मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानोमंत्री रह चुकल अनिरुध जगनाथ के 91 बरीस का उमिर में काल्हु बियफे का दिने गंगा लाभ हो गइल. उनुका सम्मान में भारत सरकार शनीचर का दिने एक दिन के राष्ट्रीय शोक मनावे के एलान कइलसि आ काल्हु शनीचर के राष्ट्रध्वज आधा झुका के फहरावल जाई. काल्हु देश भर में कवनो सरकारी मनरंजन के काम ना होखी.
जगनाथ के निधन पर शोक प्रकट करत पीएम मोदी कहनी कि ऊ एगो स्टेट्समैन रहलन आ आधुनिक मॉारीशस के निर्माता रहलन. कहलन कि एह गर्वित प्रवासी भारतीय का चलते भारत आ मॉरीशस के आपसी संबंध पोढ़ बनल. जाने जोग बा कि अनिरुध जगनाथ के भारत के बड़का नागरिक सम्मान पद्मविभूषण से सम्मानित कइल जा चुकल बा.
एह घरी उनुकर बेटा प्रविन्द जगनाथ मॉरीशस के प्रधानमंत्री बाड़न. इहो जाने जोग बा कि जगनाथ के परिवार बलिया जिला के अठिलपुरा गाँव के रहलें. बरीस 1873 में उनुकर पिता आ चाचा गिरमिटिया मजदूर का रुप में मॉरीशस भेजल गइल रहलें.

 265 total views,  3 views today

By Editor

%d bloggers like this: