बाकिर काल्हु रात से फेर अँजोरिया वेबसाइट बंद हो गइल रहुवे. एह हॉस्ट से तंग आ गइल बानी बाकिर “उपर चढ़ि के देखा त घर घर एके लेखा”. हर वेबहास्ट का लगे कुछ ना कुछ समस्या बा.
अबही हमरा हॉस्ट के कहना बा कि केहू अँजोरिया के खराब कइल भा हैक कइल चाहत बा. एह चलते अँजोरिया परिवार के सगरी वेबसाइटन पर से कमेंट करे आ रजिस्टर करे के सुविधा हटावल जात बा. रउरा अगर कुछ कहहीं के होखे त हमरा के ईमेल कर दीं. राउर टिप्पणी ओह पोस्ट का साथ जोड़ दिहल जाई.

आशा बा कि रउरा एह असुविधा के सह लेब काहे कि ना रहला से नीमन बा आन्हर बहिर हो के रहल..
राउर,
ओम

Loading

%d bloggers like this: