अँजोरिया के नउवाँ जनमदिन पर सगरी पाठकन के प्रणाम

by | Jul 19, 2011 | 9 comments

आजु आठ साल पूरा हो गइल भोजपुरी के सेवा में लागल अँजोरिया के. एह सफर में भोजपुरी प्रेमियन के जवन नेह छोह एकरा मिलल ओह चलते आजु ई दुनिया भर के भोजपुरियन के सबले प्रिय साइट हो गइल बिया. मानत बानी कि अँजोरिया पर आवे वाला लोग के गिनिती का लिहाज से एकर स्थान तिसरका बा बाकिर एकरा खातिर हमरा कवनो अफसोस भा पछतावा नइखे. ना अब हम एह दउड़ में शामिल बानी. काहे कि जान गइल बानी कि हमार बेंवत नइखे एकरा के पहिला जगह पर पहुँचावे के.

बाकिर संतोष एकर बा कि एह पर आवे वाला पाठक पाठिका भोजपुरी प्रेम से एहिजा कवनो दोसरा भोजपुरी वेबसाइट, नेटवर्क, पोर्टल, ग्रुप, ब्लॉग का तुलना में सबले बेसी देर ले रुकेले, सबले बेसी पन्ना पलटेले. कुल पेजव्यू आ हर पाठक पेजव्यू का मामिला में अँजोरिया के कवनो मुकाबिला नइखे.आ हमरा के तोस देबे खातिर अतने काफी बा.

एह मौका पर भोजपुरी के सेवा में लागल दोसरा वेबसाइटनो के अँजोरिया आभारी बिया कि ओह लोग का चलते कबो अकेलापन ना महसूस भइल.हमेशा लागल कि एगो बड़हन जमात एह काम में लागल बा आ अँजोरिया अकेले नइखे. ना त भोजपुरी के सेवा सम्हार कवनो अकेला वेबसाइट का बस के बाहर के बाति बा. हर केहू अपना नजरिया से, अपना तरीका से भोजपुरी के सेवा में लागल बा आ एह चलते भोजपुरी के कवनो पक्ष अनदेखल नइखे रहि जात, निमन बाउर जवन कुछ बा सगरी सामने आवत बा.

आजु अँजोरिया के नउवाँ जनमदिन भा आठवाँ वर्षगाँठ पर हम फेर आपन संकल्प दोहरावत बानी कि जबले आ जतना बस में रही, भोजपुरी के ओतना सेवा करे में कबो पाछा ना हटब. आखिर रउरा सभे अतना नेह छोह का साथे लागल बानी त एह से हमार उत्साह बढ़ही के नू बा !

बस आशीर्वाद देत रहीं सभे.

राउर,

ओम
संपादक प्रकाशक, अँजोरिया

Loading

9 Comments

  1. आशुतोष कुमार सिंह

    संपादक जी नमस्कार,
    बहुत खुशी के बात बा की अंजोरिया आपन अंजोर चहूंओर फइला रहल बा। हमार ढ़ेर बधाई स्वीकार करीं।
    राउर
    आशुतोष कुमार सिंह

  2. neeraj kumar

    संपादक जी नमस्कार,
    यह जानकर अति हर्ष हुआ कि अंजोरिया डोट कॉम अपने ९ साल सफलता पूर्वक
    पूरे कर चूका है| आज संपूर्ण भारत में भोजपुरी को जो इतना सम्मान और बढ़ावा
    मिला है उसके लिए अंजोरिया डोट कॉम का योगदान अतुलनीय है| मैं ईश्वर से
    कामना करता हूँ कि अंजोरिया डोट कॉम इसी तरह अपना प्रकाश सभी लोगों के
    हृदय में संजोता रहे तथा यह दिन दूना रात चौगुना इसी तरह फैलता रहे|

    धन्यवाद् !
    आपका अपना
    नीरज कुमार (अध्यापक)
    ४१,तिगिपुर, दिल्ली-110036

  3. दयानंद पांडेय

    बहुत बधाई.
    अइसै अजोर हरदम बनल रहै. और् कि अंजोरिया क रूप हरदम छाती पर चढल रहै. ठीक वैसे जैसे:

    उगल अंजोरिया क चांद
    त अंगना टूटे लागल
    रूपवा क एतना जोर
    कि अयना फूटे लागल

    बहुत बधाई !

  4. डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

    जानिके नीक लागल कि आजु आठ साल पूरा हो गइल अँजोरिया के. देखते-देखते फेरु साल बीत गइल !…….. भगवान से प्रार्थना बा कि उहाँके अँजोरिया के भरपूर आशीर्वाद दीं.
    अब भोजपुरी के वेबसाइट आ ब्लाग अङुरी प गिने लाएक नइखे रहि गइल. भोजपुरी के भविष्य खातिर ई शुभ संकेत बा. ई सभ रउँवा सभके प्रेरणा के असर हऽ. बधाई ! !

  5. Sunil Patel

    Janam Din a barsh gath ke bahut bahut shuvkama aur mobaraka.

    Asha ba raur e sanchar Aa prayash se raua Bhojpuri 8 wa anisuchi me samil kareme safal hokhem aur jaldi hi bharatbarsh me bhasik gulami k aant hoi.
    fir ekber janam din aa barsh gath ke bahut bahut Shuvkamanaaaaaaa

  6. bhola prakash

    बहुत -बहुत बधाई अँजोरिया.कॉम के .
    भोला प्रकाश

  7. प्रभाकर पाण्डेय

    संपादकजी,
    अँजोरिया
    सादर नमस्कार।
    बहुत-बहुत बधाई अउर शुभकामना अँजोरिया के, एकरी संचालक मंडल के, एकरी पाठक लोगीं के अउर साथे-साथे पूरा भोजपुरिया समुदाय के।
    अँजोरिया के अँजोर बस इहींगाँ बनल रहो।
    सादर।।

  8. amritanshuom

    संपादक जी नमस्कार !
    जान के बड़ी ख़ुशी भइल कि आज अँजोरिया के नउवाँ जनमदिन बा . बहुत -बहुत बधाई !आशा बा अँजोरिया के अंजोर अइसहीं छिंटकत रही .

    चाँद के चाँदनी से दुनिया अंजोर बा .
    राउर अंजोरिया से भोजपुरिया विभोर बा .
    एतना त्याग-तपस्या
    अपना भाषा के खतिर,
    भेद -भाव के जगहा कवनो
    नइखे एकरा खातिर ,
    तबे त चारो ओर मचल बड़ी शोर बा .
    राउर अंजोरिया से भोजपुरिया विभोर बा .

    राउर
    ओ.पी.अमृतांशु

Leave a Reply to दयानंद पांडेय

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up