टटका खबर, अतवार, २१ मार्च

by | Mar 21, 2010 | 1 comment

डेविड हेडली भारत के ना सँउपल जाई, कहलस अमेरिका

अमेरिकी प्रशासन के कहनाम बा कि भारत चाहे त डेविड हेडली से पुछताछ कर सकेला बाकिर ओकरा के भारत के ना सँउपल जाई. एने गृहमंत्री राष्ट्रीय जाँच एजेन्सी के डेविड से पुछताछ करे के तइयारी करे के निर्देश दिहले बाड़े. इहो कहले बाड़न कि डेविड हेडली के कबूलनामा से पाकिस्तान के सबक लेबे के चाहीं आ सगरी षडयंत्रकारियन का खिलाफ कार्रवाई करे के चाहीं.

गिरिजा प्रसाद कोइराला के निधन

नेपाली राजनीति के महापुरुष पूर्व प्रधानमंत्री गिरिजा प्रसाद कोइराला के लमहर बीमारी का बाद निधन हो गइल. दिवंगत नेता के नेपाल के सगरी राजनीतिक दल अलगा अलगा बइठका कर के कोइराला के श्रद्धांजलि दिहलें, कहल गइल कि नेपाल के नया संविधान लिखे का तरफ एकजुट प्रयासे उनका खातिर सही श्रद्धांजलि होखी.

नरेन्द्र मोदी आज जाँच दल का सोझा पेश ना होखिहन

गुजरात दंगा के जाच कर रहल विशेष जाँच दल पूर्व सांसद एहसान जाफरी का बेवा का शिकायत पर नरेन्द्र मोदी के समन भेज के आजु अपना सोझा हाजिर होखे के कहले रहुवे. बतावल जा रहल बा कि नरेन्द्र मोदी ओह समन के कवनो जवाब नइखन दिहलें आ शायद आजु हाजिरो ना होखीहन.

सज्जन कुमार का खिलाफ मुकदमा चलावले जाई

साल १९८४ के सिक्ख विरोधी दंगा के एगो मामिला में पूर्व कांग्रेसी सांसद सज्जन कुमार पर मुकदमा चलावे के आदेश कोर्ट दिहले बा. सज्जन से जुड़ल दू गो मामिला काल्हु विशेष अदालत के सँउप दिहल गइल. सज्जन कुमार के उहो अरजी खारिज कर दिहल गइल जवना में ऊ कुछ कागजातन के माँग कइले रहलें. अब सज्जन कुमार आ दोसरा आरोपियन के २७ मार्च के कोर्ट में हाजिर होखे के कहल गइल बा.

गोवा के कांग्रेसी सरकार पर राजनीतिक संकट

गोवा के कांग्रेस नीत गठबन्धन सरकार पर संकट मँडरा रहल बा. सात गो विधायक जवना में छह गो मंत्री बाड़े बइठक कर के तय कइले बाड़न कि सरकार के समर्थन ना दिहल जाई. ओह लोग के कहनाम बा कि मुख्यमंत्री एगो मंत्री के हटावे के कोशिश कर रहल बाड़े. मुख्यमंत्री दिगम्बर कामत के कहनाम बा कि राकांपा केन्द्र आ महाराष्ट्र में कांग्रेस के सहयोगी दल बा आ गोवो में ऊ सरकार का खिलाफ ना जाई, अइसन ना माने के कवनो कारण नइखे.

महिला आरक्षण विरोधी बोर्ड में पहिले से बेसी महिला सदस्य

मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड में अब पांच गो महिला सदस्य रहीहें. पहिले एके गो महिला सदस्य रहली. कार्यकारिणी में अब ५१ गो सदस्य रहीहें जवना में से दस गो के अध्यक्ष खुदे नामित करीहें. नदवा कालेज में चल रहल २१ वां सालाना अधिवेशन में मौलाना सैय्यद राबे हसनी नदवी के लगातार तीसरका बेर बोर्ड के अध्यक्ष बनावल गइल बा.

बनारस के डा॰डी॰पी॰सिंह हत्याकाण्ड के आरोपी बरी हो गइलें

अढ़ाई साल पहिले बनारस के डा॰डी॰पी॰सिंह के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल रहे. बाद में डाक्टर लोग आन्दोलित भइल त पुलिस डा॰डी॰पी॰सिंह के पत्नी डा॰शिल्पी राजपूत के मुख्य आरोपी बना दिहलस. फास्ट ट्रैक कोर्ट काल्हु डा॰ शिल्पी समेत सगरौ आरोपितन के बाइज्जत बरी कर दिहलसि. अदालत में दाखिल सीबीसीआईडी के रिपोर्ट में पुलिसिया कहानी के झूठ बतवले रहे आ विवेचना अधिकारी का खिलाफ विबागीय कार्रवाई के संस्तुति कइले रहे.

भाग मिल्खा भाग

फ्लाइंग सिक्ख का नाम से मशहूर मिल्खा सिंह पर बालीवुड एगो बड़हन फिल्म बनावे जा रहल बा जवन कि कवनो खिलाड़ी का जीवन पर बने वाली पहिलका फिल्म होखी. एह फिल्म के निर्माण राकेश मेहरा करीहन आ पटकथा लिखिहें प्रसून जोशी. अपना जीवन पर फिल्म बनावे खातिर ७५ साल के मिल्खा सिंह महज एक रुपया के शुल्क लिहले बाड़े. मिल्खा सिंह आजकाल पंजाब सरकार में खेल निदेशक का पद पर बाड़े. फिल्म के नाम राखल गइल बा भाग मिल्खा भाग.

अयोध्या में मस्जिद बनावे के साजिश हो रहल बा

भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष विनय कटियार काल्हु कानपुर में कहलें कि बसपा आ सपा अयोध्या मे रामजन्मभूमि पर मस्जिद बनवावे के साजिश करत बाड़ी सँ जवना के सफल ना होखे दिहल जाई. कहलें कि ओहिजा सिर्फ मन्दिर बनावल जा सकेला दोसर कुछ ना बने दिहल जाई. इहो कहलन कि रामनवमी का दिने अयोध्या में साधु संतन का साथे बतिया के अगिला योजना के फैसला कइल जाई.

आजु आईपीएल के दू गो नया टीम के एलान हो सकेला

आईपीएल में दू गो नया टीम खातिर लगावल गइल बोली के आज फैसला हो सकेला आ दू गो नया टीम के एलान हो सकेला. नीलामी में बोली लगावे खातिर एक करोड़ डॉलर के अग्रिम राशि जमा करे के पड़ी. सफल बोली लगावे वाला आठ गो शहर, पुणे, अहमदाबाद, कानपुर, नागपुर, इंदौर, कटक, ग्वालियर, आ विशाखापत्तनम, में से कवनो का नाम पर टीम बना सकेलें. ओने काल्हु भइल एगो मैच में राजस्थान रॉयल्स कोलकाता नाइट राइडर्स के ३४ रन से हरा के आपन पहिलका जीत दर्ज कर लिहलस

Loading

1 Comment

  1. SANJAY KUMAR

    We are missing the link of JAGRAN NEWS (Districtwise), it was adding useful value to the site, please restore, we are badly missing this.

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up