SantoshPatel-at-dharna-manch
भोजपुरी के संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर भोजपुरी जन जागरण अभियान का बैनर तले दिल्ली के जंतर मंतर पर बियफे का दिने एक दिन के धरना दीहल गइल. एह धरना में भोजपुरी प्रेमी देश भर से आइल रहलें. अध्यक्षता करत भोजपुरी समाज, दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबे भोजपुरी के जल्दी से जल्दी संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल करे के मांग सरकार से कइलन आ इहो बतवलन कि संवैधानिक मान्यता काहे नइखे मिल पावत.

भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता खातिर पिछला पचासो बरीस से अधिका से आन्दोलन होत आवत बा आ हर दल के नेता आ प्रशासनिक अधिकारियो एकर समर्थन कइले बाड़े. संसद के दुनू सदन में एकरा खातिर आवाज उठावल जात रहल बा. साल 2014 के लोकसभा चुनाव में भाजपा के लोग एह माँग के समर्थन कइले रहुवे. पिछला यूपीए सरकारो का दौरान गृहमंत्री रहल श्रीप्रकाश जयसवाल त संसद के पटल एलान त क दिहले रहलन कि जल्दिए भोजपुरी के 8वीं अनुसूची में शामिल क लीहल जाई. बाकिर आजु ले एकरा पर अमल नइखे हो सकल.

धरना संबोधित करत डाॅ लालबाबु यादव बिहार में भोजपुरी के दुसरका राजभाषा बनावे के मांग कइलन. डाॅ वीरेन्द्र नारायण यादव बतवलन कि जयप्रकाश विश्वविद्यालय, छपरा में एम ए में भोजपुरी के कोर्स शुरू हो गइल बा. मुजफ्फरपुर से आइल बिहार यूनिवर्सिटी के भोजपुरी विभागाध्यक्ष डाॅ जयकान्त सिंह ‘जय’ कहलन कि बरीसन से चलत आवत एह मांग के पूरा करत भोजपुरी के जल्दी से 8वीं अनुसूची में शामिल क लीहल जाव. देवरिया से आइल भोजपुरी अमन पत्रिका के संपादक डा॰ जनार्दन सिंह कहलन कि हमनी के मांग पूरा ना होखी त सगरी भोजपुरिया सांसदन के घेराव कइल जाई. पूर्वांचल एकता मंच के भाई शिवजी सिंह कहलन कि भोजपुरी का बारे में सरकारन के वादाखिलाफी अब ढेर दिन ले बरदाश्त ना होखी. महुआ प्लस के क्रियेटिव कंसल्टेंट मनोज भावुक वगैरह अनेके लोग आपन आपन बात कहल.

8thschedule-publicभोजपुरी जन जागरण अभियान के महामंत्री अभिषेक भोजपुरिया धरना में आइल लोगन के स्वागत करत ओह लोग से भोजपुरी के संवैधानिक दर्जा दिआवे के मांग कइलन आ भोजपुरी के अलगा से सेंसर बोर्ड बनावे के मांग कइलन. रंगश्री के महेन्द्र सिंह, जमशेदपुर से आइल राजेश भोजपुरिया आ मनोकामना सिंह ‘अजय’, पी राज सिंह, विश्वनाथ शर्मा, देवेन्द्र कुमार, कुलदीप श्रीवास्तव (सम्पादक, भोजपुरी पंचायत), राज कुमार अनुरागी (हेलो भोजपुरी), प्रो० राजेश माँझी, राजीव उपाध्याय (भोजपुरी मैना), केशव मोहन पाण्डेय, राजीव रंजन राय, मनोज श्रीवास्तव (भोजपुरी संसार), मनोज कुमार सिंह, पंकज कुमार (मध्यप्रदेश), प्रो० गुरुचरण सिंह, श्री श्यंदन सुमन वगैरह दर्जनो लोग सभा के संबोधित कइल. जे एन यू भोजपुरी मंच के कलाकार अपना गवनई से भोजपुरी के अलख जगवलें.

कार्यक्रम के संचालन रंगकर्मी संजय ऋतुराज कइलन आ धन्यवाद ज्ञापन संतोष पटेल.

– राजेश भोजपुरिया


(हिन्दी में भेजल विज्ञप्ति के ई भोजपुरी अनुवाद ह. आयोजक लोग के भोजपुरी से कतना प्रेम बा ई एह बात से साफ हो जात बा कि भोजपुरी लिखे में परेशानी होखत बा. कार्यक्रम के फोटो आ जानकारी दोसरो स्रोत से मिलल बा. जवना से साफ हो जात बा कि कुछ लोग के जिक्र एह रपट में जानबूझ के नइखे कइल गइल. एह धरना से कतना जन जागरण भइल होखी तवन धरना के फोटो से देखल जा सकेला. वक्ता आ श्रोता में से केकर गिनिती अधिका रहुवे रउरो सभे देख सकीलें.
– भोजपुरिका संपादक के टिप्पणी)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: