SadanandShahi
उत्तर प्रदेश सरकार एह बात के मंजूरी दे दिहलसि कि राज्य में भोजपुरी अकादमी बनावल जाव.

भोजपुरी प्रेमी बहुते दिन से एकर माँग करत रहले आ अब जा के प्रदेश सरकार एह माँग के मनले बिया. बाकिर अबहीं ई एगो फैसला भर बा आ कब ले अकादमी बन पाई एह बारे में अबहीं कुछ तय नईखे.

वइसे सरकार के एह फैसला का बारे में सुनते प्रदेश के भोजपुरिया गदगद हो गइल बाड़ें आ भोजपुरी के मठाधीश लाग गइल बाड़े आपन आपन गोटी भिड़ावे में. देखल जाव के भारी पड़त बा बाकी सभ पर.

एह दौड़ में सबले आगा बाड़न जन भोजपुरी मंच के संयोजक सदानंद शाही जिनकर कहना बा कि “हमन के पांच अगस्त के मुख्यमंत्री जी से मिलल रहलीं आ राज्य में भोजपुरी अकादमी बनावे खातिर निहोरा कइले रहलीं. मुख्यमंत्री जी लगभग आधा घंटा ले हमन के बात ध्यान से सुनलें. ए बातचीत में अकादमी के प्रस्ताव प उनके रुख बहुत निक रहे इ तब्बे बुझा गइल रहे. …. (बाकिर) मुख्यमंत्री एतना जल्दी फैसला करीहे, इ हमन के अंदाज़ा ना रहे. मात्र तीन हफ्ता के भीतरे भोजपुरी अकादमी बना के उ हमन के चकित क देहलन. मुख्यमंत्री अखिलेश यादव जी के ए फैसला से भोजपुरी भाषा संस्कृति आ समाज के बढती होई. उनका के भोजपुरी समाज के ओर से, जन भोजपुरी मंच के ओर से धन्यवाद”.

 300 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: