ई भगवा आतंकवाद का होला ?

by | Aug 27, 2010 | 1 comment

– पाण्डेय हरिराम

गृहमंत्री पी चिदम्बरम पिछला बुध का दिने नयी दिल्ली में सगरी राज्यन के पुलिस महानिदेशकन अउरी महानिरीक्षकन के चार दिन के सम्मेलन के उद्घाटन करत भगवा आतंकवाद के उल्लेख कइलन. हालांकि ऊ ई ना बतवलन कि भगवा शब्द से उनकर मतलब का बा ? बाकिर सहज बुद्धि से अनुमान लगावल जा सके ला कि ऊ हिन्दू आतंकवाद का हवाला देत रहले.

अब माननीय गृहमंत्री महोदय के अतना त मालूमे होखी एह धरती पर कुल आबादी जतना बा ओहमें हर छठवा आदमी हिन्दू बा. साथ ही हिंदुअन में आतंकवाद के भावना ना के बराबर होला ना त ई कौम अपना समस्त वीरता आ दौलत का बावजूद सैकड़न बरीस ले गुलाम ना रहल रहित. एह बाति के तमाम ऐतिहासिक, शास्त्रीय प्रमाण मौजूद बा कि भारत के असली खूबी दरअसल एकरा सनातनी विचार धारा में बा. दुनिया के कवनो आदमी, चाहे ऊ कवनो धर्म भा ईमान के होखो, देश के करोड़न हिंदुअन में से केकरो से भेंटाला त ऊ हिन्दू अपना तमाम आध्यात्मिकता का बावजूद मिले वाले के विविधता सकार लेला आ ओकर इज्जत करे ला. एही से एगो कवि कहले बाड़न

यूनान मिस्र ओ रोमां सब मिट गये जहां से
अब तक मगर है बाकी नामोनिशां हमारा
कुछ बात है कि हस्ती मिटती नहीं हमारी
सदियों रहा है दुश्मन दौरे जहां हमारा.

ई हिंदुत्वे बा जे भारतीय ईसाईयन भा मुसलमानन के ब्रिटिश ईसाई आ अरबी मुसलमानन से अलगा करे ला आ ओकरा के ओतने इज्जत देला जतना ऊ अपना कवनो साथी के देला. दुनिया में हिन्दूए एगो अइसन कौम ह जे ना खाली अवतारन पर भरोसा करेला बलुक ऊ इहो मानेला कि समय- समय पर भगवान अलग अलग रुप में अवतरित हो सके ले… तदात्मानं सृजाम्यहम्. इहे कारण ह कि देश निकाला भा राष्ट्रीय पलायन का बाद एहिजा आइल लोगन के हमेशा शरण मिलल बा चाहे ऊ चीनी होखसु भा पारसी भा ईसाई भा यहूदी भा अमरीकन भा तिब्बती. शरणागत के सकारे के अइसन उदाहरण दोसर कवनो देश में ना मिले.

हजारन बरीस का इतिहास में एकहू उदाहरण ना मिले जब हिंदू कवनो दोसरा देश पर हमला कइले होखसु भा अपना धर्म के जबरदस्ती मनवावे के कोशिश कइले होखसु भा धर्मान्तरण बदे ताकत इस्तेमाल लगवले होखसु. तकलीफ तब होला जब सरकार एही हिंदुवन के तुलना आतंकियन का संगठन से करे लागेले. सबुजा दहशतगर्दी का तरह भगवा आतंकवाद जइसन शब्द गढ़ लेबेले.

जहां तक बाबरी मस्जिद ढहावे के बात बा त ओह घटना में कवनो मुस्लिम ना मराइल रहे बाकिर ओकरा बाद जवन हिंसा भइल तवना में सैकड़न लोग मरा गइल जवना में बेसी लोग हिन्दू रहुवे. एकरा बावजूड सरकार आ कुछ पत्रकार भाई बाबरी मस्जिद ढहावे के घटना ज्यादा भयानक बतावेले.

हो सकेला कि हमार बाति सियासी रूप में बहुत सही ना होखे बाकिर हिंदुवन के कत्ल-ए-आम के त इतिहास गवाह बा. चौदहवीं सदी का आखिरी साल में तैमूर लंग एके दिन में एक लाख हिंदुअन के कटवा दिहले रहे. इहे ना गोवा में पुर्तगाली अनगिनत ब्राह्मणन के सूली चढ़ा दिहले रहले स. आजुवो अइसनका कत्ल – ए- आम जारी बा. 1990 में कश्मीर घाटी में लगभग 10 लाख हिन्दू रहले आ आजु ओहिजा कुछुवे हिंदू बाचल बाड़े. बाकी या त मार डालल गइले भा खदेड़ दिहल गइले. एह देश में हिंदू बहुमत में बाड़े तबो ओहनी के मजाक उड़ावल जाला, ओह लोग के कई तरह के सुविधा से अलगा राखल जाला.

हिंदू अपना पवित्रतम तीर्थ अमरनाथ का यात्रा पर निकले त ओकरा से तरह तरह के भुगतान लिहल जाले बाकिर हज करे खातिर सरकार से रुपिया दिआला. हिंदुअन का सामनही ओकरा भाई बहिनन के तरह तरह के लालच देखा के ईसाई बनावल जाला आ ऊ बेचारा चुपचाप देखते रह जाला. सैकड़न बरीस से भेड़ बकरी का तरह कटात रहला का बादो यदि कबो ओकरा मामूलीओ गुस्सा आ जाव त ओकरा के भगवा आतंकवादी कहल जा रहल बा. का ई जायज बा ?


पाण्डेय हरिराम जी कोलकाता से प्रकाशित होखे वाला लोकप्रिय हिन्दी अखबार के संपादक हईं आ ई लेख उहाँ का अपना ब्लॉग पर हिन्दी में लिखले बानी. अँजोरिया के नीति हमेशा से रहल बा कि दोसरा भाषा में लिखल सामग्री के भोजपुरी अनुवाद समय समय पर पाठकन के परोसल जाव आ ओहि नीति का तहत इहो लेख दिहल जा रहल बा.अनुवाद के अशुद्धि खातिर अँजोरिये जिम्मेवार होखी.

Loading

1 Comment

  1. मुकेश कुमार यादव Said...

    ना ,आतंकवाद के कवनो धर्म से ना जोङल जा सकेला ,आतंकवाद त ना हिन्दू देखेला न मुसलमान ,उ त खाली मानवता के हत्या करेला । आतंकवाद के सफाया से ढेर जरुरी बा हे माओवादियन के सफाया ,काहेँ से कि माओवादि ढेर आतंक मचवले बाङन ।

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up