कहल जाला कि छठ के प्रसाद ग्रहण करे वालन के सगरी मनोकामना पूरे हो जाले. भोजपुरी अभिनेता मनोज तिवारी के छठ प्रेम जगजाहिर बा. पिछले कई बरिसन से मनोज तिवारी छठ का अवसर पर मुंबई के छठ घाटन पर मौजूद रहत आइल बाड़न. बाकिर अबकी बिग बॉस का घर में रहला का चलते उनका ई मौका ना मिल पाई.

पिछले कई सालन से भोजपुरी के सबले लोकप्रिय वेबसाइट भोजपुरिया डॉट कॉम लगातार भोजपुरी फिल्म अभिनेता मनोज तिवारी आ रवि किशन समेत सैकडों लोगन के प्रसाद भेजत आइल बा आ एह साल जब जब मनोज तिवारी “बिग बॉस” का घर में बाड़न त ओहिजे छठ के प्रसाद भेजल जा रहल बा. एह बारे में जानकारी देत “भोजपुरिया डॉट कॉम” के निदेशक सुधीर कुमार बतवले कि बिग बॉस का आयोजकन से बिग बॉस का घर में प्रसाद भेजे के अनुमति मिल गइल बा.

सुधीर कुमार आगे बतवले कि मनोज तिवारी आ बिग बॉस का घर में रहत सगरी प्रतिभागियन खातिर छठ के प्रसाद भेजल जाई. शनिचर का दिने छठ पूजा का समापन के तुरते बाद उनकर प्रतिनिधि मुंबई में कार्यक्रम के आयोजकन के छठ के प्रसाद सँउप दीहें जवना के अतवार का दिने बिग बॉस का घर में पहुँचा दिहल जाई. बिग बॉस का घर में कई प्रतिभागी बाड़न जिनका खातिर छठ प्रसाद ग्रहण करने के ई पहिला मौका होखी आ देखल रोमांचक होखी कि ऊ लोग प्रसाद के कवना तरह से लेता. परिणाम चाहे जवने होखे, अतना तय बा कि “छठी मईया” के ई प्रसाद मनोज तिवारी आ बाकी लोगन के भोजपुरिया संस्कृति का बारे में जाने समुझे के एगो मौका जरुर दीहि.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

3 thoughts on “बिग बॉस का घर में जाई छठ के प्रसाद”
  1. भाई लोग बिग बास में मनोज के संगे केहू कतनो झगरा करो लेकिन उनकरा सुभाव से सभे केहू प्रभावित हो रहल बा, हम त बेन के माध्यम से सभकरा के अनुरोध करबि कि मनोज भइयवा के समर्थन करे खातिर जरूर कोशिश करि सभे। हम त मनोज बो भउजी के कहबि कि ऊहो मनोज के गलती-सही भुला के उन्हकरा के चिट्ठी भेजसु बिग बास के भर में…..
    एगो आउरी बात बिना कहले रहात नईखे ई डोली भउजी के जलवा कम नइखे लेकिन ठीक ऊलटा…
    ऊ त मेहरारू के नाम पर कलंक बाड़ी, अरे भाई ऊनकर हंसी त अइसन बा जइसे आंधी में दुआर के केंवाड़ी धड़धड़ात होखे।
    सीमा परिहार के देख के ईहे लागता कि ऊन्हुकरा संगे बहुते अन्याय भइल बा, ऊ कवनो कोना से डकैत नइखी लागत…हम पेशागत रूप से मनोज आ सीमा से मिलल आ लम्बा बात कइले बानी.. दूनो आदमी विनम्र आ आम आदमी के प्रतीक हउवनि लोग…
    भोजपुरी…आ हिन्दी के छोट समझे वालनि के करारा जवाब देबे खातिर जरूरी बा ई दूनो जन के भरपूर समर्थन कइल जाव….

Comments are closed.

%d bloggers like this: