गोरखपुर जिला पंचायत सभागार में नया मीडिया मंच पिछला दिने ‘नया मीडिया एवं ग्रामीण पत्रकारिता’ विषय पर एगो संगोष्ठी आयोजित कइलसि. एह में चुनिंदा पत्रकारन के सम्मानितो कइल गइल.
समारोह के अध्यक्षता करत दीनदयाल गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिन्दी विभाग के विभागाध्यक्ष रहल प्रो. रामदेव शुक्ल कहनी कि ग्रामीण पत्रकारिता के दरद सुन के बहुते पीड़ा भइल. आ समाचार छापे में होखे वाला मनमानी से पत्रकारन के मनोबल टूटेला. प्रो शुक्ल के कहना रहे कि गांवन के विकास में ग्रामीण पत्रकारन के भूमिका अहम बा. पत्रकारन के चाहीं कि आपन ताकत पहिचानसु. कहल गइल बा कि कलम के मुकाबला तोपो ना कर सके. आज अगर आजाद मीडिया ना रहीत त देश कबे बेचा गइल रहीत.
प्रो॰ शुक्ला हालांकि सोशल मीडिया प फूहड़नपन बढ़ला से चिंतित रहनी आ कहनी कि फूहड़पन भारतीय संस्कृति के उल्टा होला.
संगोष्ठी में मा.वि.वि. भोपाल के ई-मीडिया के विभागाध्यक्ष डॉ. श्रीकान्त सिंह, पंकज झा, यशवन्त सिंह, डॉ. दिनेश मणि त्रिपाठी, आल इण्डिया रेडियो , दिल्ली की समाचार वाचिका श्रीमती अलका सिंह, संजय मिश्र, नर्वदेश्वर पाण्डेय ‘देहाती’, डॉ. जयप्रकाश पाठक, डॉ.सौरभ मालवीय, राजीव कुमार यादव, अरुण कुमार पाण्डेय, सिद्धार्थ मणि त्रिपाठी, सतीश कुमार सिंह, पं. राघवशरण तिवारी समेत दर्जनो लोग संबोधित कइल.
संगोष्ठी के संचालन कइलन शिवानन्द द्विवेदी. एह मौका प उदय प्रताप सिंह, विवेक धर द्विवेदी, विद्या पाण्डेय, दिलीप मल्ल, जयशंकर पाण्डेय समेत सैकड़ों पत्रकार, अधिवक्ता, समाजसेवी वगैरह उपस्थित रहे.
आखिर में प्रो. रामदेव शुक्ल का हाथे पत्रकार नर्वदेश्वर पाण्डेय ‘देहाती’, संजय मिश्र, राजीव कुमार यादव, इलेक्ट्रानिक मीडिया के पत्रकार सौरव मालवीय आ शिक्षाविद् प्रो. जयप्रकाश पाठक समेत पांच लोग क प्रशस्ति पत्र आ स्मृति चिह्न देके “मोती बीए सम्मान” से सम्मानित कइल गइल.
(मधुलेश पाण्डेय)
(२४ दिसंबर १३)
182 total views, 1 views today