एकजुटता के कमी

by | Apr 27, 2015 | 1 comment

Rituraj

– प्रिंस रितुराज दुबे

सबसे बड़हन सवाल ई बा कि कतना लोग आपन माईभासा (भोजपुरी) ला एकजुट बा.

कतना लोग के आपन अस्तित्व से मतलब बा, चाहे कतना लोग ई कह के निकल जाला कि एकरा फेरा में पड़ के कउनो खाए के मिले वाला बा. अगर इहे बात झारखण्ड में रहे वाला बंगाली सोचले रहीतें त आज झारखण्ड के दूसरा भासा में उर्दू के साथे साथ बंगला ना शामिल भइल रहीत. भोजपुरी भासा भासी से बहुत कम लोग बा बंगला बोले वाला झारखण्ड में.

एकरा बावजुदो बंगाली लोग के एकजुटता के नतीजा ह कि आपन आन्दोलन चला के बंगला के झारखण्ड के दूसरा भासा के दर्जा दिआ दीहल लोग. एही बात के कमी बा हमनी भोजपुरी भासा भासी, यूपी, झारखण्ड, बिहार का लोग में. हमनी का एह बात के नकार नइखीं सकत.
.
पाकिस्तान आ बंगलादेस के मुद्दा देखल जाव त इहे बात सामने आवता कि बंगाली मुसलमान के एकजुटता का चलते आज बंगला देश अलगा देस बा, पाकिस्तान से हट के.
भारत से अलगा होखला के बाद पाकिस्तान में बगंला भासा के महत्व न दीहल जात रहे. पाकिस्तान सरकार के कहनाम रहे कि मुसलमान के खाली उर्दू लेके चले होई आ इहे बात पूर्वी पाकिस्तान (बंगाली मुसलमान) के ठीक ना लागल. ओह लोग के कहनाम रहे कि ओहनी के मातृभाषा बंगला ह आ पाकिस्तान में उर्दू का साथही बंगलो के महत्व देबे होई. बाकिर पाकिस्तान एकरा के ना मनलस आ बंगाली मुसलमान आखिरकार आपन अलगा देश बना के रहलन. ।आज उनकर अलगा पहचान बा.

एगो वेबसाइट के जरिये हमरा ई पता चलल कि भोजपुरी के सह भासा मगहिए से बंगला भासा के जनम भइल. जब मगही से बंगला निकलल त बंगला कईथी लिपि में लिखल जात रहे. बाद में बंगला के आपन अलगा लिपि बनावल गइल आ आज शान से पश्चिम बंगाल अउर बंगलादेस में बंगला आपन परचम लहरावता.

बाकिर अफ़सोस के बात इ बा कि भोजपुरी भासा भासी के एतना बड़हन तादाद होला के बावजूदो भोजपुरी के ओकर आपन पहचान ना मिल पावल. एकर सबले बड़हन दोसी झारखण्ड, यूपी, बिहार के लोग बा जे आपन पहचान के पहचान नइखे पावत. एतना बड संख्या में बिधायक आ संसद भोजपुरी भासा भासी क्षेत्र में बा लोग एकरा बावजूद भोजपुरी के अस्तित्व के बारे में कबो आवाज नइखे उठवले लोग.

फिल्म इंडस्ट्री भोजपुरी भासा के लोग तक पहुचावे में मुख्य भूमिका निभवले बा. आ भोजपुरी सिनेमा के अभिनेता आ गायक रहल मनोज तिवारी मृदुल के एह दिसाई अहम भूमिका बा. अब मनोज जी दिल्ली में सांसद बन गइल बाड़े. एकरा से उनसे कुछ जादे आस बा कि भोजपुरी के सन्दर्भ में कुछु करीहे. एकरा से पहिले शत्रुघ्न सिन्हा पटना साहिब से सांसद रहलन त ओह समय में कांग्रेस सरकार भोजपुरी के राजनीतिक मुद्दा बना के राख दिहलस. शत्रुघ्न सिन्हा संसद में भोजपुरी के आवाज उठवले बाकिर बिपक्षी दल के बाकी सांसद एह पर साथ ना दिहलें. नीतीश सरकार में बिनय बिहारी बिधायक भोजपुरी के मामला में नीतीश का जरिए कवनो ठोस कदम ना उठवले. एह तरह के कलाकार खाली पईसा से मतलब राखेला लोग आ टीवी स्क्रीन पर जनता के उल्लू बनावे खातिर भोजपुरी के पक्ष में बोलेला लोग. अइसने कटेगरी में रवि किशन, पवन सिंह, निरहुआ जइसन बड़ नाँव शामिल बाड़ी सँ. ई लोग भोजपुरी के फइलावे के काम कम, भोजपुरी सिनेमा में फूहरपन जादे भरले बा लोग.

