पिछला दू महीना से अपना वेबहास्ट का चलते अँजोरिया के प्रकाशन बार बार बाधित होखला से अनसा के अब अँजोरिया के दोसरा वेबहास्ट पर ले आइल गइल बा.

पिछला वेबहॉस्ट का चलते टिप्पणी आ बहुत कुछ दोसरो तरह के परदा के पीछे के काम पर बाधा लगावे के पड़ल रहे. अब सगरी बाधा हटा दिहल गइल बा. रउरा आराम से टिप्पणी कर सकीले.

साथ ही साथ इहो बतावत चलत बानी कि ई व्यवस्था अस्थायी तौर पर कइल गइल बा. हो सकेला कि एहिजो दिक्कत आवे त फेर एकरा के नया वेबहास्ट पर ले जाये के तइयारी लागल बा. देखल जाव कि राह में आवे वाली बाधा के अँजोरिया कवना तरह से पार करत बिया.

परेशान जतना हो लीं, हार नइखे माने के.

सादर सप्रेम,
राउर,
ओम,
प्रकाशक संपादक अँजोरिया

Loading

5 thoughts on “बार बार होखत परेशानी का चलते”
  1. हँ समीर जी,

    खाये वाला के मालूम होखे के चाहीं कि पकावे वाला कवना हालात में पकावत बा. पाठको लोग के जानकारी रहे के चाहीं कि कवना कारण से वेबसाइट खुलत नइखे.

    चलत गाड़ी में जब अचके में ब्रेक लगावे के पड़ेला त फेर समय लागेला आपन पुरनका रफ्तार पकड़े में.

    रहल बात लिखे पढ़े के टॉपिक के त रउरो जान के अचरज होई कि दू तिहाई पाठक सिनेमा वाला पन्ना से एने ओने ना जासु. सबले खराब हालत साहित्य के होला जवना के पढ़े देखे वाला पाठक बहुते कम मिलेले. बाकिर सगरी कठिनाई का बावजूद अँजोरिया के कोशिश रहेला कि सब कुछ दियात परोसात रहे जेहसे कि पाठक लोग के आवे के मन करे.

    भोजपुरी में वेबसाइटन के कमी नइखे बाकिर अपना मुँहे मिट्ठू बनला के खतरा का बावजूद हम त इहे कहब कि अँजोरिया पर जतना वैविध्य मौजूद बा ओतना दोसरो कवनो साइट पर ना मिली. अँजोरिया के खबर वाला विभाग टटका खबर पर भोजपुरी के खबर दिहला के मतलब खबर से बेसी एह बात के रहेला कि भोजपुरी में सब कुछ मिल सकेला.

    दुर्भाग्य से अँजोरिया पर काम करे वाला हम अकेला आदमी बानी. आजीविका दोसरा काम से चलेला आ भोजपुरी सेवा के काम तब हो पावेला जब समय मिले. लाख चहला का बावजूद अँजोरिया के आर्थिक रुप से सक्षम ना बना पवनी जेहसे कि कुछ लोग के नियमित रूप से राख के काम करा सकीं.

    माफ करब, लिखे बइठल रहनी धन्यवाद आ मन के पीर बाहर निकल आइल.

    रउरा टिप्पणी खातिर लाख लाख धन्यवाद.

    राउर,
    ओम
    संपादक

  2. Chali ehi bahane kuchh naya topic t mili jaat bate nu likhe padhe ke.lagl rahla ke kaam ba

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d