मीडिया के बकतूतही के नमूना

by | Nov 9, 2012 | 0 comments

पिछला दिने सीएनएन आईबीएन चैनल पर करन थापर इंटरव्यू लिहलन रामजेठमलानी के. एह इंटरव्यू में जान बूझ के अइसन अइसन सवाल कइल गइल जवना बहाने मीडिया अपना बकतूतही का मकसद में कामयाब हो सके. बहुते कम लोग अंगरेजी के ई इंटरव्यू देखले सुनले होखी बाकिर देश के भाषाई मीडिया एह बात के कवना तरह तूड़ मरोड़ के पेश कइले ई जाने ला ओह इंटरव्यू के पूरा सुनल पढ़ल जरूरी बा.

एहिजा ओह इंटरव्यू के भोजपुरी में पेश कइल जात बा. जहाँ ले मानल जा सकेला दुनु में से केहू के भोजपुरी ना आवे आ हमहू एह भरोस में बानी कि ओह लोग के पते ना चली कि उनकर इंटरव्यू भोजपुरी में निकलल बा. पूरा इंटरव्यू जस के तस सीएनएन आईबीएन के वेबसाइट पर दिहल गइल बा. अंगरेजी में ओकरा के पूरा पढ़ल जा सकेला. एहिजा हम कुछ खास सवाल जवाब पेश करब बिना कवनो नून मरीचा मिलवलेः

करन थापर – शैतान के वकील कार्यक्रम में स्वागत बा. का इमानदार आ बेलगाम बोले वाला रामजेठमलानी भाजपा के लजवावे के कोशिश करत बाड़न ? आप अपने पार्टी के अध्यक्ष नीतिन गडकरी के इस्तीफा मँगनी आ फेर बियफे का दिने कहनी कि भगवान राम एगो खराब भतार रहलें. का आप भाजपा के लजवावे के कोशिश करत बानी ?

राम जेठमलानी – माफ करब. एकदमे ना, हमार कवनो इरादा नइखे ओह लोग के लजवावे के. हम त पार्टी के मजबूत बनावल चाहत बानी आ एहिला हम सही काम करे पर अड़ल बानी. आ अगर हम ई काम खुलेआम ना करब त हमार बात केहू सुनबे ना करी.

करन थापर – चलीं ओह बात पर गोलियावल जाव जवना आप भगवान रान का बारे में कहनी. राम एगो खराब पति रहलें. आ आप उनुका के एकदम पसंद ना करीं. हिन्दुत्व ला समर्पित भाजपा के सदस्य होखला के नाते का सकारब कि ई कहल गलत रहुवे ?

राम जेठमलानी – हमरा दुख बा कि ई गलती ना रहे, अगर लोग व्यंग समुझल भुला दिहले बा त हम कुछ ना कर सकीं.

करन थापर – का ई मजाक रहल ?

राम जेठमलानी – ना ई मजाक ना रहल, बाकि ई कहल मजेदार रहल. एगो किताब विमोचत भइल रहे जवना में लिखल गइल बा कि औरतन संगे जमाना से अन्याय होखत आइल बा.

करन थापर – बाकिर राम त भगवान हउवन ?

राम जेठमलानी – हमरा अफसोस बा कि हम आपन धार्मिक विश्वास पर प्रेस में बहस नइखीं करे जात. हम जवन हईं से हईं.

करन थापर – बेशक रउरा हईं.

राम जेठमलानी – आ अगर आप ई सोचत होखीं कि हम कवनो अइसन बात कहले बानी जवन ईशनिंदा होखे त ई राउर हक बा, बाकि तब ई बात अपना मुँह में डाली आ कहीं कि ई ईशनिंदा ह.

करन थापर – ना, हम ईशनिंदा का बारे में नइखीं बतियावत. हम एह बारे में बतियावत बानी कि आप हिन्दुत्व के सिद्धान्त लँघले बानी जवना पर राउर पार्टी गोलियाइल रहेले.

राम जेठमलानी – हमरा बहुत अफसोस बा. भाजपा कवनो कजहबी पार्टी ना हियऽ. लोग के मजहबी विश्वास पर एकर कवनो नियन्त्रण नइखे.

करन थापर – बाकिर ई हिन्दुत्व ला समर्पित त बिया.

राम जेठमलानी – ई मजहबी विश्वासो के हिस्से नइखे, ई हमार सोचावट ह आ एगो मिथक, जवन हर मजहब के रुचिगर बनावेला, पर हमार विचार भर ह. बिना मिथक के मजहब कुछ ना होखे.