जब इन्सान एकजुट होके कवनो काम के करेला त ऊ काम आसान हो जाला. बाकिर इहाँ त खाली बडका बने के चक्कर बा. हिंदी में असफलता के बाद भोजपुरी फिलिम में नाँव कमाए वाला लोग के अगर हिंदी सिनेमा में पहचान बन गइल रहीत त ऊ लोग भोजपुरी के पुछहुँ ना अइते.

फिलिमे के बात में एगो अऊर बात सामने आवता कि महाराष्ट्र में मराठी फिलिमन के आगे बढ़ावे खातिर उहाँ के सरकार हर सनीमा हॉल में एक शो मराठी फिलिम के देखावल जरूरी बना दिहले बिया. ई बात भोजपुरी का साथै नइखे.

इहाँ जेतना बतकही भइल ओकरा से एकेगो नतीजा निकलऽता कि भोजपुरी भासा के बिकास में सबले बड़हन रुकावट एकजुटता के कमी बा.

Loading

1 Comment

  1. Editor

    दुबे जी,

    रउरा एह लेख में समस्या आ हालात के सही आकलन नइखे लउकत. भोजपुरी के जनमानस ले चहुँपावे के काम सिनेमा ना कइलसि, ऊ त एकरा के कमाए खाए लायक भासा बनावे के काम कइलसि. भोजपुरी के जिअवले राखे में करोड़ो भोजपुरियन के योगदान बा. भोजपुृरी सिनेमा के लोग त एकरा से कमाई करे खातिर जुड़ल. भोजपुरी के विकास आ पहचान खातिर कवनो एगो नाम भा आदमी का भरोसे रहल नुकसानदेह होखी. हमरा नइखे मालूम कि रउरा मनोज तिवारी खातिर अतना मेहरबान काहे बानी.

    भोजपुरी सरोकार के बात करत घरी भोजपुरिका पर भा सिनेमा के दोसरा साइटन पर छपे वाली प्रचार सामग्री का तरह केहू के जयकारा कइला के कवनो जरुरत नइखे. बात भोजपुरी के करीं. एकओर ओलरला से बात खराब होखी. मनोज तिवारी पर हमरो नजर बा बाकिर भाजपा के सांसद का नाते मनोज तिवारी के कतना बेंवत भा आजादी बा एकर कुछ अंदाजा हमरो बा. ओहिजा मनोज तिवारी जइसन करीब तीन सौ से बेसी सांसद बाड़े. कुछ लोग शुरू से ले के आजु ले संघ आ जनसंघ से जुड़ल रहल बा आ कुछ लोग समय समय पर बहुते घर के खाना खा के एहिजा ले आइल बा.

    हमेशा धियान राखीं कि आदमी आजु रही काल्हु ना रही. आजु एह पाला में बा काल्हु ओह पाला में बइठल भेंटाई. बाकिर विचार भा भासा के लड़ाई हर हालत में चलावत रहे के पड़ी. एहिजा दुष्यंत कुमार के हिन्दी गजल के कुछ पंक्ति रेघरियावे से नइखीं रोक पावत कि –

    सिर्फ हंगामा खड़ा करना मेरा मकसद नहीं,
    मेरी कोशिश है कि यह सूरत बदलनी चाहिए.
    मेरे सीने में न सही, तो तेरे सीने में सही,
    हो कहीं भी आग लेकिन आग जलनी चाहिए.

    अँजोरिया आ भोजपुरिका आजु ले हर भोजपुरिया के साथ दिहले बा, सभकर बड़ाई करत आइल बा, सभका के प्रचार देत आइल बा बाकिर केहु के पिछलगुआ नइखे बनल, ना बन सकेले. आ हम रउरा के प्रचारक नइखीं मानत, एही से अतना कुछ लिख दिहनी. अगर प्रचारक हईं त हम आपन बात वापस लेत बानी, लागल रहीं.
    राउर,
    ओम

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up