आन्हर के आन्हर ना कहल जाला भाईजी

by | Aug 31, 2011 | 0 comments

– पाण्डेय हरिराम

चर्चा बा कि कुछ माननीय सांसद खुद के बुरा-भला कहला से नाराज हो गइल बाड़े. सही बात बा, अगर कवनो आन्हर के आन्हर कहब त खराब लागबे करी. ओकरा के सूरदास कहल जाला. लेकिन एहीजा शंका कुछ अउर बा. किरन बेदी, ओम पुरी आ प्रशांत भूषण के खिलाफ त ई नोटिस दे दीहें आ जिद पर अड़ल लोग त तीनों के माफी ना मँगला पर 15 दिन के जेलो के सजाय दे सकेले. लेकिन ऊ जनता जे सड़कन पर बिया आ जे इन्हन के चुनले बिया ऊ एह लोग के का कहत बिया. का इनका मालूम बा ?

दरअसल बाति ई बा कि हमनी के माननीय सांसद लोग में आपन आलोचना सहे के ताकते नइखे रहल. कवनो जबरदस्ती त हो ना सके कि रउरा संसद में एक-दोसरा के माननीय बोलत रहब त हमनियो के रउरा के माननीय बोले के पड़ी, भलही केहू का खिलाफ करोड़ों के घोटाला के आरोप होखे, केहू का खिलाग कत्ल करवावे के आ केहू का खिलाफ भड़कावे के.

हमनी का मुश्किलात आ बवाल के एगो लमहर दौर देखले बानी. हमनी का अडिय़लपन, अभद्रता आ दुनु फरीकन का ओर से अति आक्रामकता जइसन बदरूप आदतो देखनी. फासला मेटावे खातिर ई रवैया ठीक नइखे. एगो आदर्श दुनिया में लोग विवेकसंगत होखीहें आ अपना ताकत भा हालात के दरकिनार कर उचित कदम उठइहें.

लेकिन एकरा बावजूद मौजूदा हालात में उम्मीद के किरण देखल जा सकेला. ऊ शांतिपूर्ण रूप से सामने अइले आ शालीनता का साथ एगो अधिका न्यायपूर्ण समाज मँगले. ई हमनी सभ का ला गौरव के छन रहे. अण्णा के आंदोलन सफल रहल बा, लेकिन यदि हमनी के बौद्धिक कुलीनो लोग उनुका आंदोलन के समर्थन कइले रहीत त उनुकर स्थिति अउरो मजबूत होखीत. एह आंदोलन के विरोध में सबले ताकतवर दलील ई रहल कि संसद के अवहेलना ना कइल जा सके आ ना ही करे के चाहीं. यकीनन, एहमें कवनो संदेह नइखे कि संसद आ संविधान के सम्मान करे के चाहीं. लेकिन एह तरह के संस्था एगो बुनियादी धारणा का आधार पर चलावल जाली सँ आ ऊ हवे जनता के विश्वास. यदि जनता के भरोसा डिग जाव त अइसन कवनो संस्था चलावले ना जा सके. हमनी के अइसन प्रयास करे के चाहीं कि संसद में जनता के भरोसा फेर से लवटि सके.

भारत के राजनेता अउर खासतौर पर भारत के सरकार भरोसा के एही संकट से जूझत बिया. जनता अब सरकार पर भरोसा नइखे करत. सरकार के बयानन से हालात अउरी बदतर हो गइल बा. सरकार लगातार कहतिया कि भ्रष्टाचार के समस्या से निजात पावल जरूरी बा, लेकिन ऊ खुद एकरा खातिर लगभग कुछ नइखे करत. हमनी के राजनेता अपना रवैया के ईहे कीमत चुकावत बाड़े कि अब लोग उनुका पर भरोसा नइखे करत. जनता के विश्वास जीतले बिना नियम के हवाला दिहला से कुछ ना होखी.
(31 अगस्त 2011)



पाण्डेय हरिराम जी कोलकाता से प्रकाशित होखे वाला लोकप्रिय हिन्दी अखबार “सन्मार्ग” के संपादक हईं आ उहाँ का अपना ब्लॉग पर हिन्दी में लिखल करेनी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up