तीज : अखंड सोहाग के ब्रत

by | Sep 17, 2012

Ram Raksha Mishra Vimal

– रामरक्षा मिश्र विमल

शास्त्रन में तीज के हरितालिका नाम से जानल जाला. “हरतालिका” शब्दो एह ब्रत खातिर खूब प्रचलित बा. भादो के अँजोर में तृतीया तिथि के एकर अनुष्ठान कइल जाला. पत्नी खातिर “तीज” आ बेटा खातिर “जिउतिया” से बड़ ब्रत ना मानेलिन मेहरारू लोग. ई मान्यता बा कि अखंड सौभाग्य खातिर सभ स्त्री लोग एह ब्रत के करेली. अइसन मानल जाला कि एह ब्रत के सबसे पहिले पार्बतीजी भगवान शिव के अपना पति का रूप में प्राप्त करे खातिर कइले रही. तबे से एह ब्रत के प्रचलन शुरू हो गइल. कहीं-कहीं एह ब्रत के कुँआर लइकीओ करेली सन जेहसे उहनी के मन लाएक पति मिल सके, बाकिर अइसन बहुत कमे सुने के मिलेला.

ब्रत के नामकरण आ बिधान

एह ब्रत के नामकरण के कारण “हरितालिका ब्रतकथा” में एह प्रकार बतलावल गइल बा – “अलिभिर्हरिता यस्मात्तस्मात्साहरितालिका”. माने भगवान शिवजी पार्वती जी से कहतानी कि तोहरा के दुखी देखि के तोहार सखी सभ तोहराके जंगल में हर ले गइल रही सन, एही से एह ब्रत के नाम हरितालिका परल. तीज के ब्रत निर्जला आ निराहार रहिके कइल जाला. रात में शिव-पार्बती जी के पूजन कइल जाला. कई गो स्त्री मिलिके एक साथ पूजन करेली आ रात्रि-जागरण करेली. दोसरा दिन अन्न-जल से पारन कइल जाला. एह दिन गोझिया, अनरसा का साथ-साथ तरह-तरह के पकवान आ मिठाईओ चढ़ावल जाला. तीज से एक दिन पहिले के सँझवत के नहा-खा होला, जब नहा धोके पूरी तरह से शुद्ध भइला का बादे बिना प्याज-लहसुन के बिल्कुल शाकाहारी सात्विक खाना खाइल जाला.

तीज के कथा

पौराणिक मान्यता के अनुसार देवी पार्बतीजी भगवान शिवजी के अपना वर रूप में प्राप्त करे खातिर तीज ब्रत के कइले रहली. महाराज हिमालय अपना बेटी पार्वती के बियाह नारदजी के आग्रह पर भगवान बिष्णुजी से तय क देले रहन. ई जानकारी मिलला प पार्वतीजी बहुत दुखी भइली काहें कि ऊ शिवजी से प्रेम करत रही. उनका सखियन से उनकर दुख बर्दाश्त ना भइल त ऊ पार्वतीजी के जंगल में भगा ले गइली सन, जहाँ ऊ खूब तपस्या कइली. ओ जंगल में नदी किनारे बालू के एगो शिवलिंग बनाके जंगली फूल, बिल्वपत्र आदि से पूजा कइली. रात-दिन भूखे-प्यासे रहिके जंगल में शिवलिंग के सामने शिवजी के ध्यान करत बहुत दिन गुजार दिहली ऊ. उनका अटूट भक्ति से खुश होके एक दिन शिवजी उहाँके इच्छा पूरा होखे के बरदान दिहलीं. जब पार्बतीजी भगवान शिवजी के अर्धांगिनी भइलीं त उहाँसे प्रार्थना कइलीं कि कवनो अइसन ब्रत बताईं जवना से मनुष्य के सभ मनोकामना पूर्ण होखे. तब भगवान शिवजी उहाँके तीज के पावन ब्रत बतवलीं, जवना से पार्बतीजी भगवान शिवजी के प्राप्त कइले रहीं.

Loading

0 Comments

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up