पिछला छह अप्रैल के बिहार के वैशाली जिला के बेरूआ गाँव में भीषण आगलगी में कई गो घर परिवार तबाह बरबाद हो गइल रहली सँ. ओह परिवारन में तीन गो लडकी के शादी मई में होखे वाला रहुवे आ दस गो के जून में बाकिर सब सपना आग में जरि के राख हो गइल. शादी खातिर राखल गहना कपड़ा नगदी सब कुछ ओह आग में जर गइल आ साथ ही जर गइल रहे ओह लड़कियन के शादी के सपना.

After everything was burnt in fire

बाकिर अब ओह सपना के फेर से जिनिगी देबे खातिर पटना के एगो स्वंयसेवी संस्था सामने आइल बा. माँ वैष्णौ देवी सेवा समिति एह तेरह लड़कियन के मिला के ५१ गो लड़कियन के सामूहिक विवाह अगिला १६ जुलाई के पटना के श्री कृष्ण स्मारक हॉल में मुक्यमंत्री का मौजूदगी में करावे जा रहल बा. एह लड़कियन के गृहस्थी बसावे लायक सारा साजो सामान समितिए का तरफ से दिहल जाई.

संस्था एहसे पहिले २६ जनवरी के निशुल्क स्वास्थ्य जाँच शिविर लगवले रहे आ ओकरा सफलता से उत्साहित होके वैष्णौ धाम नाम के अइसन परिसर तइयार करे के तय कइलस जवना में निर्धन आ असहायन के कल्याण खातिर शिक्षा आ चिकित्सा के आधुनिक सुविधा मौजू होखे. अपना सपना के साकार करे के शुरुआत समिति १६ मार्च के गाँधी मैदान में विशाल भगवती जागरण से कइलस. वैष्णौ धाम के नींव नवरात्रि में डालल जाई.

अगर कवनो जोड़ा एह सामूहिक विवाह में शामिल होखे के चाहत होखे त १० जून से पहिले संस्था में आपन निबन्धन करा लेव. कवनो तरह के शुल्क नइखे देबे के आ सगरी व्यवस्था संस्थे का तरफ से होखी. बस जोड़ा निर्धन आ असहाय परिवार के होखे के चाहीं. विशेष जानकारी खातिर मोबाइल फोन 9835093446 पर बात कइल जा सकेला.


(स्रोत : मुकेश हिसारिया, पटना )

 414 total views,  2 views today

One thought on “जरल सपना के मिलल नया जिनिगी”

Comments are closed.

%d bloggers like this: