भोजपुरी के बढ़त लोकप्रियता देख के गैर भोजपूरी भाषी लोगो भोजपुरी के डिग्री लेबे लागल बा. बाकिर अबही ले भोजपुरी इलाका के लोग एह सुविधा के लाभ उठावे में पाछा छूटल जात बा. शायद एकर कारण बा कि हमनी का एह बारे में पूरा जानकारी नइखे.

इग्नू भोजपुरी के फाउण्डेशन कोर्स शुरु कइले बा जवना के बांगला, गुजराती,हिन्दी, असमिया भाषा के समतुल्य राखल गइल बा. इग्नू के एह डिग्री के मान्यता हर जगहा बा आ ओकरा बाद रउरा कहीं से स्नातकोत्तर कर सकेला. इग्नू से बीए करे में तीन तरह के पाठ्यक्रम चुने के पड़ेला. एक त चौबीस क्रेडिट के आधार पाठ्यक्रम होखेला जवना में आठ आठ क्रेडिट के सोशल साइन्स आ साइन्स टेक्नोलोजी अनिवार्य बा आ चार चार क्रेडिट के कोर्स खातिर अंग्रेजी भा हिन्दी का साथ साथ भोजपुरी लिहल जा सकेला.

एच्छिक विषय में ५६ से ६४ क्रेडिट के हिन्दी, अंग्रेजी, पालीटिकल साइन्स, इतिहास, नागरिक प्रशासन, समाज शास्त्र, दर्शन शास्त्र, गणित, रसायन शास्त्र आ भोतिकी विज्ञान में से चुने के पड़ी. जबकि तीसरा तरह के कोर्स एल्पिकेशन ओरिएन्टेड होला. एक क्रेडिट के मतलब तीस घंटा के कोर्स भइल. साल में ३२ क्रेडिट के कोर्स कइल जरुरी होले.

इग्नू के पाठ्यक्रम रउरा तीन साल से पाँच साल का भीतर कर सकीलें.


(स्रोत : संतोष कुमार )

Loading

2 thoughts on “भोजपुरी से बीए”

Comments are closed.

%d bloggers like this: