pub-4188398704664586

राशिफल २०११

by | Dec 30, 2010 | 4 comments

– वैभव नाथ शर्मा

॥ श्रीकाशी विश्वनाथो विजयतेतराम् ॥

मेष
व्‍यवसायिक दृष्टि से उत्तम वर्ष. व्यापार बढ़िया चली आ फायदेमंद रही. पति पत्नि में अनबन हो सकेला, अपना जीवन-साथी से सहयोग करीं आ शांत रहीं. धार्मिक काम का तरफ रुझान रही. एह साल स्वास्थ्य समस्या हो सकेला, सावधान रहीं. आमदनी के जरिया बढ़ी. संतान का तरफ से कष्ट के अनेसा बा. विदेश यात्रा से फायदा के संभावना बा. साल का आखिर में बढ़िया धन लाभ के योग बा. नौकरी पेशा लोग तनाव का स्थिति में आ सकेला. ओह लोग के आर्थिक पक्ष कमज़ोर रही. तनाव मत लीं ऍ संयम से काम ली. साल बितते बीतत कुछ बढ़िया समाचार मिली.

वृष
मिलल जुलल प्रभाव वाला साल. साल के शुरुआत शुभ समाचार से होखे के उम्मीद बा बाकिर अन्त तनाव वाला हो सकेला. विद्यार्थियन के सफलता खातिर कड़ा मेहनत करे के पड़ी.एह साल नौकरी पेशा वालन के नौकरी में अड़चन आ सकेले, सावधान रहीं. माता के स्‍वास्‍थ्‍य समस्या पैदा कर सकेला. आमदनी के स्रोत बढ़ी. साल के उत्तरार्ध में व्यापार में निकहा बड़ लाभ मिल सकेला. राउर विरोधी आपके काम बिगाड़े के कोशिश करीहें बाकिर बिगाड़ ना पइहें. आर्थिक विवाद आ मुकदमा में जीत मिले के उम्मीद. साल का बीच में कुछ परेशानी आ सकेले.

मिथुन
तनाव भरल साल हो सकेला अबकी. शुरुआत में आय के साधन बढ़ी. दबाव में लिहल निर्णय विफल रही आ आर्थिक क्षति के सामना करे के पड़ सकेला. दुश्मन नुकसान पहुँचावल चहीहें. संतान आ परिवार के जरुरत पर धन खरच होखी. जीवन साथी के खराब स्वास्थ्य चिंता के कारण रही. घरेलू खर्च में बढ़ोतरी होखी. हित मित से वाद-विवाद आ तनाव के योग बा बाकिर आर्थिक पक्ष मजबूत होखी. कानून आ न्याय नीति के फैसला रउरा पक्ष में होखी. विद्यार्थियन के मन पढ़ाई से भटक सकेला. परिश्रम से शिक्षा प्रतियोगता के क्षेत्र में सफलता मिली.

कर्क
ले दे के बढ़िया साल. शुरुआत में पदोन्‍नति के संभावना. महेनत पराक्रम से सामाजिक लाभ आ प्रतिष्ठा के प्राप्ति. शत्रुअन पर विजय आ पारिवारिक सुख बढ़ी. सकारात्‍मक विचार से अपना में बदलाव के अनुभव होखी. साल का बीच में व्‍यावसायिक प्रतिद्वंद्वी बढ़ीहें. व्‍यवसाय में बड़ लाभ मिले के संभावना बा. विद्यार्थियन खातिर अच्‍छा समय. नया अवसर के प्राप्‍ति. व्यवसाय में मेहनत के फल मिली. परिजन सहयोग करीहें. वाहन प्राप्ति के बढ़िया योग बा. सार्वजनिक आ पारिवारिक जीवन में यश-कीर्ति, पद प्रतिष्ठा के प्राप्ति. कवनो बड़ खर्च चिंता में डाल सकेला. बिगड़ल काम बने जाई. व्यापार विस्तार के योजना पर काम करेम.

सिंह
एह साल नया आ खास जिम्‍मेदारी मिले के संभावना. साल सकारात्मक रही. कार्येक्षेत्र के विस्तार भा नया कार्य शुर करे के उत्तम अवसर. शारीरिक स्‍वास्‍थ्‍य बढ़िया बाकिर मानसिक तनाव आ चिंता बनल रही. नौकरी पेशा वालन के प्रोमोशन के उम्मीद. नौकरी बदले के सही समय. यात्रा से निकट भविष्य में लाभ मिले के संभावना. साल का आखिर में धनहानि हो सकेला भा गैरजरुरी खर्च आ सकेला, एहसे पसा बचा के राखीं. दोस्तन का चलते कवनो मुसीबत में पड़ सकीलें जवना से अपना संपर्क आ पराक्रमे से निकल पाएब.

