चलीं दिल्ली…….. भोजपुरी खातिर विशाल धरना प्रदर्शन
9 अगस्त 2017 का दिने दिल्ली के जंतर मंतर पर होई भोजपुरिया जुटान


भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता आ आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के माँग का साथे “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के बैनर तले राष्ट्र स्तर पर चलावल जा रहल भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन के तहत आगामी 9 अगस्त 2017, दिन बुधवार के सातवाँ विशाल धरना प्रदर्शन के आयोजन अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल जी के नेतृत्व में दिल्ली के जंतर मंतर पर कइल जाई।

बतावत चलीं कि भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन “भोजपुरी जन जागरण अभियान” देश भर मे भोजपुरी के संविधान में शामिल करावे खातिर संघर्ष कर रहल बा, तथा साहित्य आ संस्कृति के सहेजे के काम कर रहल बा।एकरा से पहिले “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के बैनर तले 6 अगस्त 2015, 10 दिसम्बर 2015, 21 फ़रवरी 2016 , 8 अगस्त 2016, 15 नवम्बर 2016 तथा 21 फ़रवरी 2017 के लगातार धरना प्रदर्शन कर के आवाज सरकार तक पहुँचावल जा रहल बा आ ज्ञापन आ माँग पत्र प्रधानमंत्री,गृहमंत्री आउर अन्य मंत्री,सांसद लोगन के दिआइल बा।कुछ सांसद आ मंत्री लोग समर्थन में आगे भी आइल बा आ संसद में भोजपुरी के बात जोरदार तरिका से रखले बा लोग । बाकिर सरकार एह विषय पर आपन मनसा अभी तक स्पष्ट नइखे कर पावत। एही के लेके सातवाँ धरना प्रदर्शन संसद के मानसून सत्र में राखल गइल बा।

भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय संयोजक के नाते सभे भोजपुरी के संस्था, भोजपुरी प्रेमी, साहित्यकार,पत्रकार, समाजसेवी, गायक कलाकार, रंगकर्मी, राजनेता, भोजपुरी से जुडल सभे लोग से एह धरना प्रदर्शन में शामिल होखे खातिर निहोरा करतानी।

एह धरना में छत्तीसगढ़, उत्तरप्रदेश, चम्पारण, मध्यप्रदेश, बिहार, झारखंड, के अलावा मुम्बई, कोलकाता, असम आ देश के कई भोजपुरी क्षेत्र से भोजपुरी भाषा भाषी व प्रतिनिधि शामिल होइहे । भोजपुरी भाषा के सम्मान आ आपन हक खातिर भोजपुरी भाषा-भाषी लोग के जुटान होई।

– राजेश भोजपुरिया,
(राष्ट्रीय संयोजक)
“भोजपुरी जन जागरण अभियान ”
सम्पर्क :- 9031380713

 380 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: