टटका खबर, अतवार, २३ मई

by | May 23, 2010 | 0 comments

मैंगलोर में हवाई जहाज गड़हा में गिरल

शनिचर के सबेरे एयर इण्डिया दुबई से १६० सवारी बइठा के उड़ल जहाज मेंगलोर का लगे बाजपे हवाई अड्डा पर उतरत घरी दीवाल तूड़त बाहर गड़हा में गिर पड़ल. दुर्घटना का बाद जहाज में आग लाग गइल. ओहपर छह गो क्रू टीम के लोग रहल. एह १६६ आदमी में से आठ आदमी के बचावल जा सकल जवना में से एक आदमी अस्पताल का रास्ता में मर गइलें. एह हवाई अड्डा के दुनिया के कुछ सबसे खतरनाक हवाई अड्डा में मानल जाला. अधिकतर लोग केरल के रहे.

लैला तूफान का चपेट में आंध्र के २७ आदमी के मौत

शुक का दिने आंध्र का समुद्र किनारे के इलाका में तीसरका दिने भारी बरखा आ तेज आँधी चलल जवना में अबले कम से कम २७ आदमी के मौत हो चुकल बा. मौसम विभाग का मुताबिक लैला कमजोर पड़ गइल बा आ किनारा से टकरा के अब उड़ीसा के रुख कर लिहले बा.

शिबू सोरेन दुनु तरफ बतियावत बाड़न

झारखण्ड के मुख्यमंत्री शिबू सोरेन जे छह महीना के अवधि खतम होखे से पहिले विधायक ना चुना पइहें आ राजनैतिक नैतिकता के तकाजा बा कि ऊ ओकरा बाद मुख्यमंत्री बनल मत रहस, कांग्रेस आ भाजपा दुनु से सौदाबाजी करे में लागल बाड़न. जेने गोटी सेट हो जाई ओनिये हो जइहें. उनकर शर्त बस एके गो बा, मुख्यमंत्री उहे रहीहें! लालच आ मजबूरी में भाजपा आपन सगरी नैतिकता भुला के शिबू सोरेन से आपन समर्थन वापिसो लेबे के फैसला नइखे कर पावत.

आगरा में दू दिन के राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन शुरु

शनिचर के आगराके सूर सदन में दू दिन के राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन के शुरुआत मारीशस से आइल डा॰सरिता बुद्धु दिया जरा के कइली. मारिशस का अलावे एह सम्मेलन में सिंगापुर, कनाडा, फिजी, मलेशिया आ सूरीनामो से प्रतिनिधि शामिल भइल बाड़े. देर साँझ कवि सम्मेलन भइल आ मेघदूत के पूर्वांचल यात्रा नाम के गीत नाटिका के मंचन भइल. देश के कई राज्यन से भोजपुरी साहित्यकार जुटल बाड़े. सम्मेलन के समापन आजु लोकरंग कार्यक्रम का साथे होखी.

लालू के झूठिलावत नक्सली चार गो आम आदमी के मार दिहलें सँ

दू दिन पहिले लालू नक्सलियन के वाहवाही करत कहले रहलें कि नक्सली कबो आम आदमी के ना मारऽ सँ. बस पुलिस आ सुरक्षा बल के जवाने ओकनी के निशाना पर रहेलें. आम आदमी में ओहि के मारे लें सँ जे पुलिस के मुखबिर होला. आदमी कतना वाहियात बात कर सकेला लालू ओकर सबसे बड़ नमूना हउवें आ आजु ले उनका जोड़ के कवनो दोसर नेता ना बन सकल. शायद ओतना नीचे गिरल केहू के मंजूर नइखे. शिवहर जिला के रामबन गाँव में करीब डेढ़ सौ नक्सलियन के गिरोह चहुँपल आ अंधाधुंध फायरिंग कर के एके परिवार के तीन सदस्य समेत चार गो के मार गिरवलें सँ. ओकरा बाद बाजार के दर्जन से बेसी दूकान फूंक दिहलें सँ. तेल शायद लालू के लालटेन वाला होखी!

तमिलनाडु ट्रेन ब्लास्ट के सगरी आरोपी बरी कर दिहल गइलें

बाबरी मस्जिद विंध्वंस के बदला लेबे खातिर छह दिसम्बर १९९७ के चेन्नई से खुले वाली तीन गो रेल गाड़ियन में विस्फोट करा के दस आदमी के जान लेबे वाला आ सत्तर आदमी के घवाहिल करे वाला सगरी आरोपियन के कोर्ट बरी कर दिहलस काहे कि अभियोजन पक्ष कवनो सुबूत ना जुटा पावल जवना से ओकनी के अपराधी साबित कइल जा सको. जे गवाह रहलें सब के सब टूट गइलें आ पक्ष द्रोही बन गइलें.

मीडियावालन से झगड़ा के चलते बीएनकालेज के प्रिन्सिपल गिरफ्तार

पटना के मशहूर बी एन कालेज के प्रिन्सिपल राजकिशोर प्रसाद के बियफे का दिने एगो मीडिया वाला से मारपीट का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे. शुक का देर रात उनका के जमानत पर रिहा कर दिहल गइल. एगो टीवी चैनल के रिपोर्टर बीएन कालेज में छात्र संघ के चुनाव कवर करे खातिर आपन ओबी वैन लेके परिसर में घुसल रहे. प्रिन्सिपल विरोध कइलें त उनका पर आपन माइक चला दिहलस. रिपोर्टर के आरोप बा कि प्रिन्सिपल ओकरा साथे मारपीट कइलें. ओकरा शिकायत पर प्रिन्सिपल के गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे. अब पुलिस कहत बिया कि प्रिन्सिपल के शिकायत पर रिपोर्टरो के आपन जमानत करावे के पड़ी.

पाँच साल अउरी दे दीं सभे त बिहार के विकसित बना दीहें नीतीश

चुनाव से पहिले अपना विश्वास यात्रा पर निकलल नीतीश कुमार सहरसा में एगो सभा के संबोधित करत कहलें कि अगर लोग उनका के पाँच साल अउरी सरकार चलावे दे दी त साल २०१५ तक बिहार के गिनती विकसित राज्यन में होखे लागी. नीतीश सरकार का राज में योजना खातिर मिलल बजट के कई विभागन में करीब करीब पूरा उपयोग होखे लागल बा जवन कि कबो पाँच फीसदी होत रहुवे. कहलन कि केन्द्र जानबूझ के बिहार का साथे सौतेला व्यवहार करत बा. अगर बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दे दिहल जाव त बिहार में पूंजी निवेश के बाढ़ आ जाई.

फेस बुक, यू ट्यूब का बाद विकेपीडिया इ ट्विटरो के बैन कइलस पाकिस्तान

एगो कार्टून प्रतियोगिता का चलते पाकिस्तान में फेस बुक पर लगावल प्रतिबन्ध बढ़त बढ़त आठ सौ बेबसाइटन के प्रतिबन्धित कर दिहले बा. ओने जवना कार्टून प्रतियोगिता का चलते बतंगड़ खड़ा भइल ओह आदमी के फेसबुक से हटा दिहल गइल बा बाकिर तबो पाकिस्तान में प्रतिबन्ध कायम बा. इन्टरनेट के खासियत होला कि निमन भा बाउर सही भा गलत हर तरह के बात जंगल में लागल आग का तरह पसर जाला आ ओकरा के काबू कइल मुश्किल हो जाला.

गिल के गिलगिलाइल बेकार बा

दिल्ली हाई कोर्ट के फैसला का बाद भ्रम पैदा हो गइल बा कि देश के हाकी बुड़ावे के पहिलका हक केकर बा? गिल वाला इण्डियन हाकी फेडरेशन के कि हाकी इण्डिया के? केपीएस गिल बाला फेडरेशन के मान्यता रद्द करे के फैसला कोर्ट गलत ठहरा दिहले बा. साल २००८ में गिल के आईएचएफ के सचिव के घूस लेत रंगे हाथ पकड़ल गइल रहे आ ओकरा बाद सरकार ओकर मान्यता रद्द कर दिहले रहे. ओने हाकी इण्डिया के सचिव नरेन्द्र बत्रा के कहनाम बा कि आईएचएफ एगो सोसाइटी हऽ आ आराम से बनल रह सकेला. असली जिम्मेदारी त हाकी इण्डिया के बा जेकरा के इन्टरेशनल हाकी फेडरेशन आ एशियन हाकी फेडरेशन मान्यता दिहले बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up