दाउद आपन गलती सकार लिहलस

पाकिस्तानी दाउद गिलानी, जे अमेरिकी डेविड हेडली बन गइल बा, काल्हु अमेरिका के एगो अदालत में अपना पर लगावल १२ गो जुर्म के आरोप सकार लिहलस. एह प्लीड गिल्टि का बदला ओकरा के मौत के सजाय ना दिहल जाई आ हो सकी त उमिर कैद का बजाय कम दिन के जेल के सजाय सुनावल जाई. मुंबई पर भइल आतंकी हमला के षडयन्त्र रचे के जवना में छह गो अमेरिकन के मौत हो गइल रहे, के आरोप ऊ मान लिहले बा. इहो संभावना बा कि भारत सरकार ओकरा से पुछताछ कर सकेले.

विदेशी विश्वविद्यालय का खिलाफ कांग्रेसो में भुनभुनाहट

भारत सरकार विदेशी विश्वविद्यालयन के आपन परिसर हिन्दुस्तान में लगावे के अनुमति देबे के तइयारी में कानून बनावे जा रहल बिया जवना के विपक्ष त विरोध करिये रहल बा, कांग्रेसो में ओकरा खिलाफ भुनभुनाहट शुरु हो गइल बा. बड़का राजनेतवा अपना बालबच्चा के त विदेश भेज देलें, चाहे ऊ राजीव होखस भा मुलायम, बाकिर आम आदमी के विदेशि विश्वविद्यालय से पढ़े देवे में ओकनी के हमेशा विरोध रहेला. अगर शिक्षा व्यवस्था में सुधार हो जाव त ओह लोग के नेतागिरी जा सकेला. अबहीं शिक्षक पढ़ावल छोड़ के सब काम करेलें आ विद्यार्थी पढ़ाई कम फालतू नेतागिरी बेसी करेलें.

नयका बोतल में पुरनका शराब कि पुरनका बोतल में नयका शराब

भाजपा कार्यकारिणी का एलान का बाद बिहारी बाबू शॉटगन सिन्हा शॉट लगा दिहले बाड़न. कहलें कि बहुते निराशा भइल देख के कि पुरान बोतल में नया शराब दिहल जा रहल बा. चउँकनी कि कहावत कुछ जमत नइखे. कहे के चाहत रहे कि नयका बोतल में पुरनका शराब दिहल जा रहल बा. बाद में पता चलल कि पियक्कड़ पुरनका शराब के बड़ा चाव से पियेलें. नयका शराब से ओतना मस्ती ना आ पावे. त शॉटगन सिन्हा ठीके कहले बाड़न. उनका बेसी विरोध एह बात से बा कि यशवन्त सिन्हा जइसन बड़ नेता के जगह नइखे मिलल बाकिर रविशंकर प्रसाद के बड़हन ओहदा दे दिहल गइल बा. शत्रुघ्न, यशवन्त, आ रविशंकर एके जमात के ह लोग.

नक्सली गिरोह में शामिल भइला पर पगार मिलल करी

नक्सली आपन ताकत बढ़ावे खातिर तय कइले बाड़े सन कि ओह गिरोह में शामिल होखे वाला बेरोजगारन के अब पगार दिहल जाई. एहसे बेसी लोग नक्सली जमात में शामिल हो पइहें. इहे बतावत बा कि नक्सली अब सिद्धान्त के बात ना करके सोझे छीना झपटी आ डकैती के काम करे के तइयारी कर रहल बाड़े सँ. नवजवान लड़कियनो के बड़ संख्या में बहाली करे के फैसला लिहले बाड़े सँ जवना से कि जंगल में मंगल रहे आ खुफियागिरी में सुविधा. सरकार के ग्रीन हंट का जवाब में ई नक्सलियन के हरियरी हऽ.

प्रवीण तोगड़िया आजु कंधमाल में जबरिया घुसीहें

विहिप नेता प्रवीण तोगड़िया आजु उड़ीसा सरकार के फैसला का खिलाफ कंधमाल में जबरन घुसे के कोशिश करीहें. उड़ीसा के कंधमाल में एगो विहिप नेता के हत्या का बाद ओहिजा नाराजगी भड़क उठल रहे. तब से सरकार ओहिजा विहिप नेता लोग के जाये नइखे देत.

मनरेगा का धन से अब कंप्यटर खरीदाई

राजीव गाँधी सेवा केन्द्र का नाम से बने जा रहल पंचायत घर त मनरेगा का धन से बनते रहल हऽ, अब ओह केन्द्रन पर कंप्यूटर लगावे खातिर मनरेगा के अढ़ाई हजार करोड़ रुपिया से कंप्यूटर खरीदल जाई. मनरेगा के योजना मुताबिक साठ फीसदी धन मजदूरी में आ चालीस फीसदी सामान खरीदे में लगावल जा सकेला. ओहि निर्माण सामग्री खरीदे वाला हिस्सा से ई कंप्यूटर खरीदल जाई.

राबड़ी के सुरक्षा व्यवस्था में कटौती से बेपरवाह बाड़े लालू

पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के सुरक्षा व्यवस्था में सरकार कुछ कमी ले आइल बिया जवना पर टिप्पणी करत लालू कहले कि, राबड़ी के सुरक्षा हम बानी. सरकार नियमानुसार पांच साल बीत गइला का बाद पूर्व मुख्यमंत्री के विशेष सुरक्षा हटा लिहले बिया. सामान्य सुरक्षा अबहियो दिहल जा रहल बा.

ज्ञान विश्वविद्यालय के पहिलका कुलपति बनले डा॰गुहा

पटना साइन्स कालेज के भौतिकी विभाग के सेवानिवृत प्रोफेसर डा॰ शंभुनाथ गुहा के ज्ञान विश्वविद्यालय के पहिलका कुलपति बनावल गइल बा. गुहा का जिम्मे विश्वविद्यालय के ढाँचा खड़ा करे के काम बा. ज्ञान विश्विवद्यालय में बिहार के सगरी मेडिकल, इंजिनियरिंग, आ प्रोफेशनल कालेन अइहें सँ. एकर मुख्यालय पटना में रही.

युवराज स्वंयवर रचावे के तइयार ना भइलें

क्रिकेट खिलाड़ी युवराज सिंह के एगो टीवी चैनल प्रस्ताव दिहले रहल ह कि ऊ ओकरा रियलिटी शो में आपन स्वंयवर रचावस. युवराज एह प्रस्ताव के नकार दिहलें. टीआरपी रचावे का फेर में चैनल स्वयंवर के मतलबे मदल दिहले बाड़े. स्वयंवर ओह परंपरा के नाम रहे जवना में कन्या आपन वर खुद चुनत रहे. राखी सांवत के स्वंयवर त समुझ में आइल राहुल महाजन के ना. एह नया रियलिटी शो के नाम होखे के चाहीं स्वंयकन्या!

राजस्थान रायल्स फेर हारल

प्रवीण के हैट्रिक आ अनिल कुंबले के सटीक गेंदबाजी का चलते बेंगलुरु में भइल काल्ह के आईपीएल मैच में रायल चैलेंजर्स राजस्थान रायल्स के हरा दिहलें. अब ले राजस्थान रायल कवनो मैच नइखे जीतले आ मुंबई इण्डियन्स नइखे हरले

 837 total views,  5 views today

%d bloggers like this: