सगरी नवहियन के अपराधी बनावे में लागल सरकार. कवनो लइकी शिकायत कर देव कि ई आदमी भा लईका हमरा के घूरत रहुवे त ओह आदमी के जमानतो ना हो पाई. सोलह साल का उमिर में शादी ना कर सकऽ, एडल्ट फिलिम ना देख सकऽ बाकिर सहवास के सहमति दे सकेल. शराब पिए पर रोक रही बाकिर सहवास पर ना. बियाह के उमिर लइकियन ला अठारह साल आ लइकन ला इकईस साल बावे बाकिर संभोग करे के इजाजत सोरहे साल मे दिहल चाहत बिया ई सरकार.

बेशर्मी के हद बा! अब अगर कवनो महिला नेता चाहे त अपना विरोधी के बिना जमानत जेल में बंद करवा सकेले कि ई हमरा के घूरत रहुवे.

पूरा देश के लइकियन के छिनार आ लइकन के अपराधी बनावे के कोशिश करत बिया ई सरकार. एकर जतना विरोध हो सके होखे के चाहीं. अगर बिल पास हो गइल त फगुआ के गीत गावलो पाप हो जाई. पता ना अपना मेहरारू, भउजाई, साली, सरहज के देखे घूरे के छूट दिहल जाई कि ना?

बड़ा कूदत रहल ह नवही लोग अब देखी लोग सभे जने के जेहल रिटर्न ना करवा दिहलसि ई सरकार त फेर कहीह.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: