Vimochanपिछला अतवार का दिने जमशेदपुर के प्रताप कल्याण केन्द्र छोटा गोविन्दपुर के सभागार में आरा के मशहूर साहित्यकार चौधरी कन्हैया प्रसाद सिंह के भोजपुरी एकांकी संग्रह ‘अनुवन्ता’ आ ‘धर्मी’ के विमोचन भइल.

विमोचन मोतीलाल सिंह, बच्चन पाठक ‘सलिल’, अरविन्द विद्रोही, मनोकामना सिंह ‘अजय’, आ जयबहादुर सिंह का हाथे करावल गइल.

अध्यक्षता भोजपुरिया बेयार के राष्ट्रीय अध्यक्ष रमेश कुमार आ संचालन उदय प्रताप हयात कइलन.

विमोचन का बाद भइल कवि सम्मेलन में जमशेदपुर के कवि लोग आपन कविता पाठ कइल आ सुनेवालन के वाहवाही लूटल.


(उमेश ओझा)

 456 total views,  8 views today

By Editor

%d bloggers like this: