त्वदीयं वस्तु गोविन्दम् तुभ्यमेव समर्पयामि

by | Feb 22, 2012 | 2 comments

पिछला कई बरिसन से अँजोरिया के प्रकाशन सम्हारत बहुते ऊँच खाल देखे के मिलल. सबले दिक्कत होत रहल बीच बीच में आवे वाला बाधा से. तरह तरह के उपाय अजमवनी आ हर बेर कवनो ना कवनो समस्या सामने आवत रहल. अबही हाल ही में सर्वर मेंटेनेन्स का चलते एक दिन बारह घंटा ले अँजोरिया परिवार के साइट बन्द रहली सँ.

अलग वेबसाइट राखे के मकसद होला आपन पहिचान बनवले बचवले राखे के. दोसर होला कि अगर वेबसाइट लोकप्रिय हो जाव त कुछ विज्ञापन आय समेटे के. बाकिर भोजपुरी वेबसाइट चला के विज्ञापन से आमदनी के सोचल बेवकूफी रहल. दोसरे इहो सोचनी कि अगर कबो कवनो अइसन समस्या आ जाव कि अँजोरिया परिवार के आगे चलावल मुश्किल हो जाव तब त सगरी सामग्री हमेशा खातिर बिला जाई.

बहुत सोच विचार कर के देखनी त तय कइनी कि काहे ना एगो अइसन जगहा अँजिरिया सामग्री सम्हार के राख दिहल जाव कि हमेशा, संभव तरीका से हमेशा, खातिर एकरा के सहेजल जा सके. एही क्रम में अँजोरिया के अधिकतर सामग्री वर्डप्रेस डॉटकॉम पर डाल देबे के फैसला कर लिहनी.

अब ई फैसला सही रहल कि गलत ई त भविष्य में पता चली. बाकिर अतना त तय कर लिहनी कि अँजोरिया परिवार के वेबसाइटन पर प्रकाशित सामग्री भविष्य खातिर सम्हार लिहल गइल बा.

एह सब का बावजूद अँजोरिया के नयका सामग्री हमेशा एकरा वेबसाइटन पर प्रकाशित होखल करी आ कुछ कुछ समय का अन्तराल पर प्रकाशित सामग्री के वर्डप्रेस डॉटकॉम पर जोड़ दिहल जाई.

एह तरह से भोजपुरी वेबसाइटन में सबले बेसी लोकप्रिय साइटन में से एगो अँजोरिया भोजपुरी समाज के संपत्ति भोजपुरी समाज के सँउप दिहलसि.

त्वदीयं वस्तु गोविन्दम् तुभ्यमेव समर्पयामि

Loading

2 Comments

  1. चंदन कुमार मिश्र

    बन्हिआ काम रहल ई। वर्डप्रेसे ठीक बा ब्लाग के तुलना में।

  2. साक्ष्य

    संपादक जी प्रणाम,

    अँजोरिया डॉट कॉम अउर एकर परीवारीक वेबसाइटन पऽ प्रकाशीत भोजपुरी खतिरा दुर्लभ लेख, आलेख, कविता भा कहानी के संभाले के ऐकरा से बढीया दोसरो कवनो उपाय नईखे हो सकत।

    एगो बढीया अउर सार्थक काम कईले बानी रउआ।
    धन्यवाद!

    साक्ष्य

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up