टटका खबर, बियफे, १५ अप्रैल

डा॰अम्बेदकर का जयन्ती पर वोट राजनीति के लड़ाई

जवन पार्टी कबो डा॰अम्बेदकर के उनकर वाजिब सम्मान ना दिहलसि, कवनो ना कवनो बहाने दलित राजनीति के पनपे से रोकत रहल आज उहे कांग्रेस अपना दलित वोट बैंक के वापिस पावे खातिर डा॰अम्बेदकर के माला जपे में लागल बिया. दोसरा तरफ दलित राजनीति के सम्मानित ऊचाई तक ले आवे वाली बसपा कांग्रेस के तनिको छूट देबे के तइयार नइखे.अपना भाषण में राहुल आरोप लगवलें कि दलितन खातिर हजारन करोड़ रुपिया यूपी भेजल जाला बाकिर ऊ धन दलितन पर खर्च नइखे कइल जात. दोसरा तरफ मायावती अपना भाषण में कांग्रेस के दलित हित के दुश्मन करार देत कहली कि ओकरा के हमेशा हमेशा खातिर जड़ से उखाड़ फेंकल जरुरी बा.

काल्हु के दिन मौत के दिन रहे

हरिद्वार महाकुंभ में जूना अखाड़ा के महामण्डलेश्वर का गाड़ी से टकरा के एगो आदमी के मौट हो गइल आ ओकरा बाद मचल भगदड़ में सात आदमी या त डूब मरलें भा कचरा के मरलें. दोसरा खबर में पश्चिम बंगाल के पश्चिम दिनाजपुर आ ओह से सटल बिहार के चार गो जिला में आइल भयंकर तूफान से सौ से बेसी आदमी के जान चल गइल आ दू सौ से बेसी लोग घवाहिल हो गइल बा. तूफान के वेग सवा सौ किलोमीटर प्रतिघंटा से बेसी रहे.करीब पचाह हजार घर क्षतिग्रस्त हो गइल. ओने चीन में आइल भयंकर भूकम्प से किंघाई प्रान्त में चार सौ से बेसी लोग मर गइल. जियगु कस्बा करीब करी ब पूरा तबाह हो गइल बा.

बजट सत्र के दुसरका चरण में संसद में हंगामा

आज से संसद के बजट सत्र के दुसरका चरन शुरु भइल आ जइसन कि अनेसा रहे सिर मुड़वते ओला पड़ल शुरु हो गइल. दुनु सदन में विपक्ष एह बात पर अड़ गइल कि सब कुछ रोक के दंतेवाड़ा मामिला पर चर्चा करावल जाव. सरकार गृहमंत्री के बयान दुपहर में देबे के बात कहलस बाकिर विपक्ष ना मानल. अंत में दुनु सदन दुपहरिया तकले स्थगित कर दिहल गइल बा.

नक्सलियन के पक्ष में खड़ा भइले दिग्गी राजा

कांग्रेस महासचिव दिग्विजय सिंह एगो अंगरेजी अखबार में लेख लिख के नक्सलियन का खिलाफ चलावल जा रहल मुहिम के गलत ठहरवले बाड़ेन. लिखले बाड़न कि नक्सल समस्या के समाधान बन्दूक से ना निकली. अरे भाई जब नक्सली खूदे मानेलें कि ओकनी के सत्ता बन्दूके का नाल से निकली त ओकनी साथे ओहि भाषा में बतियवला में हर्ज का बा? दिग्विजय सिंह कुछ दिन पहिले दिल्ली का बटाला हाउस में मराइल आतंकी का घरे जा के सांत्वना दिहले रहलें.

शशि थरुर अब सफाई देबे में लागल बाड़न

आइपीएल के कोच्चि टीम से विवाद में घेराइल शशि थरुर अब आपन पक्ष राखे खातिर मिल जुलल शुरु कर दिहले बाड़न. आज ऊ प्रणव मुखर्जी से मिललन. का बात भइल से त अबहिं पता नइखे चलल. बाकिर अबकि शशि थरुर के सितारा जरुरे गर्दिश में बा. अब एकरा के संजोग कहल जाव भा कुछ अवर बाकिर जब जब प्रधानमंत्री विदेश में रहेलें तब तब शशि थरुर कवनोना कबनो विवाद में घेरा हालें,

मथुरा श्रीकृष्ण जन्म भूमि का लगे विस्फोट से पांच जने के मौत

मथुरा श्रीकृष्ण जन्म भूमि का लगे एगो बस्ती में कबाड़ से लोहा निकला घरी विस्फोट हो गइल जवना से पांच जनेके मौत हो गइल. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया. वइसे प्रथम दृष्टया एह घटना के संबंध मथुरा जन्मभूमि विवाद से नइखे.

अंबेडकर जयन्ती पर पटना में सम्मेलन

यूपी का अम्बेडकर नगर का हो हंगामा से दूर पटनो में एह मौका पर महादलित विकास मित्र जागरुकता सम्मेलन आयोजित भइल जवना में बोलत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि पहिला बेर कवनो सरकार एह तरह के पहल कइले बिया जवना का माध्यम से महादलित समाज के लोग सरकारी योजना के लाभ सहजता से ले पाई. कहलें कि कुछ लोग कहत बा महादलित शब्द असंवैधानिक ह. केहू बतावे कि अम्बेडकर के दिहल नाम आप्रेस्ड क्लास के हिन्दी का होखी.

साध्वी प्रज्ञा के दिल के दौरा पड़ल

मालेगाँव बम विस्फोट काण्ड के मुख्य आरोपी साध्वी प्रज्ञा के बुधवार का रात दिल के दौरा पड़ल जवना का बाद उनका के नासिक सिविल अस्पताल में भरती करावल गइल. अब उनकर हालत स्थिर बा.

मंगल के रात आइल तूफान में बिहार में ८१ मौत

बिहार के सीमांचल के पूर्णिया आ अररिया में आइल भयंकर तूफान में कम से कम ८१ आदमी के जान जाये के खबर बा. रामविलास पासवान एह तूफान में मराइल लोग का परिवारन खातिर सरकार का तरफ से मिलेवाला डेढ़ लाख रुपिया के राहत के पन्द्रह लाख रुपिया करे के माँग कइले बाड़े.

बेंगलूर राजस्थान रायल्स के हरवलसि

काल्हु का मैच में राजस्थान रायल्स के हरा के बैंगलुरु के रायल चैलेंजर्स आईपीएल थ्री का सेमीफाइनल में चहुँपे के सपना जियतार राख लिहलें. आजु का मैच में दिल्ली डेयर डेविल्स आ चेन्नई सुपर किंग्स का बीच जोरदार मुकाबिला होखे वाला बा. अबहीं दुनु टीम सेमीफाइनल के दावेदार बाड़ी सँ.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up