कन्या
रुकल आ अधूरा काम एह साल पूरा हो जाई. साल के शुरुआत बढ़िया रही बाकिर पारिवारिक तनाव से उलझन बढ़ सकेले. व्यापारिक यात्रा होखी जवना से नया संबंध बनी. व्यवसाय खातिर बढ़िया साल. पिता के स्वास्थ्य से कष्ट के अनेसा. पारिवारिक कलह हो सकेला. उत्तेत्जना आ खीस पर काबु राखल बहुते जरुरी बा. साल बीतत बीतत आर्थिक मामिलन सुधार. सामाजिक छवि धूमिल हो सकेला. गंभीर आरोप-प्रत्यारोप, लांछन लाग सकेला. दबाव भा क्रोध में कवनो फैसला लिहला से बाचीं. संघर्षपूर्ण स्थिति बनल रही.

तुला
एह साल स्वास्थ्य सम्बन्धी समस्या परेशान करी, सावधान रही. साल का शुरुआत में घरेलू उलझने बढ़ सकेला. आकस्मिक धनलाभ भा बकाया धन के प्राप्ति. विदेश यात्रा के उत्तम योग. दांपत्‍य जीवन में कलह हो सकेला. वर्ष का मध्‍य में शुभ समाचार मिली. धन अधिका खर्च होई. नौकरी पेशावालन के जिम्‍मेदारियां आ समस्या बढ़ सकेले, उच्चाधिकारी के नाराज़गी झेले के पड़ सकेला. धार्मिक कार्यों में रुचि बढ़ी. कारोबार में विस्‍तार होखे के संभावना. कार्यक्षेत्र में हैरतअंगेज बदलाव. साल का आखिर में भाग्योदय, आय में वृद्धि, पदोन्नत्ति जइसन सुसमाचार के प्राप्ति.

वृश्चिक
साल 2011 एघौ नया उर्जा के संचार करी. एह साल पहिले के रुकल आ बिगड़ल काम सिद्ध हो जाई. शिक्षो का दृष्टि से समय बढ़िया रही. सकारात्‍मक सोच के साथ कइल गइल काम में सफलता मिली. संबंधन के कड़ुआहट कम होई. कुँआर लोग खातिर विवाह के उत्तम योग बा आ बिआहल लोग के दांपत्‍य जीवनो बहुते सुखमय रही. केह के झगड़ा में पड़ला के जरुरत नइखे. खीस आ आवेश पर काबू राखीं. भावना का बहाव मे कुछ मत करीं. व्यापारिक कर्जा लेबे के हालात बन सकेला बाकिर कर्जा जल्दिये खतम हो जाई. कार्यक्षेत्र में नया अवसर मिलला से उत्साह बढ़ी. व्यापारिक शत्रु नुकसान चहुँपावे के कोशिश करीहें आ दुश्मनी बढ़ी.

धनु
साल का शुरुआत में कवनो बड़हन व्यापारिक अनुबंध मिल सकेला आ बढ़िया लाभ होखे के उम्मीद बा. यात्रा से लाभ होखी आ नया व्यापारिक अनुबंध मिली. मांगलिक उत्सव में शामिल होखे के अवसर बनी. आर्थिक पक्ष मजबूत होखी. पारिवारिक ज़िम्मेदारी के बढ़िया से निर्वाह करब. दोस्त आ परिजन से वैचारिक मतभेद हो सकेला. व्यापार में कुछ गिरावट आ सकेला. शेयर बाज़ार में निवेश लाभ दी. स्‍वास्‍थ्‍य के ध्‍यान राखीं. शुभ काम सम्पन्न होखी. हित मित का सहयोग से रुकल काम पूरा होखी.

मकर
शत्रु आ रोग से सावधान रहके काम का प्रति पूरा समर्पण राखीं. आर्थिक पक्ष सुदृढ़ होई जवना से रउरा बढ़िया फायदा मिली. बेजरुत दवाब लेबे से बाचीं. धार्मिक यात्रा से मानसिक शांति मिली. वर्ष का शुरुआत में आय में बढ़ोतरी आ प्रोमोशन के मौका बनी. कार्यक्षेत्र का साथ-साथ निजी संबंधन में सफलता के अवसर बनी. पारिवारिक उलझन का चलते मन अशांत रही. पुरान दोस्तन से मिले के अवसर प्राप्त होई. परिवार में संपत्ति के लेके झगड़ा हो सकेला. संतान प्राप्ति के योग बा. परिवार के स्वास्थ्य पर बेसी खरचा हो सकेला. काम में बाधा अइला का चलते पूरा होखे में देरी हो सकेला.

