावल आ जेनरिक आ व ब्रांडेड दवाइयन के गुत्थी सुलझावे में मदद कइले.

 610 total views,  2 views today

One thought on “जेनरिक दवाई खरीद के पइसा बचाईं – आशुतोष”

Comments are closed.

%d bloggers like this: