जमशेदपुर में काल्हु से आस्था नाम के संस्था भारत सरकार का केंद्रीय खाद्य प्रसंस्करण मंत्रालय, झारखंड के कला संस्कृति युवा मामला विभाग, झारखंड पुलिस एसोसिएशन, आ टाटा स्टील का सहयोग से “संबंध २०१०” नाम के एगो उत्सव शुरु भइल बा. कार्यक्रम के उद्घाटन मारीशस के राष्ट्रपति अनिरुध जगनाथ कइलें

कार्यक्रम में शामिल होखे भोजपुरी सम्राट भरत शर्मा व्यास, मालिनी अवस्थी, आ राजकुमार पाण्डेय अपना गायकी के त पाखी हेगडे अपना नृत्य के जलवा देखावल लोग. बाद में कार्यक्रम में शामिल होखे आइल कलाकारन के सम्मानित कइल गइल.

भरत शर्मा व्यास कहलें कि जवना लोग के भोजपुरी अइबे ना करे, बुझइबे ना करे ओह लोग के सुर संग्राम के जज बनावल गइल बा. एहसे हो ई रहल बा कि योग्य प्रतिभागी आगा नइखन बढ़ पावत. एह बाति के विरोध मालिनी अवस्थी कइली आ कहली कि ऊ कवनो अइसन कार्यक्रम में जाइये नइखी सकत जवना में पक्षपात होखे के तनिको अनेसा होखे.

एह कार्यक्रम में भोजपुरी गायिका कल्पना के बोलावल गइल बा. उनकर कार्यक्रम २१ तारीख के होखी. भोजपुरी में अश्लीलता के विरोध करे वाला लोग एह फैसला का खिलाफ विरोध प्रदर्शन करे का तइयारी में बा. बाकिर आयोजक अपना फैसला पर अड़ल बाड़े.


(स्रोत – समाचार माध्यम)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d