हँसऽ भा रोवऽ सचाई इहे बा कि …

by | Jan 18, 2014 | 1 comment

adminभोजपुरी भाषा का तौर प आपन जगहा नइखे बना पावत.

भोजपुरी के धंधेबाजन के चिंता भोजपुरी के ना हो के आपन गोटी सेट करे करावे के आ दोसरा के मामर हेठ करावे ला अधिका बा.

भोजपुरी आजु सबले बेसी अपना फिलिम आ गीतन का चलते चरचा में बा आ भोजपुरी के कर्णधार एह पर चिंता ना क के अपना फेर में लागल बाड़े.

भोजपुरी जगत में तेरह कनौजिया तेरह चूल्हा वाला हाल बा. केहु अपना के दोसरा से अबर माने के तइयार नइखे. सभे अपना के सबले तेज सबले बड़हन साबित करावे मे लागल बा.

आज ले भोजपुरी मे कवनो पत्र पत्रिका अइसन ना निकलल जवन बड़हन भोजपुरिया समाज के अपना सकल होखे.

भोजपुरी के धंधाबाज अकसरहा दावा करत रहेले कि दुनिया में भोजपुरी बोले वालन के गिनिती बीस करोड़, पचीस करोड़ बा. बाकिर का सचहु ?

अगर अतना भोजपुरिया बाड़े त भोजपुरी के कवनो वेबसाइट देश दुनिया मे लोकप्रिय काहे नइखे? का ओह लोग के भोजपुरी भासा में कुछ पढ़े लिखे के मन ना करे?

कुछ विद्वान कहीहे कि चवन्नी अठन्नी छाप लोग वेबसाइट बना लेत बा त ओकरा के देखे के जाई?

अगर इ साँच बा त विद्वान लोग बढ़िया साइट काहे नइखे बनावत चलावत?

कवनो बड़का पत्र पत्रिका काहे नइखे निकलत?

भोजपुरी के टीवी चैनल काहे टूट जात बाड़ी स? जब देखे वाला ना मिली त विज्ञापन ना मिली. विज्ञापन ना मिली त खरचा कहाँ से चली? इ सवाल चैनले ला ना, पत्र पत्रिका वेबसाइट फिलिम सीडी कैसेट सबका ला बा. ना नौ मन तेल होखी ना राधा जी नचीहे. आजु जवनो पत्रिका निकलत बाड़ी स, जवनो मीडिया मौजूद बा सब कुछ बेवकूफन का चलते जे आपन टाइम खराब करत बा, आपन धन बिलावत बा, मियाँजी दुबले क्यूं, शहर के अनेसे से!

भोजपुरी के बात करे वाला लोग के समाचार, विज्ञप्ति, साक्षात्कार भोजपुरी मे ना हो के हिंदी भा अंगरेजी में काहे होखेला?

भोजपुरी से जुड़ल संस्था अपना सामरोह का बारे में भोजपुरी के वेबसाइटन के जानकारी काहे ना भेजसु?

कतना संस्था वाला जानत बाड़े कि भोजपुरी में एक ना दर्जनो वेबसाइट बाड़ी स?

कतना लोग जानत बा कि देश में कतना पत्र पत्रिका भोजपुरी में निकलत बड़ी स? साँच कहीं त हमरो जानकारी नइखे. जानकारी होखो त कइसे? केहु केहु से बतियावे के तइयार नइखे, दोसरा के बड़ाई करे ला तइयार नइखे. एह हालात में भोजपुरी का अइसहीं चलत रही?

जवाब हमरो लगे नइखे एही से पूछत बानी. बा केहू कुछ बतावे वाला?

Loading

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    एकदम सांच बात बा …

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up