बतकुच्चन – १०७

by | Apr 25, 2013 | 0 comments


हँसुआ के बिआह में खुरपी के गीत, हिंदी का पेपर में गणित के सवाल. हो सकेला कि आजु के बतकुच्चन रउरो कुछ अइसने लागे. पिछला दिने तीन जगहा बम फटला के खबर आइल. अमेरिका के बोस्टन, पाकिस्तान के पेशावर आ भारत के बेंगलुरु से. एह तीनो में बहुत कुछ एके जइसन होखला का बावजूद बहुत कुछ अलगा बा. एह बम धमाकन के आवाज हमरो कान में गूँजल आ अबहियों गूँजत बा बाकिर ओहु ले अधिका आवाज पिछला दिने नीकु जी का भाषण से उठल. संगे रहि के घात करे वाला संघतियन का तरह नीकु हमेशा से नमो का खिलाफ रहल बाड़न. बाकिर बात हम एकरो ना करब. बात करब आजु टोपी आ टीका के. टोपी पहिरला आ पहिरवला के टीका कइला, लगवला, आ लगावे के.

ओह दिन नीकु जी का भाषण में कहल गइल कि देश चलावे खातिर कबो टीको लगवावे के पड़ी आ कबो टोपीओ पहिरे के पड़ी. देश के राजनीति कवन हद ले टोटरम बनत चल गइल बा एकर ई बड़हन नमूना बा,. टोटका कइल टोटरम कहल जाला. अगर लागे कि केहु टोना क दिहले बा त ओह से बचे बचावे ला टोटका भा टोटरम कइल जाला. बाकिर वोट बैंक हथियावे खातिर परिश्रम ना कर के कमे मेहनत में कुछ टोटरम कर के हथिया लिहल जाव एकरे कोशिश में समेटा गइल बा आजु के राजनीति. ना त टोपी पहिरल अतना बड़हन मुद्दा ना बन जाइत. टोपी पहिरला आ पहिरवला में फरक होला. आ टोपी पहिरावलो दू तरह के होला. एगो में सम्मान देखावे करे खातिर सामने वाला के टोपी पहिना के इज्जत दिहल जाला त आम बोलचाल का भाषा में केहु के बुड़बक बनावे का बारे में कहल जाला कि टोपी पहिरावत बाड़ऽ का?

टोपी का संगे टीका क बात कहल गइल रहे. त चलीं कुछ टीको पर टीका कर लिहल जाव. टीका के एक रुप एगो जमाना से साहित्य में चलत आइल बा जब कवनो बात समुझावे खातिर ओकर टीका लिखात रहुवे. भगवद्गीता के अनेके टीका मौजूद बाड़ी सँ, जवना में हर टीकाकार अपना अपना अंदाज में गीता पर टीका कइले बा, माने कि ओकरा के समुझावे के कोशिश कइले बा. दोसर टीका उ भइल जवन लिलारे लगावल जाला. चंदन भा भभूत के टीका. बिआहल मेहरारू मँगटीका पहिरेली सँ जवन माँग पर टिकल रहेला. टिकल आ टीकल के मतलब अलग अलग होला. टिकल माने कवनो आधार पर ठहरल आ टीकल माने कि टीका लगावल. अब टीका कई तरह के हो सकेला. एक टीका त ऊ जवन लिलारे लागेला आ दोसरका ऊ जवन डाक्टर लोग कवनो रोग से बचावे खातिर लगावेले. जइसे कि चेचक के टीका लागत रहे एक जमाना में आ टीबी के टीका आजु ले लागत बा. बाकिर का अइसनको कवनो टीका बनल बा जवन आम आदमी के लगावल जा सके नेतवन के पसारल बीमारी से बचाव खातिर ? शायद ना, आ शायद बनहु ना दीहें ई नेता लोग. जइसे कि आजु ले महिला आरक्षण बिल कानून ना बन सकल, जइसे कि आजु ले सेकुलरिज्म के परिभाषित ना कइल गइल. अदालतो इहे कहि के रहि गइल कि सेकुलरिज्म एगो लचीला अवधारणा ह आ एकरा के अइसहीं रहे दिहल जाव. आ एकरे परिणाम ह कि सेकूलर राजनीति टीका लगावे आ टोपी पहिरावे के टोटरम ले सिमट के रहि गइल बा. जय हिन्द !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up