रघुवीर नारायण के पुण्यतिथि

by | Jan 1, 2011 | 2 comments

“सुन्दर सुभूमि भईया भारत के देसवा से, मोरा प्रान बसे हिम खोह रे बटोहिया” गीत के रचयिता बाबू रघुवीर नारायण के पुण्य तिथि आजु ह. छपरा जिला के नयागाँव के वासी रघुवीर नारायण के बेसी रचना अंगरेजी में बा. बाकिर उनकर लिखल भोजपुरी गीत.”बटोहिया” उनुका के अमर बना दिहलसी. देश विदेश में भोजपुरी हमेशा उनुका गीत के आदर का साथ याद करेलें. आ रघुवीर बाबू के पहिचान बटोहिया गीते से होला. १८ अक्टूबर १८८४ के जनमल रघुवीर बाबू के निधन सत्तर साल का उमिर में १ जनवरी १९५४ के हो गइल रहे. अँजोरिया परिवार का तरफ से रघुवीर बाबू के शत शत नमन.

रघुवीर बाबू पर एहू लेख के पढ़ीं
पेश बा रघुवीर बाबू के लिखल अमरकृति :

“बटोहिया”

सुन्दर सुभूमि भैया भारत के देसवा से,
मोरे प्रान बसे हिमखोह रे बटोहिया.
एक द्वार घेरे रामा हिम कोतवलवा से,
तीन द्वार सिन्धु घहरावे रे बटोहिया.
जाउ जाउ भैया रे बटोही हिन्द देखि आउ,
जहँवा कुहुँकि कोयल बोले रे बटोहिया.

पवन सुगंध गंध अगर गगनवा से,
कामिनी विरह राग गावे रे बटोहिया.
विपिन अगम घन सघन बगन बीच,
चंपक कुसुम रंग देबे रे बटोहिया.
द्रुमवट, पीपल कदम्ब नीम्ब आमवृक्ष,
केतकी गुलाब फूल फूले रे बटोहिया.
तोता तूती बोले रामा बोले भेंगरजवा से,
पपीहा के पी पी जिया साले रे बटोहिया.
सुन्दर सुभूमि भैया भारत के देशवा से,
मोरे प्रान बसे गंगा धार रे बटोहिया.

गंगा रे जमुनवा के झगमग पनिया से,
सरजू झमकि लहरावे रे बटोहिया.
ब्रह्मपुत्र पंचनद घहरत निशिदिन,
सोनभद्र मीठे स्वर गावे रे बटोहिया.
अपर अनेक नदी उमडि घुमडि नाचे,
जुगन के जदुआ चलावे रे बटोहिया.
आगरा प्रयाग काशी दिल्ली कलकतवा से,
मोरे प्रान बसे सरजू तीर रे बटोहिया.
जाउ जाउ भैया रे बटोही हिन्द देखि आउ,
जहाँ ऋषि चारो वेद गावे रे बटोहिया.

सीता के विमल जस राम जस कृष्ण जस,
मोरे बाप दादा के कहानी रे बटोहिया.
व्यास बाल्मीकि ऋषि गौतम कपिलदेव,
सूतल अमर के जगावे रे बटोहिया.
रामानुज रामानन्द न्यारी प्यारी रुपकला,
ब्रह्म सुख बन के भँवर रे बटोहिया.
नानक कबीर गौरशंकर श्रीराम कृष्ण,
अलख के गतिया बतावे रे बटोहिया.
विद्यापति कालीदास सूर जयदेव कवि,
तुलसी के सरल कहानी रे बटोहिया.
जाउ जाउ भैया रे बटोही हिन्द देखि आउ,
जहाँ सुख झुले धान खेत रे बटोहिया.

बुद्धदेव पृथु विक्रमार्जुन शिवाजी के,
फिरि-फिरि हिय सुधि आवे रे बटोहिया.
अपर प्रदेस देस सुभग सुघर वेस,
मोरे हिन्द जग के निचोड रे बटोहिया.
सुन्दर सुभूमि भैया भारत के भूमि जोहि,
जन रघुवीर सिर नावे रे बटोहिया.

Loading

2 Comments

  1. amritanshuom

    रघुवीर बाबू के पुण्य तिथि में हमहूँ शामिल होके , उनुकर आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना करत बानी !
    ओ.पी. अमृतांशु

  2. Santosh Kumar

    adarniya raghubhir narayan ji ke punyatithi ke yad karat uha ke hamar apn sarda ke anjuri .
    bhojpuri jindagi parivar ke ori se sardha suman
    aa anjoria ke vishesh bhadhai je hamani ke ee mahatwapurn jankari deles.
    sadar
    santosh patel

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up