मुद्दा छींटा गइल – बटोरीं ना त देर हो जाई

by | Apr 16, 2014 | 0 comments

Prabhakar Pandey

– प्रभाकर पाण्डेय

चुनाव आ गइल बा. आ का गइल बा, सुरुओ हो गइल बा. कुछ जगहन पर जनता के भागि ओटहिया मसीन में बंद हो गइल बा. चुनाव क पहिले नेता, देस अउर जनता, सबका सोझा बहुते सारा मुद्दा रहे. ए मुद्दन में देस, समाज का सोझा सुरसा जइसन मुँह फइलवले खड़ा कुछ भारी-भरकम समस्यो रहली सन. अगर ए समस्यवन पर समय रहत धेयान ना दिआई त उ दिन दूर नइखे जब भारत के अस्तित्वे पर, एकरा संस्कृतिए पर दाग लागि जाई. चुनाव सुरु भइले क पहिले कुछ मुद्दन के जनता क साथे-साथे मीडियो जोर-सोर से उठावति रहली ह अउर नेता लोगो ए में बँधत नजर आवत रहल ह लोग. एसी में बइठिओ के ओ लोगन के पसीना आ जात रहल ह. एइसन लागत रहल ह कि नेता लोगनो के पता चलि गइल बा कि ए बेरी जनता अपना मताधिकार के सही प्रयोग करी अउर ओही के चुनी जे वास्तव में जीत क लायक होई.

पर जवनेगाँ हरदम होत आइल बा, भारतीय राजनीति में, धीरे-धीरे इ मत दिवअइया लोग खेमा में बँटल सुरु हो गइल लोग. मुद्दा एकदम से गौन हो गइनेसन अउर जातिवाद, छेतरवाद, पारटीवाद आदि हिलकोरा मारे लागल. नउबत त इहाँ तक आ गइल कि सही के चुने के मन बना चुकल जनता, नेता के ले के आपसे में कटे-मरे लागल. मीडियो मुद्दन से भटकि के आपन टीआरपी बढ़ावे क चक्कर में के, के के गरिआवता, कवनेगाँ गरिआवता, का पहिनता, कहां-कहां रैली बा, रैली क ए गारी-गारा में जनतो के मीडिया सामिल क के समाज के असली मुद्दन से भटकवले में एकदम से नेतही अवतार में आ गइल अउर जनतो एहमें एकदम से साथ निभवलसि अउर निभावतो चलि जातिया.

खैर जनता भले नेता के दोस देव, अधिकारिन के दोस देव, परसासन के दोस देव पर सही माने में देखीं त ए सब के जिम्मेदार जनता खुदे बिया. जनता के जब बारी आवेला त खेमन में बँटत में देरी ना करे, कवनो-ना-कवनो झंडा क नीचे आके नेतही अंदाज में भासन देबे लागेले अउर चुनाव खतम होतही अपना गलती पर पछताले ना, बलुक रोवल सुरु क देले, परसासन के गरिआवल सुरु क देले, अउर मन में अपना के सांतवना देले कि फेरु चुनाव आई अउर ए लोगन के सबक सिखाइब. पर का अगिला चुनाव में उ सही के चुनाव क पावेले?

हम अगर कुछ लाइनन में चुनाव का मद्देनजर जनता के देखे के, समझे के कोसिस करेनीं त हमरा सामने जनता के इहे रूप अवतरित होला –

उ कतल करे जानें, तब्बो फूल बरसावे ले जनता,
जब होला हमार कतल, थपरी बजावे ले जनता.
जनता बदलल चाहे ले देस के, नेतन के,
पर खुद कबो बदलल न चाहे ले जनता.
मत लगावऽ झूठ-मूठ के आरोप नेतन, अधिकारीन पर,
काहेंकि हर जुलुम में साथ खड़ा लउके ले जनता.
के कहता कि जाति, धरम क नाव पर नेता लोग बाँटि रहल बा देस के,
आँखि खोलिं के देखले पर, खुदे बँटत, बाँटत नजर आवेले जनता.

त कुल मिला-जुला के हमार इ कहनाम बा कि जवलेक जनता ना बदली तवलेक ना नेता बदलीहें न देस. कबो कवनो एइसन नेता ना आई जवन समाज, देस के कल्यान, विकास क बारे में गहराई से सोची. त अब्बो देर नइखे भइल, जाति-पाँति, भाई-भतीजावाद, छेतरवाद आदि से ऊपर उठीं अउर सही के चुनाव करीं, देस हित में अपना मताधिकार के प्रयोग करीं. देस के एगो स्थायी सरकार देबे के कोसिस करीं ना त खिचड़ी सरकार बनते सब-कुछ गुड़गोबर हो जाई अउर फेनु से जनते पीसल जाई. एगो अइसन सरकार ले के आईं जवन अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर देस के मजबूत क सको, एकर खोवल मान-सम्मान वापस ले आ सको. आतंकवाद आदि के जड़ से उखाड़ फेंको ताकि रउआ मंदिर चाहे मस्जिद चाहे गिरजाघर आदि में आराम से प्रार्थना क सकीं, आराम से अपनी देस में टरेन, बस आदि के सफर क सकीं, माँ-बहिन क घर से निकलले का बाद वापस अवले ले परान शंका में मति रहो. रउआँ कम से कम रूखा-सुखा जवने घर में बा आराम से खा सकीं. अगर अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर देस मजबूत होई त हमरा पूरा विस्वास बा की बहुत सारा राष्ट्रीय समस्यवन के अंत अपनी आपे हो जाई.

जय हिंद.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up