कुंभ
ई साल आपके जीवन में ढेरे उपलब्धियन के साल होखी. सफलता राउर कदम चूमी. पारिवारिक सुख बढ़िया रही. लाभ प्राप्ति के शुभ अवसर मिलत रही. आर्थिक लाभ बढ़ी आ मनो शांत रही. नौकरी पेशा लोगन के पदोन्नति मिल सकेला. भवन, भूमि, वाहन, प्राप्ति के बढ़िया योग बनत बा. वैवाहिक बंधन में बंध सकीलें. साल के शुरुआती कुछ महीना बहुते खास रही. बाप महतारी गुरुजन के सेवा रउरी फली. धार्मिक कार्य में रूचि बढ़ी. सामाजिक प्रतिष्ठा व वर्चस्व्य में बढ़ोतरी होखी. अध्यन अध्यापन के उत्तम योग बा.

मीन
नया साल नया उर्जा ले के आई आ सगरी रुकल अझूराइल काम पूरा हो जाई. समाज सेवा आ जनकल्याणो के कुछ काम रउरा करब. साल का शुरु में कुछ बाधा आई जवना के बाद ओकर निदानो मिली आ धन प्राप्ति होखला से आर्थिक समस्यन के समाधान होई. चोट-चपेट, दुर्घटना के दुर्योग बनत बा. वाहन प्रयोग में सावधानी बरतीं आ गति पर नियंत्रण राखीं. दुश्मन हावी होखे के आ नुकसान चहुँपावे के कोशिश करीहें बाकिर नाकाम रहीहें. शारीरिक कष्ट आ ख़राब स्वास्थ्य चिंता के विषय रही. व्यवसायिक सफलता मिले के संभावना बा. पारिवारिक कलह से मानसिक चिंता रही. राजनीतिक सफलता के मार्ग प्रशस्त होखी. सामाजिक वर्चस्व में बढ़ोतरी होखी. सुख समृद्धि के नया रास्ता खुलीहें सँ. प्रशासनिक पक्ष के सहयोग से कठिन काम सिद्ध होखी. कुछ आर्थिक कारण से योजना में अड़चनो आ सकेला.


वैभव नाथ शर्मा जी प्रतिष्ठित वास्तु शास्त्री, अंक शास्त्री, आ ज्योतिषी हईं. इहाँ के कार्यक्रम अलग अलग टेलीविजन चैनलन पर आवत रहेला. काशी के होखला का चलते भोजपुरी से विशेष अनुराग बा आ अँजोरिया के पाठकन खातिर ज्योतिष आ वास्तु शास्त्र से जुड़ल आपन सलाह समय समय पर देत रहे के तइयार हो गइनी. वैभवनाथ शर्मा जी राजज्योतिषी परिवार से आवेनी. आशा बा कि वैभवनाथ शर्मा जी के आलेख से अँजोरिया के पाठकन के कुछ लाभ मिली.

अपना व्यक्तिगत समस्या खातिर रउरा शर्मा जी से संपर्क कर सकीलें. उहाँ के संपर्क सूत्र नीचे दिहल जा रहल बा
फोन : +91-9990724131
ई मेल : vaibhava_vastuvid@yahoo.co.in

Loading

4 Comments

  1. asha sharma

    very good 5 star

  2. Manoj Kumar

    E guruji ke kawano aur kam naikhe ka. hene hone se nikal pakal ke chhap de taran. guruji kawano dhang ke kam kar lihin kahe katir manai sab ke jan lebe par tulal bani bada ghor pap padi. samajhh lihin. likhe ke ba ta dhang se soch samajhh ke adhayayan kar ke likhin. kahi se chora ke mat likhin.

    dhanyabad.

  3. rajendra shahu

    guru ji, mera birth date hai 26-05-1987, time 10:30 pm night, day tuesday, socha huwa koi kam pura nahi hota job me koi achchha post nahi milta hai guru ji plz help m….

  4. rajendra shahu

    namaste guru ji, mujhe rahu grah plz kuch upay dijiye guru ji, mai bahot problem me hun plz guru ji help m,, mai mumbai me rahta hun,

Leave a Reply to rajendra shahu

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586