संजना राज आ अंशुमान सिंह के आवे वाली भोजपुरी फीचर फिलिम – प्रीत का दामन – के पहिलका ट्रैक – ‘काला चश्मा’ जारी हो गइल बा. एह फंकी डांस नंबर – काला चश्मा – के मोहन राठौड़ आ संजना राज गवले बाड़े. गीत शैलेश राज यादव के लिखल हवे. एह गाना के मशहूर संगीत निर्देशक स्वर्गीय धनंजय मिश्रा के श्रद्धांजलि का रूप में समर्पित कइल तय भइल बा.

‘प्रीत का दामन’ एगो संगीत भरल ताजा कहानी पर बनल बा जवन अबहीं ले भोजपुरी में नइशे आइल. पूरा परिवार के मनरंजन करे वाला एह फिलिम के संगीत पोढ़ बा आ गीत भाव भरल बाड़ी स. सोना में सोहागा बा एह फिलिम के नायिका संजना राज आ नायक अंशुमान सिंह के हॉट जोड़ी.

B4U भोजपुरी के बनावल एह फिलिम के गीत काला चश्मा में संजना आ अंशुमान सिंह एगो फार्म हाउस में आनन्द में नाचत लउकिहें. हर उत्सव भा मौका पर गावे बजावे जोग एह गीत के धमाल यूपी बिहार में लउके वाला बा.

एह गाना का बारे में बतियावत मोहन राठौड़ के कहना बा – अधिकतर त हम भक्ति संगीत गाई लें बाकिर कुछ अलगो करे का कोशिश में अपना दायरा से बाहरो निकले के कोशिश कर दीहिलें. काला चश्मा एगो पार्टी गीत ह जवन फिलिम के धड़कनो बावे. एहमें नाच का साथे रोमांसो के तड़का बा जवन रउरो के झूमे पर उकसावे से बाज ना आई. संजना के आवाज़ एकरा के अउर जियतार क दिहले बा. उनुका साथे काम करे में हमरा बहुते खुशी मिलल.

मोहन राठौड़ के विचार में आपनो बाति जोड़त संजना राज कहत बाड़ी कि – ई गीत हमरो ला खास बा. हमहूं त भक्तिए गीच अधिका गवले बानी. जबकि काला चश्मा एगो उत्सव गीत हवे, एकर नृत्य वाला लय रउरो गोड़ नाचे ला मजबूर कर दी. ई गीत संदीप सर, विष्णु सर आ स्वर्गीय धनंजय मिश्रा जी के वजह से बनल बा. आ एकरा ला हम आभारी बानी उहाँ सभे के.

B4U भोजपुरी निर्मित आ विष्णु शंकर बेलू के लिखल आ निर्देशित फिलिम ‘प्रीत का दामन’ जल्दिए रिलीज़ होखे वाली बा.

(ITAI DOSHIN MEDIA)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: