pub-4188398704664586

बिग बॉस का घर में जाई छठ के प्रसाद

by | Nov 13, 2010 | 3 comments

कहल जाला कि छठ के प्रसाद ग्रहण करे वालन के सगरी मनोकामना पूरे हो जाले. भोजपुरी अभिनेता मनोज तिवारी के छठ प्रेम जगजाहिर बा. पिछले कई बरिसन से मनोज तिवारी छठ का अवसर पर मुंबई के छठ घाटन पर मौजूद रहत आइल बाड़न. बाकिर अबकी बिग बॉस का घर में रहला का चलते उनका ई मौका ना मिल पाई.

पिछले कई सालन से भोजपुरी के सबले लोकप्रिय वेबसाइट भोजपुरिया डॉट कॉम लगातार भोजपुरी फिल्म अभिनेता मनोज तिवारी आ रवि किशन समेत सैकडों लोगन के प्रसाद भेजत आइल बा आ एह साल जब जब मनोज तिवारी “बिग बॉस” का घर में बाड़न त ओहिजे छठ के प्रसाद भेजल जा रहल बा. एह बारे में जानकारी देत “भोजपुरिया डॉट कॉम” के निदेशक सुधीर कुमार बतवले कि बिग बॉस का आयोजकन से बिग बॉस का घर में प्रसाद भेजे के अनुमति मिल गइल बा.

सुधीर कुमार आगे बतवले कि मनोज तिवारी आ बिग बॉस का घर में रहत सगरी प्रतिभागियन खातिर छठ के प्रसाद भेजल जाई. शनिचर का दिने छठ पूजा का समापन के तुरते बाद उनकर प्रतिनिधि मुंबई में कार्यक्रम के आयोजकन के छठ के प्रसाद सँउप दीहें जवना के अतवार का दिने बिग बॉस का घर में पहुँचा दिहल जाई. बिग बॉस का घर में कई प्रतिभागी बाड़न जिनका खातिर छठ प्रसाद ग्रहण करने के ई पहिला मौका होखी आ देखल रोमांचक होखी कि ऊ लोग प्रसाद के कवना तरह से लेता. परिणाम चाहे जवने होखे, अतना तय बा कि “छठी मईया” के ई प्रसाद मनोज तिवारी आ बाकी लोगन के भोजपुरिया संस्कृति का बारे में जाने समुझे के एगो मौका जरुर दीहि.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

3 Comments

  1. Sandip Suman

    E bahute sudar lagal ki chhat ke parsadi Big Boss ke ghar bhi ja rahal ba.

    Aisan kaila sa hamni ke bhojpuria sanskriti ke ago naya aayam mili aur bhojpuria samaj ke puja ke mahatam se baki vishwa ke log bhi awagat hoyee je ekra bare me naikhe janat.

  2. Lokenath Tiwary

    भाई लोग बिग बास में मनोज के संगे केहू कतनो झगरा करो लेकिन उनकरा सुभाव से सभे केहू प्रभावित हो रहल बा, हम त बेन के माध्यम से सभकरा के अनुरोध करबि कि मनोज भइयवा के समर्थन करे खातिर जरूर कोशिश करि सभे। हम त मनोज बो भउजी के कहबि कि ऊहो मनोज के गलती-सही भुला के उन्हकरा के चिट्ठी भेजसु बिग बास के भर में…..
    एगो आउरी बात बिना कहले रहात नईखे ई डोली भउजी के जलवा कम नइखे लेकिन ठीक ऊलटा…
    ऊ त मेहरारू के नाम पर कलंक बाड़ी, अरे भाई ऊनकर हंसी त अइसन बा जइसे आंधी में दुआर के केंवाड़ी धड़धड़ात होखे।
    सीमा परिहार के देख के ईहे लागता कि ऊन्हुकरा संगे बहुते अन्याय भइल बा, ऊ कवनो कोना से डकैत नइखी लागत…हम पेशागत रूप से मनोज आ सीमा से मिलल आ लम्बा बात कइले बानी.. दूनो आदमी विनम्र आ आम आदमी के प्रतीक हउवनि लोग…
    भोजपुरी…आ हिन्दी के छोट समझे वालनि के करारा जवाब देबे खातिर जरूरी बा ई दूनो जन के भरपूर समर्थन कइल जाव….

  3. Mukesh Yadav Said.....

    Are wah, bada niman lagal ki chhati maiya ke parsad sabhe log ke big boss ke ghar me mili. Bhojpuria.com ke badhaie

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586