देश के चुनिन्दा प्रबन्धन कॉलेजन में पढ़ाई करे के इच्छुक विद्यार्थियन के जानकारी दिहल जा रहल बा कि कैट परीक्षा के फार्म ३० अगस्त २०१० से मिले के शुरु हो जाई आ ३० सितम्बर २०१० तक जमा करावल जा सकी. एह परीक्षा से अहमदाबाद, बैंगलोर, कोलकाता, इन्दौर, कोझीकोड, लखनऊ, राँची, रोहतक, आ शिलांग के आई आई एम में प्रवेश मिल सकेला. साथ ही कुछ अउरीओ कालेज एही परीक्षा के अंक ले के अपना हियाँ प्रवेश लेबेलन.

एह परीक्षा से जुड़ल आधिकारिक जानकारी कैट परीक्षा का साइट से लिहल जा सकेला.

Loading

Scroll Up