संगम के 263वीं मासिक बइठकी

by | Jul 26, 2020 | 0 comments

संगम सांस्कृतिक साहित्यिक एवं सामाजिक संस्था के हर महिनवे होखे वाली बइठकी के 263वीं बइठक पिछला 19 जुलाई का दिने स्वर्गीय सत्यनारायण मिश्र सत्तन जी (भोजपुरी संगम के संस्थापक) के समर्पित रहल आ उनुका 5 वीं पुण्यतिथि के अवसर पर आयोजित कइल गइल.
कोरोना का जमाना आ ओकरा चलते लागल तरहे तरह के बरजना का चलते ई बइठक गूगल मीट ऐप का जरिए ऑनलाइन कइल गइल आ अढ़ाई घंटा ले चलल.
एह बइठकी में 22 गो साहित्यकार स्वर्गीय सत्तन जी के याद करत आपन-आपन रचना परोसलें.
बइठकी के अध्यक्षता आदरणीय कृष्ण बिहारी गुप्त जी कइनी आ संचालन कुमार शैल कइलन. तबियत खराब रहला का बावजूद संस्था संयोजक आदरणीय नरसिंह बहादुर चन्द जी पूरा समय बइठकी में मौजूद रहनी. बइठकी के समापन का बेरा कुमार अभिनीत अपना बाबूजी के अंतिम क्षण याद करत आपन आ स्वर्गीय सत्तनो जी के रचना सुनवलें.
एह बइठकी में शामिल रहनी – सभे श्री नरसिंह बहादुर चन्द, के बी गुप्त, सुभाष यादव , अंजू शर्मा, रामकृपाल राय, कुमार अभिनीत, कुमार नवनीत, कुमार शैल, भीम प्रासाद प्रजापति, प्रतिभा गुप्ता, अनुपम शाही, सुधा मोदी, अनिता पाल सिंह, विभा त्रिपाठी, ज्ञानेन्द्र द्विवेदी, गुंजन मिश्रा, ई0राजेश्वर सिंह, विश्वजीत पांडेय, हर्षित मिश्रा नमन, तृप्ति सिंह, अउर सुधीर मिश्र.
कुछ अउरिओ लोग जुड़ल चहनी बाकिर लगातार बरखा आ खराब नेट्वर्क का चलते ना जुड़ पवनी. कुल मिला के एगो सुन्नर आ नीक बइठकी के सफल आयोजन रहल ई बइठकी.

✍🏻 कुमार शैल के रपट

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up