करन थापर – आपके कहना बा कि राम मिथक हउवन भगवान ना ?

राम जेठमलानी – सुनीं. प्लीज प्लीज. ई सब वइसन बात हई स जवना पर हम आपसे बहस कइल नइखी चाहत,बाकि आपके कह सकीलें कि हमरा गंभीर सन्देह बा कि ऊ एह रूप में कवनो एतिहासिक पुरूष हउवन. बाकि ईहो बा कि लोग के कुछ आपन विश्वास होला आ ऊ विश्वास ओह लोग के बहुत हद ले काबू में राखेला, आ हमार कवनो इरादा नइखे कि बेमतलब हम लोग के विश्वास के खराब करीं.

करन थापर – एह बात के हमरा के एह तरह से कहे दी.. अगर आप लोग के मजहबी विश्वास के आदर करीलें त बहुते लोग के रउरा बात से दुख चहुँपल बा कि भगवान राम एगो खराब पति रहलन. का आप आपन कहना वापिस लेब ?

राम जेठमलानी – हम आपसे माफी चाहब. हमबहुते लोग से मिलल बानी जिनकर कहना बा कि ओहू लोग के इहे राय बा.

करन थापर – त आप कहल वापस लेबे के नकारत बानी ?

राम जेठमलानी – एकदम से, एकदम से आ एगो आखिरी बात. हम ई आपके फायदा ला कहत बानी. प्रेस से ई बात पहिलहीं कह चुकल बानी आ आपहू से कहत बानी. हम एह बात पर प्रेस में कवनो बहस नइखी कइल चाहत.

करन थापर – त आप यदि आपन कहल वापिस नइखी लेबे जात त एकर मतलब भइल कि अपना कहला ला माफियो नइखी माँगे जात ?

राम जेठमलानी – सुनीं, आप बस आपन सवाले दोहरावत बानी. अइसन मत करीं. एही चलते हम हमेशा आप से लड़ल बानी. आप हमार राय जान लिहनी अब. अगर आप सोचत बानी कि हमरा केहू से माफी मँगला के जरूरत बा ….. हम नइखीं सोचत कि हमरा केहू से माफी मँगला के जरूरत बा.बाकि हम आपके ई जरूर कहल चाहब कि प्रेस व्यंग के बाव भुला गइल बा.

करन थापर – का आप एह पर धेयान बटोरे आ विवाद बनावे ला प्रेस पर दोस लगावत बानी ?

राम जेठमलानी – एकदम सही बात. ई फालतू बा. बहुते फालतू बा. साँच में, जे लोग ओह कार्यक्रम के आयोजित कंइले रहुवे ओह लोग के बहुते नाराजगी होखी प्रेस के एह काम से.

करन थापर – का हम पूछ सकीलें, का ई कुछ खराब ना रहल कि एगो भाजपा सांसद भगवान राम का बारे में अइसन बात कहलसि ?

राम जेठमलानी – हम नइखी मानत. प्लीज… भाजपा के दर्शन का बारे में आपके कुछ राय हो सकेला. हम ओह से तनिको इत्तेफाक ना राखीं आ आप भाजपा से अन्याय करत बानी. कृपा कर के हमरा एह इंटरव्यू के भाजपा के फजीहत करावे खातिर मत इस्तेमाल करीं. आ कृपा कर के एह से फरका रहीं, आप एगो विवादित विषय उठवनी आ हम ओकर जवाब दे दिहनी. हमार ईच्छा नइखे जे एह बात ला हमार क्रास एक्जामिनेशन कइल जाव काहे कि एहसे कवनो सार्वजनिक रुचि नइखे सेवात.

….

एह तरह के अउरियो सवाल जवाब भइल. करन थापर एह तरह के काम करे वाला अकेला आदमी नइखन मीडिया में. मीडिया अइसनके लोगन से भरल बा जे कवनो ना कवनो तरह से भाजपा के, हिन्दुत्व के, संघ के फजीहत करे के बहाना खोजत रहेला. जवन ना कहब तवनो डाल दियाई रउरा मुँह में आ फेर ओह बात के ले उड़ल जाई जइसन एहू बारे में भइल. मीडिया के अइसन लोगन के असल मकसद बस इहे बा कि कवनो तरह से कांग्रेस के करिखा लुकावे ला दोसरा के करिखाह देखावल जात रहे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up